Go to ...
RSS Feed

Archives for April 2011

खबर एक नजर में (30 अप्रेल 2011)

छात्रन के हंगामा का बाद मुस्लिम विश्वविद्यालय बन्द अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय में छात्रन के दू गुट का बीच फायरिंग आ झगड़ा का चलते बिगड़ गइल माहौल में जिला प्रशासन का सलाह पर विश्विविद्यालय के अनिश्चितकाल खातिर बंद कर दिहल गइल बा. सगरी विद्यार्थियन के अड़तालिस घंटा का भितरे हॉस्टल खाली करे के कहल गइल बा.

खबर एक नजर में (29 अप्रेल 2011)

फोन से भाषण दिहें अन्ना हजारे आजु बनारस से अपना भ्रष्टाचार विरोधी अभियान के शुरुआत अन्ना हजार फोन से भाषण दे के करीहें. अन्ना के तबियत खराब चलत बा आ डाक्टर लोग उनुका के आराम करे के सलाह दिहले बाड़न. हालांकि स्वामी अग्निवेश आ अरविंद केजरीवाल एह सभा में मौजुद रहीहें आ भाषण दिहें. जिला

खबर एक नजर में (28 अप्रेल 2011)

उत्तर प्रदेश में धरना प्रदर्शन खातिर सरकार से पूछे के पड़ी काल्हु यूपी सरकार एगो शासनादेश जारी कर दिहलसि जवना में कहल गइल बा कि धरना प्रदर्शन आन्दोलन करे का एक हफ्ता पहिले पुलिस का लगे आवेदन दे के अनुमति लेबे के पड़ी. अगर ओह धरना प्रदर्शन भा आन्दोलन में भीड़ बेकाबू होखत बा त

खबर एक नजर में

इंजीनियरिंग परीक्षा खातिर स्पेशल ट्रेन कर्नाटक का बैंगलुरु में होखे वाला इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा खातिर अगिला दस मई के एगो विशेष गाड़ी दरभंगा से खुली जवन यशवन्तपुर तकले जाई. दरभंगा से सबेरे ६.४० पर खुले वाली ई रेलगाड़ी समस्तीपुर से ७.४० पर, बरौनी से ८.४५ पर आ पटना से १२.३० पर खुली. लवटति में यशवंतपुर

भोजपुरी गायिका देवी के पिता के निलंबन वापिस

छपरा राजेन्द्र कालेज के दर्शन शास्त्र प्राध्यापक डा॰ प्रमोद कुमार के निलबंन वापिस ले लिहल गइल बा. पिछला दिने देवी का साथ छेड़खानी करे में जेपी विश्वविद्यालय के वीसी के नाम अइला का बाद उनुका के निलंबित कर दिहल गइल रहे. मामिला अबहीं कोर्ट में बा.

बरेजा स्कूल के नाम गिरीश बाबा के नाम पर करे के माँग

स्वतंत्रता सेनानी पंडित गिरीश तिवारी के गाँव बरेजा स्थित हाई स्कूल के नाम उनुका नाम पर करे के माँग काल्हु विधानपरिषद में महाचन्द्र सिंह उठवलें. विभाग के कहना बा कि एकरा खातिर स्थानीय स्तर पर कवनो आवेदन नइखे दिहल गइल.

लखनऊ के सीएमओ हत्याकाण्ड के सुराग नइखे मिलत

मिलो कइसे जब “उपर” से संकेत ना मिलला का चलते पुलिस एगो खास आदमी से पूछताछ नइखे कर पावत. पुलिस के संदेह बा कि ऊ सीधे शामिल भले ना होखे बाकिर ओकरा शूटरन का बारे में पूरा जानकारी बा. डाक्टरन के एसोसिएशनो एह मामिला में चुप्पी लगा गइल बा काहे कि ढेरे सीनियर डाक्टर घपला

सत्य साईं बाबा के निधन का बाद

उनुका ट्रस्ट के सदस्यन में सत्ता संघर्ष शुरु हो गइल बा. साईं बाबा के ट्रस्ट के संपत्ति चालिस हजार करोड़ के बतावल जा रहल बा. अखबारन में छपल बा कि काल्हु एक ट्रक सोना आ आभूषण ट्रस्ट मुख्यालय से निकाल के अनजान जगहा भेज दिहल गइल बा. के भेजल, कहवाँ भेजल एकर कवनो पक्का खबर

मारीशस आ भारत का बीच व्यापार बढ़ावे पर सहमति

पाँच दिन के मारीशस यात्रा पर गइल भारत के राष्ट्रपति प्रतिभादेवी सिंह पाटिल आ मारीशस के शीर्ष नेता लोग से भइल बातचीत में दुनु देश का बीच के संबंध अउरी पोढ़ आ गहिर बनावे पर सहमति बनल. मारीशस के भारत के साथ भावनात्मक संबंध बा कि काहे कि ओहिजा के अधिकतर नागरिकन के पूर्वज हिन्दुस्तान

घोटालेबाज सुरेश कलमाडी गिरफ्तार

राष्ट्रमण्डल खेल के आयोजन में बड़हन घपला घोटाला करे वाला सुरेश कलमाडी के काल्हु गिरफ्तार कर लिहल गइल. सुरेश कलमाडी का साथ दु गो अउरी अधिकारियनो के गिरफ्तार कइल गइल बा. सुरजीतलाल आ ए॰एस॰वी॰ प्रसाद एगो स्विस कंपनी के १४१ करोड़ रुपिया बढ़ल दाम पर घड़ियन के ठेका दिहले रहले. गिरफ्तारी का बाद कलमाडी से

सिवान डाकघर में सबले बेसी मनीआर्डर आवेला

लगातार तीन साल से सिवान डाकघर विदेशन से आवे वाला मनिआर्डर का मामिला में अव्वल बनल बा. जबकि पूरा बिहार देश भर में चउथका जगहा पर बा. सिवान में पिछला लेखा साल में करीब एक सौ मनिआर्डर रोजाना के आवती रहल बा. खुशी के बाति बा कि मनिआर्डर भेजे का मामिला में बिहार एकदमे फिसड्डी

सत्य साईं बाबा के देहावसान आ दोसर खबर

काल्हु पुट्टूपार्थी में ढेर दिन से बेमार चलल आ रहल सत्यसाईं बाबा के देहावसान हो गइल. उनुका निधन से पूरा देश विदेश में फइलल उनुकर करोड़ो भक्त शोकाकुल बाड़े आ उनकर अंतिम दरशन खातिर लाखो लोग के भीड़ ओहिजा जुटल बा. मोतिहारी में मिस्कौट के श्रीराम जानकी मंदिर वृक्षस्थान खातिर न्यास के अधिसूचना जारी होखे

दुसरका चरण के मतदान आजु

बिहार पंचायत चुनाव के दुसरका चरण के मतदान काल्हु संतावन प्रखण्डन के ८९५ गाँवन में करावल जाई. पहिलका चरण में छुटपुट हिंसा का चलते करीब दस लोग के जान गइल रहे. सरकार के कहना बा कि पूरा इलाका के नाकाबन्दी कर लिहल गइल बा जवना से कि हिंसा ना हो सके. हर केन्द्र पर अब

जाते पूछऽ साधु के मत पूछऽ तू ज्ञान….

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती कहले बाड़ी कि लोकपाल बिल के मसौदा तइयार करे वाला समिति में कवनो अनुसूचित जाति के आदमी ना होखल चिन्ता के बाति बा. ऊ समिति के पुनर्गठन के माँग कइले बाड़ी आ कांग्रेसो एकर समर्थन कइले बिया. केहू तरह एह समिति के काम रोके के चिन्ता बा सगरी “राज”नीतिज्ञन के.

बाबू वीर कुँवर सिंह के जयन्ती ह आजु

स्वतंत्रता संग्राम के जाबाँज सेनानी बाबू कुँवर सिंह के जन्मदिन का अवसर पर आजु पूरा राज्य में कई जगहा समारोह आयोजित कर के ओह “तेगवा बहादुर” के नमन कइल जाई. भाजपा का तरफ से राजधानी पटना में दौड़ आयोजित कइल गइल बा. मरदन के दौड़ जगदेव पथ से शुरु हो कारगिल चौक तक जाई जबकि

चाणक्य राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय के छात्र अनशन पर

बिहार के प्रतिष्ठित चाणक्य नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के छात्र कैंपस प्लेसमेंट ना होखला का विरोध में अनशन पर बइठल बाड़े. एह लॉ युनिवर्सिटी में विद्यार्थियन के चयन राष्ट्रीय स्तर पर करावल प्रेवेश परीक्षा क्लैट का माध्यम से होला. ओकरा बावजूद स्थानीय प्रबन्धन के कमजोरी का चलते पहिला बैच के दस गो छात्र अनशन पर बइठल

कैट परीक्षा २०११ के संचालन कोलकाता करी

एह साल के कैट परीक्षा के संचालन आईआईएम कोलकाता के दिहल गइल बा. पिछला साल एकर संचालन आईआईएम लखनऊ कइले रहुवे जे एह साल आईआईएम कोलकाता के परीक्षा संचालित करे में सहयोग करी. कैट परीक्षा २०११ के संयोजक जानकीरमण मूर्ति के कहना बा कि अबहीं कुछ तय नइखे कि परीक्षा में कवन नया पद्धति इस्तेमाल

यूपी के एमबीए सीट कैट से भरल जाई

उत्तरप्रदेश के गौतम बुद्ध आ महामाया प्राविधिक विश्वविद्यालयन के कॉलेजन में एमबीए सीट पर दाखिला खातिर बीस फीसदी सीट कैट आ मैट परीक्षा में सफल छात्रन से भरल जाई. एह कारण अब प्रदेश के बाहरो के विद्यार्थी एह कालेजन में प्रवेश ले सकीहें. पैंसठ फीसदी सीट राज्य प्रवेश परीक्षा से आ पन्द्रह फीसदी सीट मैनेजमेंट

पटना में खुलल कोटा के कोचिंग शाखा

कोटा के मशहूर कोचिंग सेंटर रेजोनेन्स के पटना शाखा खुल गइल बा जहवाँ मेडिकल आ इंजिनियरिंग में प्रवेश खातिर कोचिंग करावल जाई. पहिला बैच ९ मई से शुरु हो रहल बा आ प्रवेश प्रपत्र रेजोनेन्स के कंकड़बाग शाखा कार्यालय से लिहल जा सकेला. शाखा प्रभारी सफदर सेराज के कहना बा कि शहर के बड़का किताब

गया से आर्मी सेंटर हटिये गइल

लोग के लगातार विरोध का बावजूद सेना के सेवा शाखा आपन कार्यालय गया से हटा लिहलसि. काल्हु सेंटर पर विधिवत झण्डा उतार के सरिया लिहल गइल ताकि ओकरा के बैंगलुरु के नयका केन्द्र पर भेजल जा सके. आर्मी सर्विस कोर्प्स के गया केन्द्र पिछला छत्तीस साल से रहुवे आ गया के विकास में ओकर बड़हन

Older Posts››