बिहार दिवस पर भोजपुरी फिल्मोत्सव
March 23, 2011
पटना में काल्हु तीन दिन के भोजपुरी फिल्मोत्सव के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि भोजपुरी सिनेमा बिहारी अस्मिता से जुड़ल बाड़ी सँ आ देश विदेश में बिहारीपन के पहिचान के मजबूत बनवले बाड़ी सँ. एह महोत्सव का दौरान गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो, कब अइबू अँगनवा हमार, धरती मईया, बिदाई, बलम परदेसिया, गंगा जइसन पावन पिरितिया हमार, गठबन्धन फार के आ देसवा फिलिम देखावल जइहें सँ.