Archives for July 2011
काल्हु इंगलैण्ड का साथे हो रहल टेस्ट मैच में अपना पहिलका पारी में एक समय भारत चार विकेट का नुकसान पर २६६ रन बना लिहले रहुवे. बाकिर ओकरा बाद जे भहराये के शुरू भइल त तू चल हम आवते बानी वाला अंदाज में भारत के बल्लेबाज एक एक करके आउट होत गइले आ २७३ रन
कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा अपना पर लागल भठियरपन के आरोप आ भाजपा आलाकमान के निर्देश का बावजूद सौदेबाजी में लागल बाड़न आ इस्तीफा के मसला अझुरा के रखले बाड़न. बाकिर आजु बतावल गइल बा कि ऊ राज्यपाल से दुपहिरया एक बजे के बाद के कवनो समय मँगले बाड़न जब ऊ राज्यपाल के आॡन इस्तीफा सँउपिहे.
लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार काल्हु शुरू होखे जा रहल संसद सत्र से पहिले आजु सर्वदलीय बईठका बोलवले बाड़ी जवना में सभका से संसद के सुचारू रुप से चले देबे के कहल जाई, एह सत्र में सरकार ३२ गो नया विधेयक ले आवे वाली बा जवना में बहुसंख्यक विरोधी सांप्रदायिक हिंसा बिल, लोक पाल बिल, भूमि
केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि केन्द्र सरकार जनवरिये से भठियरपन का खिलाफ कार्रवाई में लागल बिया. सिविल सोसाइटी के लोग त अप्रेल में आन्दोलन शुरु कइल. कहलन कि अगर अन्ना के आपन ड्राफ्ट सबले बढ़िया लागत बा त उनुका चाहीं कि अपना समर्थक पार्टियन के ओकरा पर तइयार करवावसु आ ओकरा
बिहार का औरंगाबाद जिला में दाउदनगर प्रखंड के कई गाँवन में आसमान से बिजली गिरला से एगारह लोग के मौत होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन लोग एह ठनका में झँउस गइल बा. पसवाँ, जमुआवां, चिलकी अम्बा, बालाकरमा वगैरह गाँवन में बिजली गिरला के खबर बा. एक आदमी के मौत अरवल जिला के कलेर
रोहतास जिला के नौहट्टा थाना के बंडा गाँव में काल्हु नक्सली पाँच आदमी के मौत के घाट उतार दिहले आ बहुते लोग के घवाहिल कर दिहले, कैमूर अंचल विकास परिषद के जिलाध्यक्ष सुग्रीव सिंह खरवार के मकान में आग लगा दिहले सँ. अधिकतर मरे वाला लोग ओही घर के रहे. तीन जने के टाँगी से
यूपी सरकार के फैसला का बाद लखनऊ स्थित छत्रपति शाहूजी महाराज चिकित्सा विश्वविद्यालय के नियम में बदलाव कर दिहल गइल बा जवना का बाद राज्य के सगरी मेडिकल आ पारा मेडिकल कॉलेज एह विश्वविद्यालय से संबद्ध हो सकीहे. अबही अलग अलग विश्वविद्यालयन से संबद्धता का चलते एकरुपता नइखे. एक विश्वविद्यालय से संबद्ध हो गइला का
रालोद अध्यक्ष अजीत सिंह काल्हु बनारस में अपना पार्टी के चिन्तन शिविर के आखिरी दिने अपना संबोधन में कहले कि कांग्रेस पार्टी आ बसपा पूर्वांचल राज्य बनावे का बारे में कतनो बात करसु ओह पार्टियन के मन में पूर्वाचल राज्य बनावे के बात नइखे. अगर रहीत त पूर्वांचल राज्य पहिलही बन गइल रहीत. अजीत सिंह
काल्हु नोएडा भुमि अधिग्रहण से प्रभावित किसान आ नोएडा के सीईओ बलविन्दर कुमार का बीचे भइल बातचीत का बाद किसान आपन आन्दोलन तीन महीना ले रोक दिहले. किसानन के तीन गो माँग मान लिहल गइल बा मुआविजा बढ़ावे के माँग छोड़ के. अब प्रशासन विस्थापित लोग के अस्थायी बस्तियन के नियमित कर दी आ विकसित
आतंकवाद विरोधी दस्ता के अध्यक्ष एम एस बिट्टा गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के खुलेआम प्रशसा करत कहले बाड़न कि पंजाबो में कई गो फर्जी मुठभेड़ भइल रहुवे बाकिर अब ओहिजा शान्ति हो गइल बा. बिट्टा के कहना बा कि दबाव में कबो कबो पुलिसो से गलती हो जाले बाकिर ले दे गुजरात में आतकियन
केन्द्र सरकार शासन आ प्रशासन में अन्तर बतावत प्रशासन का सहयोग से अन्ना हजारे के अनशन पर रोक लगावल चाहत बिया. सरकार के जोकपाल बिल के रद्दी के टोकरी में फेंके लायक बतावे वाला अन्ना हजारे एह मुद्दा पर १६ अगस्त से दिल्ली का जंतर मंतर पर आमरण अनशन करे के एलान कइले बाड़े आ
नॉटिंघम के ट्रेंटब्रिज मैदान में हो रहल दुसरका भारत आ इंगलैण्ड टेस्ट मैच के पहिलका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम २२१ रन बना के आउट हो गइल. भारत ओकरा बाद अपना पहिला पारी में एक विकेट का नुकसान पर २४ रन बनवलसि. आज खेल के दुसरका दिन ह. काल्हु का मैच में श्रीसंथ इंगलैण्ड के
राजनीति के खेल बहुते गजब के होला. कुछ बिल्डरन के फायदा चहुँपावे खातिर कुछ सौ किसानन के नुकसान चहुँपावे वाली राजनीति देखते देखत पाला बदल लेले आ किसानन के हिमायती बन जाले. नोएडा में भइल भू अधिग्रहण के चालबाजी का बाद राहुल के राजनीति से किसान अचानके बेहिसाब फायदा में आ गइल बाड़े आ एब
भाजपा के हालत कांग्रेस जइसन बनल जात बा जे सत्ता के लोभ में हर तरह के काम कर सकेला. एक जमाना में बलराज मधोक, शंकर सिंह वाघेला, गोविन्दाचार्य, आ कल्याण सिंह जइसन लोग के पार्टी के बाहर के रास्ता देखा चुकल भाजपा आजु एगो भठियरपन के आरोपी मुख्यमंत्री का सोझा तन के खड़ा होत नइखे
एक जमाना में लालू प्रसाद के खासमखास रहल शकील अहमद खान अब नीतीश कुमार का पँजरा आ गइल बाड़न. काल्हु ऊ नीतीश कुमार का मौजूदगी में जदयू के सदस्य बनलन आ नीतीश कहलन कि शकील अहमद का अइला से जदयू अउरी मजबूत हो गइल. नीतीश कुमार सावधान ना रहीहन त हो सकेला कि कवनो दिने
यूपी पुलिस में दारोगा पद पर प्रोन्नति लेबे खातिर सिपाहियन के दस किलोमीटर ले दउड़ावे वाला परीक्षण कई सिपाहियन खातिर मौत के सनेसा ले के आइल. प्रोन्नति के एह दौड़ के लोग अब मौत के दौड़ कहे लागल बा. काल्हू पुलिस महानिदेशक आदेश दिहले कि अब से एह दौड़ का समय डाक्टर के मौजूदगी अनिवार्य
पटना हाई कोर्ट बिहार के सीबीएसई बारहवीं परीक्षा में ढेरे विद्यार्थियन के गणित में फेल होखे के मामिला पर गंभीर रुख अख्तियार कइले बिया. अब कोर्ट तीन गो सदस्य वाली एगो समिति बना दिहले बिया जवन उत्तरपुस्तिका के जाँच में भइल गड़बड़ियन के जाँच करी
केन्द्रीय मंत्रीमण्डल काल्हु अपना बईठक में अन्ना हजारे आ उनुका सहयोगियन का तरफ से पेश ड्राफ्ट पर विचार तक ना कइलस आ सरकारी पक्ष के ड्राफ्ट के कुछ विचार विमर्श का बाद सकार लिहलसि. अब इहे ड्राफ्ट संसद में पेश कइल जाई. सरकारी ड्राफ्ट सकारे के खबर सामने अइला का बाद अन्ना, उनुकर सहयोगी, आ
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु पत्रकारन से बतियावत में कहले कि भगवान लालू के बुद्धि देसु. लालू के ई कहला पर कि ऊ अब जनता से पूछीहें कि उनुका के काहे हरवलसि नीतीश कहले कि जनता से पूछला से पहिले अपने से पूछसु कि जनता काहे हरवलसि. बिहार सरकार पर लालू के बयान के
काल्हु सिवान के सिविल सर्जन बसंतपुर में छापामारी कर के जनता हास्पीटल के नाम से चलावल जा रहल नर्सिंग होम पर ताला लगवा दिहले आ ओह अस्पताल के संचालक डा॰ ए॰के॰साह का खिलाफ थाना में एफआइआर लिखववलन. ई अस्पताल पिछला आठ साल से चलत रहुवे. गजियापुर में एगो दोसरा डाक्टर सुभाष का क्लिनिको पर छापा
Older Posts››