Go to ...
RSS Feed

Archives for March 2011

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री के धमकी

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे के सोमार का दिने मोबाइल से संदेश भेज के धमकी दिहल गइल बा कि चौबीस घंटा का भीतर बीस लाख रुपिया दे दऽ ना त जान से मार दिहल जाई. एक घंटा का भितरे दू गो अलग अलग मोबाइल नम्बर से उनुका के धमकी वाला संदेश भेजल गइल

दिल्ली में भोजपुरिया होली मिलन

देर से मिलल एगो खबर का मुताबिक पिछला दिने दिल्ली में भाजपा पूर्वांचल प्रकोष्ठ का तरफ से होली मिलन समारोह आयोजित कइल गइल जवना में मुख्य अतिथि बन के आइल बिहार के मोतिहारी से सांसद राधामोहन सिंह कहलें कि होलिका में नफरत आ भ्रष्टाचार के दहन कर के समरसता आ भाईचारा का साथ होली मनावल

बिहार दिवस पर रवि किशन बधाई दिहले

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन बिहार के मुख्य मंत्री नीतीश कुमार अउर सगरी बिहार वासियन के बधाई दिहले बाड़न. अपना सन्देश में रवि किशन लिखले बाड़न कि बिहार से उनुकर पुरान नाता रहल बा आ ऊ बदलत बिहार के बहुते नजदीक से देखले बाड़न. लिखले बाड़न कि ई सबकुछ भइल बा नीतीश

बिहार के सउवाँ साल आजु से शुरु

बिहार राज्य के स्थापना के शताब्दी आजु से धूमधाम से मनावल शुरु हो रहल बा. कार्यक्रम पूरा एक साल तक चली. आजु विधान परिषद के सौ साल पूरा होखला का उपलक्ष में आयोजित समारोह के उद्घाटन राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल करीहें. एह मौका पर कई राज्यन से विधानपरिषद सभापति मौजूद रहीहें आ कुछेक राज्यन के

वेस्ट इंडीज के हरा के अब आस्ट्रेलिया से भिड़े के तइयारी

काल्हु होली का दिने चेपक मैदान पर भइल मुकाबिला में भारत वेस्ट इंडीज के ८० रन से हरा दिहलसि. भारत अपना पारी में आल आउट हो के २६८ रन बनवले रहे. सचिन तेंदुलकर के सैकड़ा के सैकड़ा ना बन पावल आ ऊ दूइये रन पर आउट हो गइलन. युवराज सिंह के शानदार १३३ रन आ

होली हो लिहल

रंग के त्योहार कहल जाये वाला होली काल्हु पूरा देश में धूमधाम से मनावल गइल. धूर खेल से शुरु हो के सबेरे नौजवानन के टोली एक दोसरा के रंग से पोते नहावे में लागल रहुवे. लड़िकियन औरतन के टोलीओ एह मामिला में केहूसे कम ना रहली सँ. दुपहरिया होत सभे नहा धोवा के अबीर गुलाल

बिहार दिवस समारोह के तइयारी

मंगल २२ मार्च से शुरु होखे जा रहल तीन दिन के समारोह के तइयारी अब आखिरी चरण में बा. मुख्य समारोह पटना के गाँधी मैदान में होखी आ कुछ कार्यक्रम श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल, तारामंडल, रवीन्द्र भवन आ कालिदास रंगालयो में करावल जाई. एह मंगल के बिहार अपना बनला के निनानबे बरीस पूरा कर के सउवाँ

सड़क दुर्घटना

बलिया में बाँसडीह इलाका में एगो ट्रक अनिचर अतवार का रात में दुपहिया पर सवार दू जने के कचारत भाग गइल जवना से दुनु जने के ओहिजे मौत हो गइल. पुलिस फरार ट्रक चालक के खोजत बिया.

कुछ कहले (कुछ ना कहले)

विकिलीक्स खुलासा में सांसद खरीदे का बाति खुलला का बाद पिछला संसद में नोट देखावे वाला सांसदन के आरोप सही लागे लागल. दोसरे इहो साफ हो गइल बा कि संप्रग सरकार में डेगे डेग पर अमेरिकी प्रशासन के दखलन्दाजी बा. अमेरिका तय करत लउकत बा कि सरकार में कवना मंत्री के कवन विभाग दिहल जाव.

आन्दोलनकारी जाटन के रेललाइन पर से हटावल जाव

काल्हु इलाहाबाद उच्च न्यायालय प्रशासन के निर्देश दिहलसि कि रेलवे लाइन पर से धरना हटावल जाव आ रेल गाड़ियन के चालन ठीक से करावल जाव. कोर्ट ई आदेश अपना हियाँ दाखिल एगो जनहित याचिका पर दिहले बा. कोर्ट का निर्देश का बादो जाट आन्दोलनकारी कुछ सुने के तइयार नइखन. कहले बाड़े कि कानूनी सलाह लिहल

आज होलिका दहन भा सम्मत जरावल जाई

काल्हु होली हऽ आ आजु साँझ के होलिका दहन करावल जाई. एकरा के हमनी किहाँ सम्मत जरावल भा फूंकलो कहल जाला. लोग लड़िका सम्मत फूंकला का बाद ओकर परिक्रमा करेले आ लुकारी जरा के अपना अपना गाँव का सिवान का बाहर फेंके दउड़ेले. कई बेर पड़ोसी गाँव वालन से एही के ले के झगड़ो हो

बिहार विधानसभा में हंगामा

राजद के विधायक काल्हु विधानसभा में जम के बवाल कटले. ओह लोग के माँग रहे कि अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के किशनगंज शाखा खातिर एके जगहा पूरा जमीन दिहल जाव. बाद में अपना विधायक दल के नेता अब्दुल बारी सिद्दिकी का कहला पर विधायक लोग अपना सीट पर लवटि गइल.

इंजीनियर के मामिला पर भाजपा विधायक आ मंत्री में बतकही

रोहतास जिला के ग्रामीण कार्य विभाग के कार्यपालक अभियंता ध्रुव प्रसाद के लेके मंत्री भीम सिंह आ भाजपा विधायक रामनरेश चौरसिया का बीच जम के बतकही भइल. विधायक के आरोप रहे कि मंत्री ओह इंजीनियर के बचावत बाड़न. मंत्री के जवाब रहल कि आरोप के जाँच करावल जा रहल बा आ आरोप सही साबित भइला

गोरखपुर के सहजनवां में नाव पलटला से चार गो लड़िका डूबले

गोरखपुर जिला के सहजनवा थाना इलाका के बिसरी गाँव में एगो छोट नाव पर सवार लड़िका पोखरा में मछरी मारे गइल रहले. एही दौरान नहाये का फेर में एक किनारे आ गइले जवना चलते नाव बेसम्हार हो गइल आ पलटि गइल. ओह पर सवार चार गो लड़िका तालाब में डूब के मर गइले. गोताखोर बाद

टटका खबर १४ मार्च

बेतिया डाकघर में हेराफेरी प॰चम्पारण जिला के बेतिया प्रधान डाकघर में लाखो रुपिया के हेराफेरी के मामिला पकड़ाइल बा जवना में डाकघर के कुछ कर्मचारी शामिल रहले. एह घपला के जाँच करे के जिम्मेदारी ओही डाकघर के पोस्टमास्टर के दिहल गइल बा. पटना में एगो अउरी मेडिकल कॉलेज केन्द्र सरकार अपना कर्मचारी राज्य बीमा निगम

महाचन्द्र सिंह कांग्रेस से इस्तीफा दिहले

सारण स्नातक सीट से विधानपरिषद सदस्य रहल महाचन्द्र प्रसाद सिंह काल्हु कांग्रेस से इस्तीफा देत कहलन कि पार्टी नेतृत्व आपन विश्ववसनीयता गँवा दिहले बा आ पार्टी में समर्पित नेता कार्यकर्ता के लगातार अनदेखी हो रहल बा जवना चलते अब अइसन पार्टी मे रहला के कवनो मतलब नइखे. जवाब में कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबुब अली

बीएचयू के दीक्षान्त समारोह

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के काल्हु संपन्न दीक्षान्त समारोह के संबोधित करत उपराष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी कहले कि विश्वविद्यालय भविष्य का बारे में चिंतन मनन करे के सबले बढ़िया जगह ह. इहो कहलन कि भारत के बहुलतावाद ओकरा राष्ट्रवाद के भावनो से जुड़ल बा. मौका पर मंचासीन विश्वविद्यालय कुलाधिपति डा॰ कर्ण सिंह विश्वविद्यालय के महत्ता के

जापान में भयंकर तबाही से पूरा दुनिया दुखी

पिछला सौ बरीस में अतना दुखदायी सुनामी ना आइल रहे जतना शुक ११ मार्च के जापान में आइल. अनेसा त पहिलही से रहे आ अबहियो बा कि एगो बड़हन तबाही अगिला पचास साल का पहिले कहियो आ सकेला जब जापान के दसियो लाख आबादी खतम हो सकेले. शुक के दिने जापान के सेनदई, Sendai, शहर

ना देबे वाला जानत बा ना लेबे वाला

पता चलल बा कि बाबा रामदेव के पातंजलि आयुर्वेद लिमिटेड २००९ का चुनाव में भाजपा के एगारह लाख रुपिया चंदा दिहले रहुवे. बाबा रामदेव के भारत स्वाभिमान ट्रस्ट के महामंत्री आचार्य बालकृष्ण के कहना बा कि चंदा ना त बाबा रामदेव दिहले ना ऊ, चंदा त कंपनी के डायरेक्टर दिहले होखीहें. दोसरे कंपनी का तरफ

बिहार सरकार शराबखोरी नइखे बढ़ावत

विधानपरिषद में बहस का बीच दखल देत मुख्य मंत्री नीतीश कुमार कहले कि बिहार सरकार शराबखोरी के बढ़ावा नइखे देत. असल बाति ई बा कि राजस्व चोरी पर लगाम लागला का चलते सरकार के आबकारी विभाग बेसी राजस्व वसूल पा रहल बिया. विपक्ष के आरोप रहे कि एनडीए सरकार गली गली में शराब के दोकान

Older Posts›› ‹‹Newer Posts