खबर एक नजर में (30 मई 2011)

गोपालगंज मंडल कारा में डाक्टर के हत्या

अतवार के साँझ गोपालगंज के मंडलकारा के डाक्टर भूदेव सिंह के कुछ कैदी पीट पीट के मुआ दिहलन स. डाक्टर एगो बीमार कैदी के देखे खातिर जेल में आइल रहले जब उनुका पर कैदियन के एगो गिरोह हमला कर दिहलसि आ बेरहमी से पीट पीट के मार दिहलन स. मुख्यमंत्री एह घटना के जल्दी जाँच करे के निर्देश दिहले बाड़न. अबहीं ई पता नइखे चलल कि हत्या के कारण का रहुवे.


आयकर सर्वे टीम अब कुछ जब्त ना कर सकी

केन्द्रीय प्रत्यक्ष आयकर बोर्ड निर्देश जारी कइले बा कि अब जब आयकर के सर्वे टीम कवनो व्यवसायी का ठिकाना पर जाई त सबसे पहिले ऊ अपना मुख्य अधिकारी के नाम आ मोबाइल नम्बर दी. टीम का लगे मुख्य आयुक्त, आयुक्त, अतिरिक्त आयुक्त, आ संयुक्त आयुक्त के मोबाइल आ लैंडलाइन फोन नंबर वाला सूची राखे के होई जवना के ऊ करदाता के सँउपिहें. सर्वे में ऊ कुछ जब्त ना कर सकीहें आ व्यवसायी के आवास में ना जइहें. विभाग के ई फैसला कारोबारियन का शिकायत पर भइल बा कि आयकर वाले डरा धमका के वसूली करेले.


बिहार के विशेष राज्य के दर्जा ना दिहल जाई

मोंटेक सिंह अहलूवालिया काल्हु पत्रकारन से बात करत बतवले कि आजु हो रहल पाँच राज्यन के क्षेत्रीय समूह में बिहार के विशेष राज्य के दर्जा पर कवनो विचार ना कइल जाई. एह बईठक में एह पाच राज्यन के बुनियादी जरुरत आ समस्या पर विचार कइल जाई.


करिया धन के हिसाब लगावे खातिर अध्ययन दल

देश में कतना करिया धन बा एकर हिसाब लगावे खातिर केन्द्र सरकार देश के तीन गो प्रतिष्ठित संस्थानन, राष्ट्रीय लोक वित्त और नीति संस्थान, नेशनल इंस्टीच्यूट आफ फाईनेंशियल मैनेजमेंट, आ नेशनल काउन्सिल आफ अप्लाइड ईकानामिक रिसर्च, के एकर जिम्मा सँउपले बिया.


मास्टर साहब लोग के इम्तिहान लिहल जाई

बिहार के उच्च माध्यमिक आ माध्यमिक स्कूलन में तीन साल से बेसी से पढ़ा रहल शिक्षकन के दक्षता जाँचे खातिर १२ जून के एगो इम्तिहान लिहल जाई. जे लोग ई परीक्षा पास कर ली ओह लोग के विशेष वेतनवृद्धि दिहल जाई.


चन्दौली में बसावल जाई नयी काशी

चन्दौली जिला के मुगलसराय में नयी काशी बसावे खातिर तीन सौ हेक्टेयर भूमि के अधिग्रहण करे के काम चल रहल बा. चन्दौली के जिलाधिकारी के कहना बा कि कवनो किसान के जमीन ओकरा सहमति का बिना ना लिहल जाई, ओने किसान संघर्ष समिति के कहना बा कि प्रशासन एकर लिखित आश्वासन देव. कटेसर गाँव में काल्हुओ धरना प्रदर्शन जारी रहल. जमीन कटेसर आ कोडोपुर गाँव से लिहल जाई.


सड़क दुर्घटना में आठ जने के मौत

काल्हु बनारस जौनपुर मार्ग पर काजी सराय बड़ा गाँव का लगे एगो ट्रक आ मैजिक के टक्कर में आठ लोग के मौत हो गइल. ट्रक नो इंट्री जोन में रहे आ मैजिक ओवर लोड. पन्द्रह सवार घवाहिल भइल बाड़े. मैजिक ड्राइवर के मौके पर मौत हो गइल जबकि ट्रक के ड्राइवर फरार हो गइल.


नेपाल में संविधान संशोधन हो गइल

पड़ोसी देश नेपाल में काल्हु संवैधानिक संकट से उबरे के राह आखिरी घड़ी में निकालल गइल आ संविधान सभा के कार्यकाल तीन महीना खातिर बढ़ा दिहल गइल. अब प्रधानमंत्री झालानाथ खलन इस्तीफा दे दीहें आ दोसरा के प्रधानमंत्री बनावल जाई. नेपाल के समस्या ई बा कि ओहिजा माओवादी बड़हन संख्या में जीतल बाड़े आ ओह लोग के दोसरा से पटत नइखे जवना चलते कवनो समूह नइखे बन पावत बहुमत वाला जे संविधान बनावे के काम कर सको.