Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for May 2011

खबर एक नजर में (30 मई 2011)

गोपालगंज मंडल कारा में डाक्टर के हत्या अतवार के साँझ गोपालगंज के मंडलकारा के डाक्टर भूदेव सिंह के कुछ कैदी पीट पीट के मुआ दिहलन स. डाक्टर एगो बीमार कैदी के देखे खातिर जेल में आइल रहले जब उनुका पर कैदियन के एगो गिरोह हमला कर दिहलसि आ बेरहमी से पीट पीट के मार दिहलन

खबर एक नजर में (29 मई 2011)

कृषि प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में प्रवेश यूपी में बाँदा में खुले जा रहल मान्यवर कांशीराम कृषि एवं प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में एही साल से पढ़ाई शुर कर दिहल जाई. एह बात के जानकारी प्रदेश के मुख्य सचिव पत्रकारन के दिहले. बांदा मे खुले जा रहल मेडिकल कॉलेज में अगिला साल से प्रवेश शुरु होई. पटना एम्स के

इण्डियन प्रीमियर लीग 4 – एक नजर में

चेन्नई सुपर किग्स आपन सुपिरियोरिटी साबित कर दिहलन काल्हु चेपक का मैदान में चेन्नई सुपर किंग्स आपन धमाकेदार शुरुआत कइलस. पहिले त मुरली विजय आ माइक हुसे १५९ रन के जोड़ीदारी खेल दिहले. आ बाद में जब हुसे आउट हो गइलन तबो मुरली विजय आपन शानदार बल्लेबाजी का सहारे सुपर किंग्स के २०५ रन के

खबर एक नजर में (28 मई 2011)

सीबीएसई दसवीं के रिजल्ट ३१ मई के पहिले घोषित तारीख बदलत सीबीएसई अब दसवीं के रिजल्ट ३१ मई के प्रकाशित करे के बात कहत बा. एह साल पिछला साल का मुकाबिले बहुते कम विद्यार्थी बोर्ड के परीक्षा दिहले बाड़े. अधिकतर विद्यार्थी अपना स्कूले के इम्तिहान दे के काम चला लिहले. एही काम्प्रेहेन्सिव एन्ड क्यूमिलिएटिव इवैल्युएशन,

खबर एक नजर में (27 मई 2011)

यूपी के दिहल जाई पाँच साल में आठ गो मुख्यमंत्री गाजीपुर में संयुक्त मोर्चा के रैली में एलान कइल गइल कि अगर संयुक्त मोर्चा के सरकार बनल त हर घटक के बारी बारी से मुख्यमंत्री के कुर्सी दिहल जाई. एह मोर्चा में कौमी एकता दल, पीस पार्टी, भासपा, इंडियन जस्टिस पार्टी, जनवादी पार्टी, मोमिन कांफ्रेंस,

खबर एक नजर में (26 मई 2011)

बिहार बोर्ड आ आईआईटी के रिजल्ट निकलल काल्हु आईआईटी प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट निकलल जवना में बिहार के मशहूर सुपर थर्टी के चौबीस गो छात्र सफलता हासिल कइले. पुलिस अधिकारी अभयानंद का देख रेख में चले वाली एगो दोसर संस्था के पैंतीस गो छात्र सफल भइले. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार के सफल छात्रन के बधाई

खबर एक नजर में (25 मई 2011)

महादलितन खातिर एक सौ छप्पन करोड़ काल्हु बिहार सरकार के कैबिनेट में महादलित परिवारन खातिर हर परिवार तीन डिसमिल जमीन खरीदे खातिर कुल एक सौ छप्पन करोड़ रुपिया खर्च करे के स्वीकृति दिहल गइल. दोसरका फैसला में तय भइल कि राज्य के हर सरकारी अस्पताल के राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना से जोड़ दिहल जाई. कई

खबर एक नजर में (24 मई 2011)

सदानंद सिंह के जमानत याचिका खारिज बिहार विधान सभा में क्लर्कन का बहाली में मुकदमा का चलते तब के विधानसभाध्यक्ष सदानंद सिंह आ सोलह जने अउर लोग विशेष अदालत में जमानत के अर्जी लगवले रहुवे जवना के अदालत खारिज कर दिहलसि. एह मामिला में बयालीस लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. सांसद निधि

खबर एक नजर में (23 मई 2011)

आजु सीबीएसई के रिजल्ट आजु सीबीएसई के बारहवीं के रिजल्ट सबेरे दस बजे आवे वाला बा. एह रिजल्ट के नीचे दिहल लिंक पर क्लिक कर के देखल जा सकेला. रिजल्ट्स सीबीएसई सीबीएसईरिजल्ट्स मुआविजा के राजनीति कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी के दखल का बाद केन्द्र सरकार भट्टा परसौल में मुआविजा के राजनीति कइले बिया. एलान भइल

खबर एक नजर में (22 मई 2011)

खबर लिखे वाला जब खुद खबर बनि जाव उनइस मई के इहे भइल जब अँजोरिया अपना सगरी सबडोमेना का साथे हैक हो गइल आ ओकरा बाद दू दिन लाग गइल सब कुछ ठीक करे में. “सब कुछ” में सब कुछ शामिल नइखे, बस अतने कि लगभग पूरा अँजोरिया फेर से शुरु हो गइल बा. अलग

Older Posts››