web analytics

खबर एक नजर में (30 अप्रेल 2011)

छात्रन के हंगामा का बाद मुस्लिम विश्वविद्यालय बन्द

अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय में छात्रन के दू गुट का बीच फायरिंग आ झगड़ा का चलते बिगड़ गइल माहौल में जिला प्रशासन का सलाह पर विश्विविद्यालय के अनिश्चितकाल खातिर बंद कर दिहल गइल बा. सगरी विद्यार्थियन के अड़तालिस घंटा का भितरे हॉस्टल खाली करे के कहल गइल बा. झगड़ा तब शुरु भइल जब एगो छात्रनेता मुश्ताक अहमद के कंट्रोलर परवेज मुस्तजाब का कमरा में पिटाई कर दिहल गइल आ एकर आरोपी डिप्टी कंट्रोलर एस एम रिजवानुर्रहमान का खिलाफ कवनो कार्रवाई ना भइल. बाद में छात्रन के दु गुट एही के ले के अपने में भिड़ गइले आ एक गुट फायरिंग कर दिहलस. कुछ लड़िका शहर के जकरिया मार्केटो में गोली चलवले रहले जवना से सगरी माहौल बेकाबू होत बुझाइल. लड़िकन के समुझावे गइल एगो पुलिस दारोगा के घेर लिहल गइल रहे बाकिर पुलिस बल ओकरा के छोड़ा लिहलन. पूरा जिला से पुलिस बल अलीगढ़ बोला लिहल गइल बा.


बिहार का सरकारी स्कूलन के कोचिंग खातिर भाड़ा पर दिहल जाई

कोचिंग संस्थानन में आधारभूत संसाधन के कमी देखत बिहार सरकार तय कइले बिया कि सरकारी स्कूल आपन भवन कोचिंग चलाये वाला के भाड़ा पर दे सकेलें बशर्ते ओह से विद्यालय के आपन पठन पाठन में कवनो दिक्कत ना होखे. स्कूल टाइम से पहिले भा बाद में कोचिंग स्कूल आपन क्लास चलाई. एह भाड़ा के उपयोग ओह स्कूल के भवन आ संसाधन बढ़ावे पर इस्तेमाल कइल जाई. किराया वगैरह स्कूल के प्रबन्ध समिति तय करी. एह मामिला में सगरी जिला शिक्षा अधिकारियन के निर्देश भेजल गइल बा.


पीएचडी कइल कठिन हो गइल

बिहार में सरकारी विश्वविद्यालयन से पीएचडी कइल अब कठिन बना दिहल गइल बा. विश्वविद्यालय अनुदान आयोग का अनुशंसा पर पीएचडी करे खातिर नया पैमाना तइयार कइल जा रहल बा. हर विश्वविद्यालय आपन आपन पैमाना बना के कुलाधिपति का लगे भेजी जहाँ से स्वीकृति मिल गइला का बाद ऊ नियम लागू हो जाई. एकरा खातिर अब प्रवेश परीक्षा, बीच बीच में शोध प्रबन्ध के जाँच आ परीक्षा आयोजित करे के सलाह दिहल गइल बा. एगो सुपरवाइजर का तहत कवनो समय आठ से बेसी शोधार्थी ना हो सकसु. अब पीषचडी करे वाला ई तय ना कर पइहें कि उनकर गाइड के बनी.


बिहार पंचायत चुनाव के चउथा चरण आजु

बिहार में हो रहल पंचायत चुनाव के चउथका दौर के वोटिंग आजु करावल जा रहल बा. नक्सल प्रभावित इलाकन में तीन बजे वोट पूरा हो जाई जबकि बाकी इलाकन में चार बजे ले वोट डालल जा सकेला. अब तक भइल तीनो चरण में छिटपुट हिंसा के खबर आवत रहल बा. आयोग के निर्देश बा कि कवनो हालत में पोलिंग पार्टी के चुनाव के पहिले वाली रात में ओह गाँव में ठहरे ना दिहल जाव जहवाँ ओकर पोस्टिंग बा.


पराग डेयरी अपना दूध के दाम बढ़वलसि

काल्हु पहली मई से उत्तरप्रदेश में मिले वाला पराग डेयरी के दूध महँग मिली. फुल क्रीम दूध बत्तीस का जगह चौंतीस रुपिया, स्टैण्डर्ड दूध पच्चीस का जगहा सताइस रुपिया आ टोंड दूध पचीस का जगहा छब्बीस रुपिया कर दिहल गइल बा.


पिपराइच विधानसभा क्षेत्र में चुनाव प्रचार जोरशोर से

गोरखपुर के पिपराइच विधानसभा क्षेत्र में होखे वाल उपचुनाव खातिर चुनाव प्रचार जोर शोर से चल रहल बा. एह चुनाव में बसपा आ कांग्रेस आपन उम्मीदवार खड़ा नइखन कइले. उपचुनाव एहिजा के बसपा विधायक जमुना प्रसाद निषाद के मौत का चलते हो रहल बा आ सपा जमुना प्रसाद निषाद के पत्नी के आपन उम्मीदवार बना लिहले बा. भाजपा से राधेश्याम सिंह समेत एह चुनाव में तेरह गो प्रत्याशी मैदान में बाड़े.

 340 total views,  2 views today

%d bloggers like this: