web analytics

बिहार विधान परिषद के चार गो सीट पर आजु मतदान

बिहार विधान परिषद के सारण आ गया स्नातक निर्वाचन क्षेत्र अउर गया आ कोसी शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के चार गो सीट खातिर आजु मतदान हो रहल बा. मतदान साँझ चार बजे ले चली. एह मतदान में प्राथमिकता का आधार पर वोट डालल जाला जवना खातिर बैंगनी रंग के स्केच पेन के इस्तेमाल कइल जाई. दोसर कवनो कलम, पेंसिल भा बॉलपेन के इस्तेमाल पर मनाही बा. पिछला बेर के कांग्रेसी महाचन्द्र सिंह अबकी जदयू का टिकट पर सारण स्नातक निर्वाचन क्षेत्र से मैदान में बाड़न.

 231 total views,  4 views today

%d bloggers like this: