web analytics

खबर एक नजर में (5 जुलाई 2011)

नियोजन मेला में सपना साकार

काल्हु छपरा हवाई अड्डा मैदान पर लगावल नियोजन मेला में पचीस गो कंपनियन के स्टाल पर बेरोजगारन के भीड़ जुटल. भीड़ में लड़िकिअनो के संख्या बहुते रहल. कुछ कंपनी पहिले आओ पहिले पाओ का आधार पर आपन बहाली के लक्ष्य पूरा कर लिहली सँ जवना चलते कुछ लोग एह मौका के फायदा ना उठा पावल. तकनीकि प्रशिक्षण वाला लोगन खातिर कवनो बहाली ना लउकल. सगरी बहाली या त सिक्यूरिटी वालन के रहे या मार्केटिंग वालन के. एह मेला में करीब पाँच से सात हजार लोग जुटल रहे. मेला तक चहुँपे वाला रास्ता पर पानी लागल रहला का चलते अभ्यर्थियन के परेशानिओ झेले के पड़ल. मेला के उद्घाटन श्रम मंत्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल कइले. मेला में एक हजार आठ सौ लोग के नौकरी दिहल गइल.


बखरी के पीपा पुल टूट गइल

दाहा नदी में पानी बढ़ गइला का चलते सीवान जिला के सिसवन थाना के बखरी गाँव में बनावल पीपा पूल काल्हु टूट गइल. पीपा के रखरखाव ठीक से ना होखे का चलते पीपा में पानी घुसे लागल रहे आ पीपा पानी में डूब गइली सँ. एह पुल के टूटला से अगल बगल के कई गाँवन के संपर्क जिला आ प्रखण्ड मुख्यालय से टूट गइल बा.


गुरु ग्रंथ साहिब के पुरान प्रति हनुमान मंदिर में

गोपालगंज थाना के भोरे में हुस्सेपुर बाजार के हनुमान मंदिर में पुजारी का लगे करीब पौने दू सौ साल पुरान गुरु ग्रन्थसाहिब के प्रति बा. ई जानकारी मिलला का बाद पंजाब से सेवादारन के एगो दल आइल रहे कि ऊ ग्रंथ दे दिहल जाव. बाकिर पुजारी तइयार ना भइले आ स्थानीय लोग के विरोध का चलते सेवादार लोग वापिस लवटि गइल. जात जात ऊ लोग पुजारी के वस्त्र आ गुरुनानक देव के तस्वीर दे के कहल लोग कि ग्रंथ के पूरा सम्मान का साथे राखल जाव. हो सकेला कि एह खबर के चरचा में अइला का बाद सिख धर्मावलम्बी ओहिजा दर्शन करे आवे लागसु. एहइलाका में केहू सिख ना रहेला.


मुंडा के घमंड तूड़ दिहलसि जनता

झारखंड में ओहिजा के मुख्यमंत्री अर्जुन मुण्डा के लोकसभा सीट खाली कइला पर भइल उप चुनाव में भाजपा के उम्मीदवार हार गइले. राज्य में गठबन्धन सरकार होखला का बावजूद हर पार्टी अलग अलग चुनाव लड़ले रहे आ मुख्यमंत्री अति विश्वास में रहले कि ऊ सीट त जीतिये लिहल जाई. अब एह परिणाम से भाजपा के झटका लागल बा. झारखंड विकास मोर्चा के डा॰ अजय कुमार भाजपा के डा॰ दिनेशानन्द गोस्वामी के एक लाख तिरपन हजार वोट से हरा दिहले बाड़े.

भाजपा आजुकाल्हु अपने लोग से परेशान बिया. कर्नाटक में येदियुरप्पा का चलते, महाराष्ट्र में गोपीनाथ मुण्डे का चलते, त उत्तराखंड में भंडूरी का चलते. पूर्वमुख्यमंत्री भुवनचंद्र खंडूरी अब राज्य में भाजपा आ कांग्रेस का खिलाफ तिसरका मोर्चा बनावे के बात कहि के भाजपा नेतृत्व के नींद उड़ा दिहले बाड़न. राज्य के भाजपा प्रभारी राजनाथ सिंह के जिम्मेदारी दिहल गइल बा ओहिजा के मसला सझूरावे के.


केन्द्र सरकार के टालमटोल देखत सुप्रीम कोर्ट विशेष जाँच दल बनावे के आदेश दिहलसि

करिया धन पर केन्द्र सरकार के टालमटोल देखत सुप्रीम कोर्ट काल्हु पूर्व न्यायमूर्ति बी पी जीवन रेड्डी के एह जाँच पर नजर राखे वाली विशेष जाँच दल के मुखिया के जिम्मेदारी सँउपले बिया. न्यायमूर्ति एमबी शाह एकर वाइस चेयरमैन बनावल गइल बाड़न. केन्द्र सरकार विशेष दल बनावे का विरोध में रहल एकरा बावजूद विशेष जाँच दल बना के सरकार के कटघरा में खड़ा कर दिहले बिया अदालत.


तेलंगाना के मसला फेर लहोक मरले बा

आंध्र प्रदेश से अलग करि के तेलंगाना राज्य बनावे के मसला एक बेर फेर लहोक मारल शुरु कर दिहले बा. काल्हु कांग्रेस के तेलंगाना इलाका के सांसद आपन इस्तीफा लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार के संउप दिहले. कांग्रेस के कहना बा कि एह संवेदनशील मुद्दा पर अतना हड़बड़ी मचावल ठीक बात नइखे. सरकार मसला पर विचार कर रहल बिया आ ओकरा के समय देबे के चाहीं. उन्नासी गो विधायको इस्तीफा दे दिहले बाड़न, भाजपा अलग तेलंगाना राज्य बनावे के समर्थन में बिया आ माँग कइले बिया कि मानसून सत्र में एह खातिर विधेयक ले आइल जाव. कांग्रेस खातिर ई उगिलत आन्हर घोंटत कोढ़ी वाली कैच ट्वेंटी टू वाली हालत बा.


गुण्डा का साथ गुण्डई करे का आरोप में दू गो पुलिसकर्मी निलम्बित

काल्हु पटना के मौर्या लोक में नशा में धुत एगो गुण्डा लड़िकी औरतन का साथे बदसलूकी भरल छेड़ छाड़ करत रहे आ विरोध करे वालन के पिटाई. ओकर उत्पात देख के चहुँपल पुलिस के जवान ओकरा के पकड़ल चहले त ऊ जिद्द पर आ के एने से ओने पटाये लागल. मजबूरन सिपाही ओकरा के आम लोग का सहयोग से पकड़ के रस्सी से बान्ह के घसीटत कोतवाली में ले अइलन. थानो में ओकर उत्पात जारी रहल. बेर बेर इहे धमकावे कि ओकरा के पकड़ल महँगा पड़ी सिपाहियन खातिर आ उहे भइल जब एसएसपी आलोक कुमार थाना प्रभारी वेदव्यास सिंह आ सिपाही वाल्मीकि सिंह के निलम्बित कर दिहले. पकड़ाइल गुण्डा मनु कुमार एगो ठेकेदार विजय कुमार यादव के बेटा ह आ फ्रेजर रोड के ग्रैंड अपार्टमेंट में रहेला. मनु पर पहिलहू से कुछ आरोप बा. मनु के जेल भेज दिहल गइल बा.


Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: