बिहार का रक्सौल में कषृ्णा टाकीज का परिसर में एगो दूकान में दू जने के हत्या कर दिहल गइल. हत्यारा मोटरसाइकिल से आइल रहले सँ. पुलिस एकरा के आपसी दुश्मनी के मामिला बतावत बिया. चार जने दुकान में आइल रहले आ ओहिमें से दू गो दोसरा दू के हत्या कर के फरार हो गइलें. जगहा पर से गोली के खोखा आ नेपाल जनतांत्रिक तराई मोर्चा संगठन के कागजातो मिलल बा.