सेमीफाइनल में भारत पाकिस्तान के टक्कर
March 24, 2011
तेंदुलकर, गंभीर, आ युवराज का अर्धशतक का सहारे भारत आस्ट्रेलिया के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. मटोरा में होत क्वार्टरफाइनल में मिलल एह जीत का बाद भारत सेमीफाइनल में चहुँप गइल. पाकिस्तान पहिलहीं वेस्ट इण्डीज के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप चुकल बा. आ सेमीफाइनल में एही भारत आ पाकिस्तान के भिड़न्त होखे वाला बा. आज आस्ट्रेलिया भारत के गेंदबाजन का प्रभाव में आ के ६ विकेट का नुकसान पर २६० रन बनवले रहुवे. सचिन तेंदुलकर आजु एकदिना मैचन में १८००० रन के आँकड़ा पार कर लिहलन बाकिर आपन सौंवा शतक आजुवो ना लगा पवलन.