web analytics

खबर एक नजर में (22 जून 2011)

लोकपाल पर एकराय ना बन पावल

अपना जिद्द पर अड़ल सरकारी पक्ष आ सिविल सोसाइटी के टीम का चलते लोकपाल बिल पर एक राय ना बन सकल. सरकारी पक्ष के मंसा बा कि नखदंतविहीन लोकपाल बनावल जाव जबकि सिविल सोसाइटी के लोग चाहत बा कि ऊ बहुत शक्तिशाली होखे. काल्हु साँझ के आखिरी बइठका का बाद अन्ना हजारे बहुत निराश रहले. कहले कि सरकार चाहत बिया कि लोकपाल के एगो प्राधिकार जइसन बना दिहल जाव जवना से कवनो मकसद पूरा होखे वाला नइखे. अन्ना अबहियो एह जिद्द पर अड़ल बाड़े कि अगर सोलह अगस्त तक समुचिल लोकपाल विधेयक ना पेश भइल त ऊ आमरण अनशन करीहें. सरकारो तय करके बइठल बिया कि अन्ना के अनशन ना करे दिहल जाई.


बाबा रामदेव का खिलाफ सरकार हर चाल चल रहल बिया

बाबा रामदेव अबले जान गइल होखीहें कि योग सिखावत सिखावत राजनीति सिखावे के कोशिश उनुका कतना महँग पड़े जा रहल बा. केन्द्र सरकार अपना हर हाथ के रामदेव का खिलाफ लगा दिहले बिया. लक्ष्य एके गो बा कि रामदेव के खिलाफ जतना कुछ मसाला जुटावल जा सके जुटावल जाव आ रामदेव के नेस्तनाबूद कर दिहल जाव जेहसे फेर केहू कांग्रेसी भ्रष्टाचार का खिलाफ बोले के हिम्मत ना करो. दिग्गी राजा त इहाँ तक कह दिहले बाड़न कि रामदेव के सगरी संपत्ति सरकार अपना कब्जा में ले ली काहे कि ऊ मनी लांडरिंग से बनावल गइल बा.


सोनिया गाँधी के स्विस यात्रा पर सवाल उठावल जा रहल बा

हाल का दिन में सोनिया गाँधी का विदेश यात्रा पर एक हजार करोड़ रुपिया से बेसी खर्चा भइल बा. आरोप लगावल जा रहल बा कि सोनिया के निजीओ यात्रा का दौरान सगरी खरचा सरकार उठा रहल बिया. सोनिया के दामाद आ उनुका साथ जाये वाला कवनो आदमी के सामान के जाँच हवाई अड्डा पर ना होखेला काहे कि उनुका एहसे छूट दे दिहल गइल बा. हाल में सोनिया अपना पूरा अमला जमला का साथे स्विट्जरलैण्ड गइल रहली. उहाँ से लवटला का बाद स्विस सरकार एह बात के मान लिहलसि कि स्विस बैंकन में राखल करिया धन के जानकारी भारत के दिहल जा सकेला. शर्त अतने बा कि ऊ जनवरी २०११ का बाद राखल गइल होखे !


प्रणव मुखर्जी का खिलाफ जासूसी नइखे भइल

सितम्बर २०१० में खुद प्रणव मुखर्जी प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख के माँग कइले रहले कि उनुका कार्यालयन मे जासूसी उपकरन लगावे के मामिला के गुप्त जाँच करावल जाव. उनुका कार्यालय में तब सोलह जगहा अइसनका जासूसी उपकरण लगावे के संकेत मिलल रहे. अब प्रणव दा के बयान आइल बा कि कवनो तरह के जासूसी ना भइल रहे ! भाजपा एह बाति पर सवाल उठावत पूछले बिया कि का कारण रहे कि एह मामिला के जाँच एगो निजी एजेन्सी से करावल गइल. का प्रणवबाबू के गृहमंत्रालय के एजेंसियन पर भरोसा ना रहे ?


यूपी में महिला अपराध का खिलाफ कानून के अउर कड़ा बनावल जाई

हाल का दिन में यूपी में हो रहल महिला विरोधी अपराधन से परेशान मायावती काल्हु कहली कि राज्य सरकार एकरा खातिर कानून में संशोधन करी आ राज्यपाल से अध्यादेश जारी करवाई. महिला से छेड़छाड़ गैरजमानती अपराध बना दिहल जाई. बलात्कार के आरोपी के तबले जमानत ना मिली जबले साबित ना हो जाव कि ऊ निर्दोष बा. बलात्कार का मुकदमा में छह महीना का भीतर फैसला आ जाई,


यूपी सीईईई के काउन्सलिंग आजु से

प्रदेश के इंजीनियरिंग आ टेक्निकल कालेजन में प्रवेश खातिर आजु से काउन्सिलिंग शूरु हो जाई. हर केन्द्र पर २८५० गो विद्यार्थियन के काउन्सलिंग होई. एह चरण में सर्टिफिकेटन के जाँच होई आ फीस जमा करावल जाई. हर विषय खातिर एकेबार पाँच सौ रुपिया आ सीट लाकिंग खातिर पाँच हजार रुपिया जमा करावे के पड़ी.


मुजफ्फरपुर में कवनो अजान बीमारी से बच्चन के मौत

पिछला एक सप्ताह में मुजफ्फरपुर में कवनो अजान बीमारी का चलते तीस गो बच्चा मर चुकल बाड़े सँ. राज्य सरकार एह बीमारी के जाँच करावे खातिर केन्द्रीय टीम मुजफ्फरपुर भेजले बिया आ कहले बिया एह बीमारी से ग्रस्त हर बच्चा के इलाज आ दवाई के पूरा खरचा सरकार दीही.


राशन के दुकान के लाइसेंस अब कवनो आदमी का नाम से ना बनी

बिहार सरकार फैसला लिहले बिया कि अब से जन वितरण प्रणाली के दुकान के लाइसेंस कवनो आदमी के नाम से ना दिहल जाई. एकरा खातिर अब स्वयं सहायता समूह, सहकारी समिति, भा पैक्स के लाइसेंस दिहल जाई.


वेस्टइंडीज के पहिला पारी १७३ पर समेटाइल

पहिला पारी में २४६ रन बना के आउट भइल भारत जबाबी हमला में वेस्ट इंडीज के पहिलका पारी १७३ रन पर समेट दिहलसि. काल्हु दोसरका दिने खेल खतम होखे घरी ले भारतो के तीन गो विकेट आउट हो चुकल रहे आ भारत के १६४ रन के बढ़त मिल गइल रहे. क्रिकेट से जुड़ल दोसरा खबर में श्रीलंका प्रीमियर लीग में भारत के खिलाड़ियन के खेले पर लागल रोक हटवावे खातिर श्रीलंका बोर्ड बीसीसीआई से बात करे हिन्दुस्तान आवे वाली बा.


Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: