web analytics

खबर एक नजर में (3 मई 2011)

लोकसेवा आयोग के परीक्षा में अंगरेजी के अनिवार्यता के विरोध

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केंद्र सरकार के चिट्ठी लिखले बाड़न कि संघ लोक सेवा आयोग के परीक्षा में अंगरेजी के जरूरी बना दिहला से यूपी बिहार के अभ्यर्थियन के नुकसान चहुँपी जे अधिकतर गँवई इलाकन से आवेले आ ओह लोग के अंगरेजी कमजोर होले. मजे के बाति बा कि नीतीश का लगे एह बात के शिकायत यूपी के एगो छात्र कइले रहे. अबही ले मुख्यमंत्री के चिट्ठी के जबाब नइखे आइल.


मोतिहारी चीनी मिल के अधिग्रहण कर सकेले सरकार

मोतिहारी चीनी मिल के प्रबंधन में गड़बड़ी का शिकायत का चलते आ सरकारी निर्देशन के अनदेखी का चलते सरकार एह चीन मिल के अधिग्रहण करे के मन बना रहल बिया. ई बाति पिपरा के विधायक आ लघु सिंचाई अउर गन्ना मंत्री अवधेश कुशवाहा कहले बाड़न. इहो कहले कि सरकार खुदे कंपनी ना खोली बलुक निजी क्षेत्र के कवनो कंपनी से खोलवाई.


मशरख में दू गो भाड़ा के हत्यारा पकड़इले

सोमार का दिने छपरा पुलिस मशरख के सिमरी गाँव से दू गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलस. एह अपराधियन में दर्जनो हत्या, डकैती, लूट आ अपहरण के अभियु्क्त सहरसा जिला के कुख्यात अपराधी कौशल यादव उर्फ पहलवान आ मधेपुरा के कौशल साह शामिल बाड़े. एह दुनु के सिमरी के मुखिया उम्मीदवार चंचल सिंह अपना विरोधी अर्जुन सिंह के हत्या करे खातिर बोलवले रहुवे. वादा कइले रहे कि जीत जाई त पाँच लाख आ हार जाई तबो दू लाख रुपिया दी ओह लोग के हत्या करे का बदले.


बनल रहीहें कुलपति

बीएचयू के कुलपति प्रो. धीरेद्र पाल सिंह के तीन साल के कार्यकाल सात मई के पूरा हो जाई बाकिर केन्द्रीय मानव संसाधन विभाग उनुका जगहा लेबे वाला नयका कुलपति के अबही ले नइखे चुनले. एह चलते विश्वविद्यालय के नियम मुताबिक कुलपति प्रो॰ धीरेन्द्र पाल सिहं अगिला आदेश तक कुलपति बनल रहीहें जबले नयका कुलपति तय नइखन हो जात.


कांग्रेस के चुनावी अभियान शूरु करे जा रहल बाड़ी सोनिया

अगिला १८ मई के बनारस में कांग्रेस पार्टी आपन दू दिन के अधिवेशन बोलवले बिया जवना के सोनिया गाँधी संबोधित करीहें आ एकरा साथ ही चुनाव अभियान के शुरुआतो कर दीहें. एह बईठका में कांग्रेस के चुनावी रणनीति तय कइल जाई. पिछला कई चुनाव से प्रदेश में कांग्रेस हाशिया पर आ चुकल पार्टी मानल जा रहल बिया हालांकि पिछला लोकसभा चुनाव में ओकर प्रदर्शन सुधरल रहे जवना का बाद कांग्रेसी पूरा उत्साह में बाड़े.


पंचायत चुनाव के पाँचवा चरण के वोटिंग आजु

बिहार में चल रहल पंचायत चुनाव के पाँचवा दौर आजु हो रहल बा. पिछला दौरन में छिटपुट हिंसक वारदात का बावजूद माहौल शांते मानल जाई काहे कि पंचायत चुनाव में तनाव अपना शिखर पर रहेला. अतना तनाव विधानसभा भा लोकसभा चुनाव में देखे के ना मिले. साथ ही साथ चुनावी विवाद का साथे पुरान आपसी विवादो घोरमट्ठा हो के हिंसक वारदात के कारण बन जाले. आजु के मतदान सबेरे सात बजे से साँझ पाँच बजे ले करावल जाई. नक्सल प्रभावित इलाकन में चुनाव तीने बजे खतम हो जाई.


ओसामा के लाश समुंदर में दफना दिहल गइल

अमेरिका अपना सबले बड़का दुश्मन आतंकी ओसामा के पाकिस्तान का एटलाबाद में ओकरा घर में अपना सैनिकन के भेज के मरवा दिहलसि आ लाशो अपना कब्जा में ले लिहलसि जवना के बाद में डीएनए जाँच का बाद पूरा मुस्लिम तरीका से समुंदर में दफना दिहलसि. ओकरा शायद एह बाति के डर रहे कि जियत लादेन से बड़का संकट मुअल लादेन मत बन जाव आ ओकरा दफन का जगहा पर आतंकियन के जमावड़ा मत होखे लागे. एहसे ओकरा के समुंदर में दफना दिहलसि. जगहा नइखे बतवले.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: