web analytics

लखनऊ के सीएमओ के हत्या

शनिचर का दिने लखनऊ में सीएमओ परिवार कल्याण डा॰ वीपी सिंह के हत्या का बाद काल्हु पूरा प्रदेश के सरकारी डाक्टर विरोध में हड़ताल पर चल गइलें. कहले बा लोग कि अगर हत्यारा पकड़ में ना अइहें त अनिश्चितकालीन हड़तालो करी लोग. छह महीना पहिलहू लखनऊ के सीएमओ परिवार कल्याण के हत्या कर दिहल गइल रहे आ ओकरा बाद पाँच महीना ले ऊ पद खाली रहल. डा॰ वी पी सिंह फरवरी में पदभार लिहले रहले आ मार्च बीतते उनुकरो हत्या कर दिहल गइल. एके पद पर दू गो अधिकारियन के हत्या बतावत बा कि कवनो बड़हन घोटाला भइल बा जवना चलते एहलोग के हत्या कइल गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: