जदयू अपना मुख्य सचेतक के निलंबित कर दिहलसि
March 28, 2011
जदयू लोकसभा में अपना मुख्य सचेतक मंगनी लाल मण्डल के निलंबित कर दिहलसि. तीन गो अउरी सांसदन के निलंबित कइल गइल बा जवना में उपेन्द्र कुशवाहा, राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह आ सुशील सिंह के नाम बा. एह लोग पर आरोप बा कि ई लोग पिछला विधानसभा चुनाव में पार्टी के उम्मीदवारन का खिलाफ प्रचार कइले रहे. पार्टी के ई फैसला लोकसभा सत्र खतम भइला का बाद सामने आइल बा.