आजु सीबीएसई के रिजल्ट
आजु सीबीएसई के बारहवीं के रिजल्ट सबेरे दस बजे आवे वाला बा. एह रिजल्ट के नीचे दिहल लिंक पर क्लिक कर के देखल जा सकेला.
रिजल्ट्स
सीबीएसई
सीबीएसईरिजल्ट्स
मुआविजा के राजनीति
कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी के दखल का बाद केन्द्र सरकार भट्टा परसौल में मुआविजा के राजनीति कइले बिया. एलान भइल बा कि गम्हीराह घवाहिल लोगन के पचास पचास हजार आ कम घवाहिल लोग के दस दस हजार रुपिया के वित्तीय सहायता दिहल जाई. ओने राष्ट्रीय महिला आयोग एह बाति पर कायम बा कि भट्टा में औरतन का साथ खराब काम भइल रहे. कहले बा कि अगर औरतन का सामने कैमरा लगा के पूछल जाई त के सकारी. आयोग सबका से गोपनीय तरीका से पूछलसि त बात सामने आइल बा. मायावती सरकार के आरोप बा कि महिला आयोग कांग्रेस के सहयोगी शाखा का तरह काम कर रहल बिया.
रेल आ बोलेरो का टक्कर में अठारह लोग के मौत
काल्हु बिहार का मधुबनी जिला में एगो मानव रहित रेल फाटक पार करत बोलेरो से गरीब रथ एक्स्प्रेस के टक्कर हो गइल जवना चलते जीप पर सवार अठारह लोग के मौत हो गइल. जीप पर सवार लोग गाँव के मुखिया के विजय जुलूस में जात रहुवे. बिहार सरकार अपना तरफ से एह दुर्घटना में मराइल लोग के परिवार के डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया के मुआविजा देबे के एलान कइले बिया आ रेलवहू से मुआविजा देबे के निहोरा कइलसि. जवना का बाद रेलवे का तरफ से दू दू लाख के मुआविजा के एलान भइल बा. घवाहिल लोग के रेलवे पचास पचास हजार रुपिया दी.
बीएड प्रवेश परीक्षा के प्रवेश पत्र
दू जून के होखे वाला बी॰एड॰ संयुक्त प्रवेश परीक्षा में लगभग सवा पाँच लाख परीक्षार्थी शामिल होखे वाला बाड़े. परीक्षा करावे वाला रुहेलखंड विश्वविद्यालय के रजिस्ट्रार कहले बाड़न कि जिनका अबही ले प्रवेश पत्र नइखे मिलल ओ लोग विश्वविद्यालय के वेबसाइट से एकरा के डाउनलोड कर सकेले. जवना के अपना परीक्षा केन्द्र वाला जिला के जिलाधिकारी कार्यालय से ओह प्रवेश पत्र के प्रमाणित करावे के पड़ी. एकरा खातिर ओह लोग के दू सौ रुपिया के ड्राफ्ट विश्वविद्यालय के वित्त अधिकारी का नाम से जमा करावे के पड़ी. इहे कहल जाला करे केहू भरे केहू. गलती आ कमी विश्वविद्यालय के बा बाकिर हरजाना भरे के पड़ी परीक्षार्थियन के. छीः !
कांग्रेसी नेता के सड़क दुर्घटना में मौत
यूपी प्रदेश कांग्रेस के उपाध्यक्ष धीरेन्द्र नाथ सिंह के काल्हु बाराबंकी जिला में भइल सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल जबकि ड्राइवर घवाहिल हो गइल बा. धीरेन्द्र सिंह फैजाबाद से लखनऊ जात रहले जब रामसनेही घाट थाना का इलाका में बरेला गाँव के लगे एगो ट्रक से उनकर कार टकरा गइल. मृत नेता के शव उनका जिला सुल्तानपुर ले जाइल गइल बा.
212 total views, 2 views today