Archives for June 2011
पूर्णिया से भाजपा के जीत काल्हु भइल मतगणना का बाद पूर्णिया विधानसभा सीट के उपचुनाव में भाजपा उम्मीदवार किरण केसरी कांग्रेस उम्मीदवार रामचरित्र यादव के तेईस हजार छह सौ पैंसठ वोट से हरा के जीत गइली. माकपा के अमित सरकार तिसरका जगहा पर रहलन बाकिर उनुका मात्र सत्रह हजार एक सौ तेरह मत मिलल. कांग्रेस
हम एह सरकार के प्रधानमंत्री हईं आ हमरा के… …ई बाति कहे के सोनिया जी अनुमति दे दिहले बाड़ी. जवन कुछ भी हो रहल बा ऊ सब हमरा देखरेख में. आ हम अबहीं प्रधानमंत्री बनल रहब काहे कि सोनिया जी के समर्थन हमरा मिल रहल बा. कुछ अइसने निष्कर्ष निकल के आइल बा प्रधानमंत्री आ
चोट दे के मरहम लगावे के नौटंकी केन्द्र सरकार पहिले त डीजल, किरासन, आ रसोई गैस के दाम में बढ़ोतरी कर दिहलसि आ अब अपनही राजनीति के नौटंकी में लागल बिया. राज्य सरकारन से कहल जा रहल बा कि ऊ लोग पेट्रोलियम उत्पाद पर लगावल कर में कटौती करे. जबकि एहपर सबले बेसी कर भार
डा॰ सचान के हत्या के मुकदमा दर्ज आखिरकार लखनऊ पुलिस मन मार के डा॰ सचान के हत्या के मुकदमा दर्ज कर लिहलसि. डा॰ सचान के पत्नी का तहरीर पर मुकदमा लिखल गइल. बेटा संकल्प सचान के कहना बा कि ओकरो आ पूरा परिवार के जान पर खतरा बा आ ऊ प्रशासन से अपना परिवार खातिर
सरकार डीजल किरासन रसोई गैस के दाम बढ़वलसि काल्हु केन्द्र सरकार का फैसला का बाद रसोई गैस के दाम में पचास रुपिया हर सिलिण्डर पर, डीजल तीन रुपिया हर लीटर पर, आ जन वितरण प्रणाली के किरासन तेल पर दू रुपिया हर लीटर पर बढ़ा दिहल गइल बा. डीजल के दाम बढ़ला का बाद बाजार
कैबिनेट सचिव का मुँह से निकलिये गइल डा॰ सचान के हत्या के बातk काल्हु प्रेस से बतियावत मे यूपी के कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह का मुँह से निकलिये गइल कि डा॰ सचान के हत्या के खबर सुनते बाकिर फेर पत्रकारन के टोकला पर ऊ अपना बाति के सुधार लिहलन. विरोधी दलन के सीधा आरोप
हत्यारोपी डाक्टर सचान के जान गइल लखनऊ के दू दू गो सीएमओ के हत्या करवावे का आरोप में जेल में बन्द डा॰ वाई॰ एस॰ सचान के काल्हु जान चल गइल. कइसे, काहे पर सवाल उठावल जा रहल बा. पुलिस के कहना बा कि ऊ खुदकुशी कर लिहले. भाजपा माँग कइले बिया कि एह मामिला के
लोकपाल पर एकराय ना बन पावल अपना जिद्द पर अड़ल सरकारी पक्ष आ सिविल सोसाइटी के टीम का चलते लोकपाल बिल पर एक राय ना बन सकल. सरकारी पक्ष के मंसा बा कि नखदंतविहीन लोकपाल बनावल जाव जबकि सिविल सोसाइटी के लोग चाहत बा कि ऊ बहुत शक्तिशाली होखे. काल्हु साँझ के आखिरी बइठका का
बाबा रामदेव के आयोजन पर पुलिस हमला के सुनवाई आजु देश के सुप्रीम कोर्ट दिल्ली पुलिस के दिहल ओह हलफनामे पर आजु विचार करी जवना में पुलिस एह बात से इंकार कइले बिया कि ऊकवनो तरह के बल प्रयोग कइले रहे. कोर्ट पुलिस से ओह ४२ गो सीसीटीवी कैमरा के जमा करावे के कहले बिया
भ्रष्टाचार के विरोध में जुलूस निकाले वाल लोग गिरफ्तार केन्द्र सरकार तय कर लिहले बिया कि अब केहु के भ्रष्टाचार का खिलाफ कवनो तरह के आन्दोलन, प्रदर्शन, धरना, अनशन ना करे दिहल जाई. काल्हु दिल्ली का राजघाट से निकलल अइसनके एगो जुलूस के, जवना के नेतृत्व गोविन्दाचार्य करत रहले, जंतर मंतर चहुँपे से पहिलही रोक
लखनऊ के डिप्टी सीएमओ करवले रहे सी॓मओ के हत्या अपना करोड़ो के घोटाला के नियमित करावे खातिर लखनऊ के डिप्टी सीएमओ डा॰ वाई॰ एस॰ सचान पहिले सी॰एम॰ओ॰ डा॰ विनोद आर्य के हत्या करवलसि. बाद में आइल डा॰ बी॰पी॰सिंहो जब ना मनलें त उनुकरो हत्या करा दिहलसि. पहिलका हत्या में जाँच ओकर कुछ ना बिगाड़ पवले
बतिया पंचे के रही खूँटवा रहिये पे रही लोक पाल बिल के मसविदा बनावे वाली समिति में सरकारी पक्ष आ सिविल सोसाइटी के पक्ष अपना अपना जिद्द पर अड़ल रह गइल जवना चलते एक मत से कवनो मसविदा ना बनावल जा सकल. एकरा बावजूद गृहमंत्री के बयान आइल बा कि सरकार एगो बढ़िया आ बरियार
सबसे लमहर चन्द्रहण देखल गइल बुध का रात एह सदी के सबले लमहर चन्द्रग्रहण देखल गइल जवन कि डेढ़ घंटा से बेसी ले चन्द्रमा के ओझल बना के रखलसि. कई जगहा बदरी लगला का चलते लोग एह भौगोलिक घटना के बढ़िया से ना देख सकल. चन्द्रग्रहण के वैज्ञानिक व्याख्या का बावजूद लोग आपन धार्मिक आस्था
एह सदी के सबले लमहर चन्द्रग्रहण आजु आजु रात १२ बज के ५० मिनट से शुरु होखे वाला चन्द्रग्रहण १०० मिनट तक रही. चन्द्रग्रहण के शुरुआत रात एगारह बज के बावन मिनट से शुरु हो जाई आ तीन बज के बत्तीस मिनट ले रही. एह सदी के ई सबले बड़हन चन्द्रग्रहण होखे जा रहल बा.
लोकसभा स्पीकर पीएसी के रिपोर्ट लवटा दिहली टूजी घोटाला का मामिला में दाखिल लोक लेखा समिति के ओह रिपोर्ट के लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार लवटा दिहले बाड़ी जवना में प्रधानमंत्री कार्यालय के एह मामिला में लिप्त बतावल गइल रहे. लोक लेखा समिति में कांग्रेस अपना समर्थकन का साथे पूरा कोशिश कइले रहे कि समिति के
चउवालीस गो टॉपरन में चालीस गो लड़िकी बिहार के कला संकाय इंटर रिजल्ट में लड़िकी सब आपन कमाल देखा दिहले बाड़ी सँ. उपर के पन्द्र स्थान पर आवे वाला चउवालीस गो परीक्षार्थियन में चालीस गो लड़िकी बाड़ी सँ. सर तुलसी कॉलेज कटिहार के छात्रा प्रणिता सरीन पहिला जगहा पर बाड़ी. कला संकाय में अठासी फीसदी
बाबा के अनशन टूट गइल करिया धन का खिलाफ पिछला नौ दिन से अनशन पर बइठल बाबा रामदेव के अनशन साधु संतन खास करिके श्री श्री रविशंकर का कहला पर टूट गइल. आजु डाक्टर लोग के कहना रहल कि बाबा के स्वास्थ्य के कवनो खतरा नइखे काहे कि उनुका के टोटल पैरेन्टेरल न्यूट्रिशन दिहल जा
बाबा रामदेव के जबरिया भरती करावल गइल करिया धन का खिलाफ खटवास पटवास धइले बाबा रामदेव के तबियत काल्हु खराब हो गइल त उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल आ ग्लूकोज चढ़ा के उनुकर तबियत सुधारल गइल. देह में ग्लूकोज का कमी से ऊ अर्धबेहोशी का हालत में आ गइल रहले. हालांकि अस्पताल में
सीबीएसई के बिहार झारखण्ड के मैट्रिक के रिजल्ट सीबीएसई के बिहार झारखण्ड के दसवीं क्लास के रिजल्ट आजु प्रकाशित हो रहल बा. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर कला के रिजल्ट काल्हु जारी होखी. यूपी बोर्ड आजुवे आपनो मैट्रिक के रिजल्ट घोषित करे वाला बा. शिक्षक पात्रता परीक्षा बिहार में शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म
देश पारदर्शिता के दौर से गुजर रहल बा, कहलन एंटोनी केन्द्र सरकार में निर्विवाद रुप से ईमानदार रक्षा मंत्री ए॰के॰ एंटोनी के कहना बा कि देश पारदर्शिता के दौर से गुजर रहल बा जवना के रोकल ना जा सके. कहलन कि राजनीतिज्ञ, अधिकारी वर्व, व्यवसायी वर्ग, सशस्त्र सेना, आ प्रमुख पद पर नियुक्त बहुत लोग
Older Posts››