अपना “ओसामा जी” का चलते दिग्गी पड़लन फेरा में
खूंखार आतंकी ओसामा के ओसामा जी कहला का चलते कांग्रेस के दिग्गी राजा पर एगो अधिवक्ता देशद्रोह के मुकदमा दायर कर दिहले बाड़न. दिग्गी के हमेशा के आदत रहल बा कि ऊ राष्ट्रविरोधी ताकतन का जी हुजूरी में लागल रहेलें. मामिला के सुनवाई १० मई के होखे वाला बा. ओने कांग्रेस के बलिया जिला शाखा के एगो पदाधिकारी अली औसद कहले बाड़न कि दिग्विजय सिंह अगर ओसामा के दफन का बदले लावारिस पड़ल लाशन के अंतिम संस्कार का बारे में चिन्ता देखवतन, आतंकियन का घरे गइला का बदला आतंकियन के मारल लोगन का घरे जइतन त देश समाज आ पार्टी सभकर फायदा होखीत.
यूपी भाजपा नवहियन का भरोसे
अगिला साल होखे जा रहल यूपी विधानसभा चुनाव में भाजपा के माहौल बनावे खातिर भाजपा के युवा ब्रिगेड मोर्चा सम्हारे जा रहल बा. आवे वाला दिनन में “एक दौड़ भ्रष्टाचार का खिलाफ” आ गाँवेगाँव पदयात्रा का जरिये भाजपा खातिर माहौल बनावे के योजना बा, ओकरा कार्यक्रमन में पार्टी के प्रमुख प्रदेश नेता आ केन्द्रीय नेता लोग शामिल होखी. कई जगहा युवा मोर्चा के अनुराग ठाकुर खुदे जा के नेतृत्व करीहें.
बसपा विधायक के उमिर कैद
एगो इंजीनियर मनोज गुप्ता के पीट पीट के निर्दयी तरीका से हत्या कर देबे वाला औरेया के बसपा विधायक शेखर तिवारी आ ओकरा नौ गो साथियन के उमिर कैद के सजा सुनावल गइल बा. एकरा अलावे सभका पर अड़सठ अड़सठ हजार के जुर्मानो लगावल गइल बा जवना के आधा हिस्सा मराइल इंजीनियर के पत्नी के दिहल जाई. विधायक के पत्नी के साबूत मिटावे के कोशिश का आरोप में अढ़ाई साल के जेल के सजा मिलल बा. सजायाफ्ता मुजरिमन में ओह थाना के दारोगो शामिल बा जवना के बाद में निलंबित कर दिहल गइल रहे. दारोगा पूरा कोशिश कइले रहे कि विधायक बाच जासु आ इंजीनियर के मौत के दुर्घटना साबित कर दिहल जाव.
पटना में पाँच दिन के “एकान्त के रग” समारोह
पटना के कालिदास रंगालय में पाँच दिन के नाटक महोत्सव चल रहल बा जवना के नाम दिहल गइल बा “एकान्त के रंग”. एह महोत्सव में तीन मई के दिल्ली के मशहूर रंगकर्मी महेश आनन्द के अकेला अभिनय वाला प्रस्तुति से शुरुआत भइल रहे. चार मई का दिने परवेज अख्तर का निर्देशन में भीष्म साहनी के नाटकन के प्रस्तुति मोना झा, जावेद अख्तर आ विनोद कुमार कइले. पाँच मई के सबेरा आ अकेली औरत नाम के दू गो नाटक के मंचन कइल गइल आ छह मई के परम शर्मीला आ समझौता नाम के दू गो नाटक पेश कइल गइल. आजु नसीरुद्दीन शाह के ग्रुप आपन नाटक पेश करी जवना में नसीरुद्दीन शाह के बेटी हीबो शामिल होखीहें. आजु समापनो हो जाई एह महोत्सव के.
पंचायत चुनाव के छठवाँ चरण पूरा
काल्हु बिहार पंचायत चुनाव के छठवाँ चरण छिटपुट घटना का साथे पूरा हो गइल. काल्हु का वोटिंग में बासठ फीसदी से बेसी मतदान के खबर बा. काल्हु नाहियो त एक हजार आदमी गिरफ्तार कइल गइले आ एक लाख रुपिया के अवैध धन बरामद भइल. दु सौ से बेसी सवारी वाहनो के जब्त कइल गइल.
मुकुल वासनिक के कोर्ट में हाजिर होखे के आदेश
कांग्रेस के केन्द्रीय नेता मुकुल वासनिक के मुजफ्फरपुर के एगो अदालत मुकदमा के अगिला तारीख पर हाजिर होखे के आदेश दिहले बिया. अगर ना अइलें त उनुका खिलाफ ननबेलेबुल वारंट जारी कर दिहल जाई. मुकुल वासनिक पर आरोप बा कि पिछला विधानसभा चुनाव में कांग्रेस पार्टी के टिकट देबे खातिर लाखो रुपिया नाजायज लिहल गइल रहे आ ओकरा बावजूद टिकट ना दिहल गइल आ रुपयो वापिस ना भइल.
यूपी के निकाय चुनाव अब राजनीतिक दलन के चुनाव चिह्न पर होखी
उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश के असंवैधानिक करार देत इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश के रद्द कर दिहले बा, पिछला साल सरकारी गजट में आदेश प्रकाशित भइल रहे कि निकाय चुनाव में राजनीतिक दल के चुनाव चिह्न ना इस्तेमाल कइल जाई जवना का खिलाफ एगो स्वंय सेवी संगठन पीयूसीएल याचिका दायर कइले रहे. ओही याचिका पर कोर्ट आपन फैसला दिहले बा.
पिपराइच विधानसभा क्षेत्र के उपचुनाव के काल्हु मतदान
गोरखपुर के पिपराइच विधानसभा क्षेत्र में काल्हु आठ मई के मतदान करावल जाई. काल्हु साँझ से चुनाव प्रचार बन्द हो गइल बा. चुनाव पर नजर राखे खातिर पचास गो वीडियो आ एक सौ इकावन गो स्टिल फोटोग्राफी टीम लगावल जाई. दू सौ एक मतदान केन्द्र बनावल गइल बा. एहिजा स्व।विधायक के पत्नी के सपा आपन उम्मीदवार बनवले बिया आ मुकाबिला सपा आ भाजपा का बीच बा. बसपा आ कांग्रेस एह चुनाव में आपन उम्मीदवार नइखे दिहले.