web analytics

चइती छठ के समापन

आजु सबेरे उघत सूर्य के अरघ दे के चार दिन से चल रहल चइती छठ के समापन हो गइल. एह मौका पर औरंगाबाद के मशहूर पौराणिक धार्मिक जगह देव पर सूर्य कुंड में सात लाख से बेसी श्रद्धालु अरघ दिहलें. देव के मंदिर त्रेता युग के बतावल जाला. राज्य के दोसरो हिस्सा में नदी तालाब के घाट पर श्रद्धालु अरघ दिहलें. चइती छठ में कातिक के छठ लेखा लोग शामिल ना होला बाकिर धीरे धीरे चइतिओ छठ पर श्रद्धालुअन के भीड़ बढ़त जा रहल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: