Go to ...
RSS Feed

अन्ना हजारे के समर्थन में उतरल देश


भठियरपन का खिलाफ अन्ना हजारे के आमरण अनशन के पूरा देश में व्यापक समर्थन मिल रहल बा. कवनो गैर क्रिकेट भा गैर धार्मिक मुद्दा पर अतना बड़हन जन सहयोग देश में कबही नइखे मिलल. अन्ना के अनशन से सरकार आ कांग्रेस भितरे भीतर हिल गइल बा आ उनुका के मनावे के पूरा कोशिश हो रहल बा. पहिले त कांग्रेस के कोशिश रहल कि अन्ना के आन्दोलन के बदनाम कर दिहल जाव बाकिर जवना तरह अन्ना अपना आन्दोलन से विरोधी राजनीतिक दलन के अलगा रखले बाड़न ओह से कांग्रेस के शुरुआती कोशिश निष्फल हो गइल. अब सोनिया गाँधी तक “अन्ना जी” से निहोरा कइले बाड़ी कि आपन अनशन तूड़ दीं. बाकिर अन्ना अपना आन पर अड़ल बाड़न. उनकर कहना बा कि जबले जान बा तब ले अनशन पर रहीहें अगर सरकार उनकर बात मान नइखे लेत त.

बियफे का दिने पटना लखनऊ हर जगहा व्यापक प्रदर्शन होखे के खबर बा जवना में अन्ना के आन्दोलन के समर्थन दिहल जा रहल बा. हर जगहा सामाजिक संगठन एह आन्दोलन में जनसमर्थन जुटावे में लाग गइल बाड़े.

One Response “अन्ना हजारे के समर्थन में उतरल देश”

  1. rajesh tiwari
    April 8, 2011 at 9:26 pm

    netao desh chhora andolan jaruri baw

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: