web analytics

खबर एक नजर में (1 जून 2011)

अग्निवेश का खिलाफ बाड़े साधु समाज

अन्ना हजारे के साथी बनल आ गेरुआ वस्त्र पहिरे वाला आर्यसमाजी नेता अग्निवेश पिछला दिने हिन्दू तीर्थन का बारे में आपत्तिजनक टिप्पणी कइले बाड़े जवना पर साधु संतन के शीर्ष संस्था अखिल भारतीय अखाड़ा परिषद तय कइले बिया कि अग्निवेश के अगिला हफ्ता प्रयाग में शुरु हो रहल कुंभ मेला में ना घुसे दिहल जाई. परिषद अन्ना हजारे से अपील कइले बिया कि अइसनका लोग के अपना से अलगा राखसु.


राजीव का बाद राजीव पायलट बने वाला दुसरका नेता

राजीव गाँधी का बाद देश के एगो अउरी नेता पूरा पायलट बन गइल बाड़न. भाजपा के वरिष्ठ नेता राजीव प्रताप रुढ़ी के एगो कंपनी आपन अधिकारी आ एयरबस के कमांडर बना लिहले बिया.


डाक्टर लोग अब जेल का वार्ड में ना जाई

गोपालगंज में डाक्टर भूदेव सिंह के कैदियन का हाथे भइल हत्या का बाद सरकार तय कइले बिया कि अब से जेल डाक्टर वार्ड में ना जइहे. बीमार कैदिये के स्ट्रेचर पर जेल अस्पताल में ले आवल जाई. अगर कबो बहुते जरुरी हो गइल तबहिये डाक्टर पूरा सुरक्षा का साथे वार्ड में जइहे. सरकार आहो तय कइले बिया कि जवन जेल शहर से दूर बा ओहिजा एगो स्थायी एंबुलेंस के इन्तजाम कइल जाव.


चंदौली के किसान आंदोलन एक महीना टार दिहल गइल

चंदौली के जिलाधिकारी एसडीएम धारा चार आ छह के रद्द करे के लिखित संस्तुति प्रशासन के कइले बाड़े जवना का बाद किसान आपन आंदोलन एक महीना खातिर टार दिहले. नयी काशी बनावे खातिर चंदौली जिला के मुगलसराय का लगे दू गो गाँव के जमीन लिहल चाहत बिया सरकार जवना के किसान विरोध कर रहल बाड़े.


बलिया में ट्रक जीप के टक्कर में चार जने के मौत

काल्हु बलिया बक्सर रोड पर बसंतपुर विद्युत उपकेन्द्र का सामने, बेरुआरबारी रोड पर के बसंतपुर गाँव ना, एगो ट्रक आ जीप के आमने सामने टक्कर हो गइल जवना से जीप पर सवार चार लोग के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले. भाड़ा के जीप टैक्सी चलावे वाला ड्राइवर अपना के कवनो कानून से उपर मानेले आ ट्राफिक पुलिस आपन सलामी ले के सगरी गैरकानूनी काम के अनदेखी कर देले. अधिकतर दुर्घटना एही चलते होली सँ.


पीएम ए सुप्रीम कोर्ट के लोकपाल से बाहर राखल जाव

योग गुरु, दवा व्यवसायी, आ राजनीतिक मन्सूबा राखे वाला बाबा रामदेव काल्हु कहले कि प्रधानमंत्री आ सु्प्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश के लोकपाल के दायरा से बाहर राखल जाव काहे कि ई दुनु पद बहुते गरिमावाला होला. एह बयान का बाद लोकपाल बिल खातिर आन्दोलन चलावे वाला केजरीवाल के कहना बा कि बाबा एकर बारीकी नइखन समुझत आ उनुका से भेंट कर के समुझावल जाई.


दिल्ली विश्वविद्यालय अब फेसबुक पर आइल

फेसबुक पर नवहियन के बड़हन मौजूदगी देखत दिल्ली विश्वविद्यालयो फेस बुक पर आ गइल बा जहाँ छात्रन के समस्या के त्वरित समाधान सुझावे के कोशिश कइल जाई. दिल्ली विश्वविद्यालय के प्रवेश, परीक्षा वगैरह के जानकारी अब फेसबुको पर दिहल जाई.


शाहिद अफरीदी क्रिकेट छोड़े के एलान कइलन

पाकिस्तानी क्रिकेट बोर्ड से विरोध का बाद ओहिजा के क्रिकेट खिलाड़ी शाहिद अफरीदी क्रिकेट खेलल छोड़ देबे के एलान कर दिहले बाड़न. बाकिर इहो कहले बाड़न कि अगर नया बोर्ड बन जात बा त ऊ अपना फैसला पर फेर से विचार करीहन.


सानिया मिर्जा सेमी फाइनल में

भारत के टेनिस सनसनी सानिया मिर्जा फ्रेंच ओपन में महिला युगल के सेमीफाइनल में चहुँप गइल बाड़ी. उनुकर जोड़ीदार बाड़ी रुस के एलेना वेस्नीना.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: