देश पारदर्शिता के दौर से गुजर रहल बा, कहलन एंटोनी
केन्द्र सरकार में निर्विवाद रुप से ईमानदार रक्षा मंत्री ए॰के॰ एंटोनी के कहना बा कि देश पारदर्शिता के दौर से गुजर रहल बा जवना के रोकल ना जा सके. कहलन कि राजनीतिज्ञ, अधिकारी वर्व, व्यवसायी वर्ग, सशस्त्र सेना, आ प्रमुख पद पर नियुक्त बहुत लोग अबहियो एकरा के माने के तइयार नइखन. एही चलते एह परिवर्तन के राह में समस्या आवत बा. मीडिया के सलाह देत एंटोनी कहलन कि ओकरा आपन सामाजिक जिम्मेदारी निभावत लोकतंत्र के कवच का तरह काम करत रहे के चाहीं. दोसरा तरफ गृहमंत्री अपना पुलिसिया कर्म के जायज ठहरावत मीडिया से अपना पर संयक राखे के सलाह दिहले बाड़े. उनुका शिकायत बा कि आन्दोलन के बेवजह बेसी तूल देत बिया मीडिया.स
आजादी के दुसरकी लड़ाई खातिर तइयार रहे के कहलन अन्ना
रामलीला मैदान पर अनशन करत सूतल लोग पर पुलिसिया अत्याचार का खिलाफ दिल्ली के राजघाट पर अनशन करत अन्ना हजारे कहलन कि सरकार लोकतंत्र के खिलाफ काम करत बिया आ हमनी के डरवावे में लागल बिया. बाकिर हमनी का डेरायब जा ना. अन्ना आरोप लगवलन कि एगो मंत्री उनुकर हत्या करवावे खातिर तीस लाख के सुपारी दिहले रहलन बाकिर सुपारी लेबे वाला अन्ना के हत्या करे से इन्कार कर दिहलसि. अन्ना सरकार के चेतवले कि अगर १५ अगस्त ले लोकपाल बिल लागू ना भइल त ऊ १६ अगस्त से फेर अनशन पर बइठीहें आ देश के लोग के गोहार लगवलन कि दूसरकी आजादी के लड़ाई लड़े खातिर सभे तइयार रहो.
कर चोरन पर नजर राखे खातिर तरीका खोजत बिया सरकार
भठियरपन का खिलाफ रोज रोज हो रहल आन्दोलन से परेशान केन्द्र सरकार आपन छवि सुधारे खातिर लीपा पोती में लागल बिया. पिछला महीना एगो समिति बनवले रहल जवना से करिया धन के जब्त कर के ओकरा के राष्ट्रीय संपत्ति बनावे के कानूनी ढाँचा के सुझाव माँगल गइल बा. अब एगो नया समिति बना दिहल गइल बा जवना से कर चोरावे वालन के पता लगावे, ओह लोग के नाम जगजाहिर करे आ बकाया कर वसूली के तौर तरीका खोजे के कहल गइल बा. सरकार अब कह सकेले कि ऊ करिया धन का खिलाफ काम करत बिया.
इज्जत का नाम पर जान लेबे वाला दस लोग के फाँसी
काल्हु एटा के एगो अदालत अक्टूबर २००८ में तीन लोग के हत्या का आरोप में दस जने के फाँसी के सजा सुनवलसि. जलेसर क्षेत्र के तिलखेसरा गाँव के एगो लड़िका उदयपाल गाँवे के एगो लड़की के ले के भाग गइल रहे. बाद में लड़िकी के बाप रमेश पाल लड़िकी का साथे ओह लड़िका आ ओकरा भाई के बालूखेड़ा गाँव में पकड़ लिहलसि आ अपना साथियन का मदद से तीनो के मारत पीटत अपना गाँवे ले आइल जहाँ ओह तीनो के गोली मार दिहल गइल. एह मामिला में एक दर्जन लोग पर मुकदमा चलल. एक आदमी के सुबूत का अभाव में छोड़ दिहल गइल आ एगो के एक साल के जेल के सजा सुनावल गइल. बाकी दस जने के फाँसी पर झुला देबे के आदेश दे दिहलसि अदालत.
बाबा रामदेव अब आपन सुरक्षाकर्मी बहाल करीहे
अनशन पर बइठल बाबा रामदेव काल्हु कहलन कि केहू के मारे खातिर ना बलुक अपना सुरक्षा खातिर ऊ एगारह हजार लोग के भर्ती करीहन जिनका के शास्त्र का साथे शस्त्रो के शिक्षा दिहल जाई. कहलन कि ई एहसे जरुरी हो गइल बा कि अब केहू उनकर आ उनुका आन्दोलन में शामिल लोगन के पिटाई ना कर सकी. रामदेव के एह बयान से उनुका विरोधियन, खास कर के केन्द्र सरकार के, एगो नया मुद्दा मिल गइल बा रामदेव के गलत साबित करे खातिर. बाबा रामदेव पर लागत नाजायज धन के आरोपन का जबाब में बाबा आजु साँझ अपना से जुड़ल हर संस्था के संपत्ति के घोषणा करे वाला बाड़न.
मास्टर बने खातिर लोग खोजले नइखे खोजात
देश में शिक्षकन के अतना बड़हन बहाली होखे जा रहल बा कि कुछ राज्यन में शिक्षक पद खातिर लायक लोग खोजले नइखे खोजात. अब केन्द्र सरकार कहले बिया कि राज्य सरकार अब शिक्षक पद पर न्यूनतम योग्यता का आधार पर बहाली कर सकेले बाकिर बहाल लोग के पाँच साल का भीतर पेशेवर योग्यता, माने कि डी॰एड॰ आ बी॰एड॰, हासिल कर लेबे के होई. ई छूट खास कर के पश्चिमबंगाल आ बिहार के दिहल गइल बा.
बख्तियारपुर में गंगापर पुल के शिलान्यास
काल्हु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बख्तियारपुर में बख्तियारपुर ताजपुर महासेतु जवना के कर्पुरीब्रिज कहल जाई, के शिलान्यास कइलन. बिहार में एकरा के लेके सात गो महासेतु पर काम चल रहल बा. सरकार के कोशिश बा कि राज्य का कवनो कोना से छह घंटा में पटना पहूँचल जा सके. बख्तियारपुर पुल बन गइला का बाद पटना के गाँधी पुल पर से दबाव कम होखी काहे कि तब उत्तर बिहार से दक्खिन बिहार भा झारखण्ड जाये वाली गाड़ियन के गाँधी सेतु पार करे के जरुरत ना रही.स
आन्ही पानी में दस जने के मौत
पिछला दु दिन में आइल आन्हीपानी से बिहार में दस लोग के मौत हो गइल बा.मधेपुरा में दू जने, वैशाली में तीन लोग, पटना दीघाघाट फतुहा आ भागलपुर में एक एक आदमी, आ पश्चिमी चंपारण जिला में दू लोग के मौत हो गइल बा. ई संख्या अबही बढ़ सकेले काहे कि मधेपुरा में चार लोग अबहियो लापता बाड़े.
खेल समाचार
त्रिनिडाड का क्वींस पार्क ओवल मैदान में भइल दुसरका एकदिना मैच में भारत वेस्ट इंडीज के चार विकेट से हरा दिहलसि.
थाईलैण्ड ओपन ग्रां प्री गोल्ड बैडमिंटन टूर्नामेंट में पी॰ कश्यप तिसरका दौर में आ सायना नेहवाल दुसरका दौर में चहुँप गइल बाड़ी.
320 total views, 3 views today