web analytics

खबर एक नजर में (10 मई 2011)

रामजन्मभूमि के जमीन बँटवारा पर रोक

काल्हु सुप्रीम कोर्ट इलाहाबाद हाई कोर्ट के ओह फैसला पर रोक लगा दिहलसि जवना में अयोध्या के विवादित जमीन के तीनो फरीक में बाँट दिहल गइल रहे. सुप्रीम कोर्ट अचरज जतवलसि कि जब कवनो फरीक बँटवारा के माँगे ना कइले रहे त कोर्ट अपना तरफ से बँटवारा के फैसला कइसे कर दिहलसि. अब सुप्रीम कोर्ट फेर से पूरा मामिला के सुनवाई करी जवना में अबही के हाल से कम से कम चार साल लाग सकेला. अलग बाति बा कि सुप्रीम कोर्ट एह मामिला के पहिले सुने के फैसला कर लेव जवना के उमेद ना के बराबर बा. सुप्रीम कोर्ट के फैसला से एह विवाद से जुड़ल सगरी लोग सहमत बुझात बा काहे कि केहू दोसरा के एको इंच जमीन देबे के विचार नइखे राखत. हालांकि सु्प्रीम कोर्ट का फैसला से अब मामिला फेर ओहिजे चहुँप गइल बा जहवाँ ई पैंतालिस साल पहिले रहुवे.

कोर्ट इहो कहले बा कि १९९३ का आदेश का मुताबिक रामलला के पूजा अर्चना ओही तरह होत रही जइसे हो रहल बा.


आनर किलिंग का मामिला में फाँसी के सजा दिहल जा सकेला

एगो दोसरा मामिला में काल्हु सुप्रीम कोर्ट नीचे के अदालतन के निर्देश दे दिहलसि कि इज्जत का नाम पर लड़िका लड़िकिन के जान ले लेबे वाला मामिलन के विरलतम अपराध मानत ओहमें फाँसी के सजा दिहल जा सकेला. सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि एह तरह के अपराध देश खातिर कलंक बा आ पुरनका जमाना के प्रथा बा जवना से मुक्ति मिले के चाहीं.


पश्चिम बंगाल के आखिरी दौर के मतदान आजु

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के छठवा आ आखिरी दौर के मतदान आजु हो रहल बा. साँझ बजे एक्जिट पोल के परिणाम आ जाई बाकिर ससपेंस त १३ मई ले बनले रही जवना दिने मतगणना होखे वाला बा. देश के पाँच गो राज्य विधानसभा के एह चुनावन के आगे आवे वाला चुनावो पर असर पड़े वाला बा.


बिहार पंचायत चुनाव के सातवाँ दौर के मतदान

काल्हु बिहार पंचायत चुनाव के सातवाँ दौर के मतदान करावल गइल. तोरसठ फीसदी मतदान होखे के खबर बा. कटिहार, किशनगंज, नवादा, नालन्दा, औरंगाबाद, आ रोहतास में काल्हु मतदान करावल गइल जवना से ९०७ गो पंचायतन के प्रतिनिधि चुनल जइहें. काल्हुवे से मतगणनो के दौर शुरु हो गइल बा. मतगणना आठ दौर में करावल जाई आ महीना के आखिर ले मतगणना के दौर रुक रुक के चलत रही.


भाजपा मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन

काल्हु दिल्ली में भाजपा शासित राज्यन के मुख्यमंत्रियन के दू दिन के सम्मेलन शुरु भइल जवना में देश के राजनीतिक हालात पर विचार कइल गइल आ एह राज्यन में चलावल जा रहल कल्यानकारी योजना के जायजा लिहल गइल. भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहलन कि लोग के आकांक्षा पर खरा उतरल आ पारदर्शी कुशल शासन दिहल सभ लोग के प्राथमिकता होखे के चाहीं.


नोएडा के किसान आन्दोलन जारी
भू अधिग्रहण का खिलाफ नोएडा आ अगल बगल का इलाकन में चल रहल किसान आन्दोलन काल्हु मोटामोटी शान्त रहल बाकिर राजनीति के बोलबाला रहल. राज्य के सगरी विपक्षी दल एह मामिला में एकजुट हो गइल बाड़े आ मुख्यमंत्री मायावती के इस्तीफा माँगल जा रहल बा. जबकि मायावती सरकार के कहना बा कि एह आन्दोलन के भूमि अधिग्रहण से कवनो मतलबे नइखे आ राजनीति का चलते किसानन के बहकावल जा रहल बा. काल्हु एह आन्दोलन में चहूंपे वाला अजीत सिंह आ राकेश टिकैत के गिरफ्तार कर लिहल गइल आ बाद में छोड़ दिहल गइल.


पटना बख्तियारपुर राजमार्ग पर महाजाम

पिछला पाँच दिन से पटना बख्तियारपुर राजमार्ग पर जाम लागल बा जवन खतम होखे के नाम नइखे लेत. करीब चालीस किलोमीटर लमहर एह जाम के महाजाम के संज्ञा दे दिहल गइल बा. जाम के एक छोर से दोसरा छोर तक चहुँपल असंभव जइसन हो गइल बा. प्रशासन चाहत बा कि लोग ओवरटेकिंग ना करे आ कतार में रहि के आगा जाव. बाकिर लोग मानत नइखे. लमहर जाम लोग के मनोदशा खराब कर दिहले बा आ एक दोसरा के ओवरटेक करे का चलते जाम अउरो जाम होखल जात बा.


महिला मुक्केबाजी में स्वर्णपदक जीतली मैरीकॉम

भारत के महिला मुक्केबाज एम॰सी॰ मैरीकऌम काल्हु चीन में चल रहल ए॓शियन कप महिला मुक्केबाजी का ४८ किलो वर्ग का फाइनल में किम योंग सिम के चार तीन से हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहली दोसर मुक्केबाज पवित्रा ५७ किलो वर्ग का फाइनल में हार गइली आ उनुका रजत पदक से संतोष करे के पड़ल.


हॉकी प्रतियोगिता में भारत के दुसरका जीत

मलेशिया में चल रहल सुल्तान अजलान शाह हॉकी प्रतियोगिता में भारत काल्हु मलेशिया के पाँच दू से हरा के दोसरका जीत हासिल कइलसि. अब ले भइल चार गो मैच में भारत दू गो मैच जीत चुकल बा. अब बुध का दिने भारत के मुकाबिला पाकिस्तान से होखे वाला बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: