web analytics

खबर एक नजर में (6 जुलाई 2011)

जमीन अधिग्रहण रद्द करे के फैसला रद्द

नोएडा में मुलायम का जमाना में होटल बनावे खातिर १३ गो प्लाट आवँटित कइल गइल रहे जवना के मायावती सरकार के आवते रद्द कर दिहल गइल रहे कि एहमें बहुते कम दाम पर जमीन दिहल गइल बा. ओकरा बाद होटल वाले हाई कोर्ट में याचिका लगवले जवना पर हाई कोर्ट सरकार के फैसला के सही करार दिहलसि. तब ऊ लोग सुप्रीम कोर्ट में गइल. सुप्रीम कोर्ट काल्हु सरकार के फैसला रद्द कर दिहलसि बाकिर इहो कहलसि कि होटल मालिक लोग अब मौजूदा दर पर भुगतान करसु तबे जमीन दिहल जाई ना त जमा धन १८ फीसदी सूद का साथ दिसम्बर ले वापिस कर दी. तब जमीन सात हजार रुपिया प्रति वर्ग मीटर दिहल गइल रहे आ अब ओकरा खातिर सत्तर हजार रुपिया प्रति वर्गमीटर का दर से भुगतान करे के पड़ी.


एगो दोसरा फैसला में जमीन अधिग्रहण रद्द कइल गइल

आजु बुध का दिने आइल एगो दोसरा मुकदमा में सुप्रीम कोर्ट ग्रेटर नोएडा में भइल जमीन अधिग्रहण के रद्द करे के इलाहाबाद हाई कोर्ट के फैसला के सही ठहरवलसि. एहमें जमीन के “सार्वजनिक हित” में ओद्योगिक उपयोग खातिर अधिगृहित कइल गइल रहे आ पूरा जल्दबाजी देखावत सात गो बिल्डरन के आँवटित कर दिहल गइल रहे. सुप्रीम कोर्ट एह गलत काम खातिर ग्रेटर नोएडा इन्ड्स्ट्रियल अथारिटी पर दस लाख रुपिया के जुर्मानो लगा दिहले बिया. हालांकि फैसला का साथ इहे कहल गइल बा कि पूरा कारण बाद में बतावल जाई. अब जमीन ओकरा पुरनका मालिकान के वापिस कर देबे के होई. एह बीच जे लोग ओह जमीन पर बने वाला फ्लैटन खातिर रुपिया दिहले होखी ओह लोग के पूंजी डूबे के पूरा खतरा बा.


बिहार में बाढ़ के खतरा बढ़ गइल बा

एक दिन पहिले ले सबकुछ काबू में कहे वाली बिहार सरकार अब राज्य व्यापी अलर्ट जारी कर दिहले बिया काहे कि बड़की नदियन के जल संग्रहण इलाकन में जम के बरखा भइल बा. कोसी, बागमती, बूढ़ी गंडक, आ अधवारा समूह के नदियन में जलस्तर खतरा के निशान छू लिहले बा. आ एहबाढ़ से बिहार में तकरीबन चार लाख लोग प्रभावित भइल बा.


पीएचडी करे खातिर अब प्रवेश परीक्षा देबे के पड़ी

यूपी सरकार फैसला कइले बिया कि पीएसडी करे खातिर पंजीकरण अब प्रवेश परीक्षा का बाद हो पाई. पूरा राज्य खातिर संयुक्त प्रवेश परीक्षा संचालित करे के जिम्मेदारी फैजाबाद के राम मनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय के दिहल गइल बा. परीक्षा के कार्यक्रम अगिला हफ्ता बरेली में होखे जा रहल कुललपतियन के बईठक में लिहल जाई.


बीएड परीक्षा के रिजल्ट प्रकाशित हो गइल

कुछ तकनीकि कारण से पाँच जुलाई के प्रकाशित होखे वाला बीएड संयुक्त परीक्षा के रिजल्ट आजु निकालल गइल बा जवना के कुछ तकनीकि कारण से पाँच जुलाई के प्रकाशित होखे वाला बीएड संयुक्त परीक्षा के रिजल्ट आजु निकालल गइल बा जवना के वेबसाइट पर देखल जा सकेला. परिक्षा के संचालन रुहेलखंड विश्वविद्यालय कइले रहुवे. देखल जा सकेला. परिक्षा के संचालन रुहेलखंड विश्वविद्यालय कइले रहुवे.


प्रारंभिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म

बिहार राज्य में प्रारंभिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के पचीस लाख फार्म सगरी जिलन में भेज दिहल गइल बा. फार्म के बिक्री एगारह जुलाई से शुरू होखी आ चौबीस जुलाई तक ले बेचल जाई. ओकरा बाद फार्म जमा करावे के काम शुरू होखी. फार्म के बिक्री सबेरे नौ बजे से दिन में तीन बजे ले मिलल करी. महिला आ आरक्षित कोटा वालन खातिर फार्म के बिक्री अलगा काउन्टर से होखी.


नवोदय विद्यालयन खातिर प्रवेश परीक्षा

बिहार के उनचालीस गो नवोदय विद्यालयन खातिर प्रवेश परीक्षा दस जुलाई के होखे जा रहल बा. एह परीक्षा में करीब सत्तानबे हजार विद्यार्थी शामिल होखे वाला बाड़े. इम्तिहान सबेरे दस बजे शुरु हो के बारह बजे ले होई.


वेस्टइंडीज का साथ तिसरका मैच आजु

भारत आ वेस्ट इंडीज का बीच तिसरका आ आखिरी टेस्ट मैच आजु डोमिनिका में खेलल जाई. भारत एह सीरीज में एक शून्य से आगा चलत बा. वेस्ट इंडीज एह मैच के जीत के सीरीज बरोबर कर देबे खातिर आपन जान लगा दी.


Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: