Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

खबर एक नजर में (8 जुलाई 2011)


चलनी दूसे सूप के जेमे बहत्तर छेद

कांग्रेस के राजकुमार राहुल गाँधी एह घरी अपना किसान यात्रा पर बाड़न. काल्हु उनुकर बयान आइल कि यूपी के सरकार दलालन का हाथ में बा. दुर्योग देखीं कि काल्हुवे केन्द्रीय कपड़ा मंत्री के इस्तीफा दे देबे के पड़ल. उघार त ऊ बहुत दिन पहिले हो गइल रहले बाकिर जब शिकंजा कसे लागल त काल्हु मजबूरी में इस्तीफा दे दिहलन. अब कुछ दिन में ऊहो तिहाड़ के मेहमान बन जासु त अचरज ना होखी. लागत बा कि केन्द्र सरकार घोटालेबाजने से चलत रहल ह आ शायद चलतो बिया. एक एक करके अतना मंत्री कबहू जेल ना गइले. बाकिर आपन दोष ना देखत राहुल दोसरा पर अछरंग लगावत चलत बाड़न.एगो मुँहदुबर के प्रधानमंत्री का कुर्सी पर बइठा के ओकरा ईमानदारी का आड़ में चोर बेईमानन के सरकार चलावल जा रहल बा. अगर केन्द्र सरकार ईमानदार रहो त कवनो राज्य सरकार के बेंवत नइखे जे ऊ गलत काम करि सको. बाकिर अपना आँखि के फूला ना लउके दोसरा के माढ़ा जरूर लउक जाले.


बिहार में खुली आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय

काल्हु बिहार सरकार के मानव संसाधन विकास मंत्री पी के शाही का अध्यक्षता में मानव संसाधन विभाग के बईठक में शामिल आर्यभट्ट विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो॰ एस॰एन गुहा आ दोसरो विश्वविद्यालयन के कुलपति आ उच्च पदाधिकारी फैसला लिहले कि राज्य के सगरी मेडिकल, इंजीनियरिंग, आ प्रबंधन संस्थान अब आर्यभट्ट विश्वविद्यालय का अंदर चलीहे. निजी संस्थाननो के छूट दिहल गइल बा कि अग ऊ चाहसु त विश्वविद्यालय से जुड़ सकेले. सरकार एह बारे में जल्दिये अधिसूचना जारी कर दी.


सामाजिक गिरावट के नमूना रोजे लउकत बा सेना भरती में

समाज कतना नीचे गिर गइल बा एकर नमूना हमेशा कवनो ना कवनो बहाली भरती का दौरान नजर आ जाले. कबो रेल का बहाली में त कबो दोसरा बहाली में. सेना के बहाली का दौरान एकर सबले घटिया रूप सामने आवेला. जौनपुर में चल रहल सेना भरती रैली में आवे वाला अभ्यर्थी कतना बदतमीज बाड़न एकर नमूना रोजे लउकत बा. ओह लोग में बाप महतारी समाज के दिहल संस्कारो झलकत बा. ट्रेन के चेन खींच अपना गाँव का सोझा उतर के घरे आवे वाला नवही जानत बा कि ओकर बाप महतारी एह बाति खातिर ओकरा के मना ना करी. ना त ऊ अइसन ना करीत. जौनपुर में आजु बलिया के अभ्यर्थियन के बहाली होखे वाला बा आ काल्हु सगरी ट्रेन एह अभ्यर्थियन से ठसमठेस चलली सँ. दुर्भाग्य रहल ओह लोग के जे आरक्षण करवले रहल. एसी बोगी तक में ई लड़िका घुस गइले सँ आ सीट पर बइठल लोग के उठा उठा के खुदे धँस गइले सँ. पता ना अइसनका गैर जिम्मेदार आ बदतमीजन के बहाल कर के सेना कतना अनुशासित रह पाई.


बस से ट्रेन का टक्कर में ३८ जने के मौत

काल्हु कासगंज कानपुर रेलखंड पर पटियाली आ दरियागंज रेलवे टीसन का बीच एगो खुला क्रासिंग पर बारातियन से भरल एगो बस ट्रैक पर चढ़ले रहल कि एक तरफ से मथुरा छपरा एक्सप्रेस आ गइल आ ट्रेन के उधियावत चल गइल. बस में अतना भीड़ रहे कि ड्राइवर दोसरा तरफ देखिये ना सकत रहे जेने से ट्रेन आइल. एह दुर्घटना में ३८ लोग के मौत हो गइल आ करीब ओतने लोग घवाहिल हो गइलन. बाद में रेल राज्य मंत्री आ रेलवे बोर्ड के चेयरमैन घटनास्थल के मुआयना कइले आ मरल लोग के दू दू लाख आ घवाहिलन के पचास पचास हजार देबे के एलान कइलन.


बिहार में बाढ़ का चलते दू दिन में चौदह जने के मौत

बिहार के नदियन में बियफहू का दिने पानी बढ़े के रफ्तार जारी रहल. सबले बेसी आफत पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण, गोपालगंज, मुजफ्फरपुर, मधुबनी, समस्तीपुर, दरभंगा, पूर्णिया, सुपौल, आ अररिया में देखे के मिलत बा. नेपाल से बरखा के पानी आवते रहला से बाढ़ अउरी भयावह होखे वाली बा. काल्हु रक्सौल में दू गो, सीतामढ़ी में एगो आ मुजफ्फरपुर में दी जने के डूबला से मौत हो गइल. पिछला दू दिन में नाहियो त चौदह लोग डूब चुकल बा.


कृपाशंकर सिंह का खिलाफ याचिका पर कोर्ट के फैसला सुरक्षित

जानकारी में आवे वाला स्रोत से बेसी के आमदनी रखला का आरोप में मुंबई कांग्रेस अध्यक्ष कृपाशंकर सिंह के संपत्तियन के जाँच करावे खातिर दायर याचिका पर बांबे हाईकोर्ट काल्हु आपन फैसला सुरक्षित कर दिहलसि. एगो आरटीआई कार्यकर्ता संजय तिवारी आरोप लगवले बाड़न कि महाराष्ट्र का गृह मंत्री रहला का दौरान कृपाशंकर सिंह बहुते नाजायज कमाई कइलन. कृपाशंकर सिंह के समधी मधुकोड़ा झारखंड के लूटे का आरोप में मुख्यमंत्री पद छोड़े के मजबूर हो गइलन. कृपाशकर सिंह के वकील के दलील रहल कि ई सब कुछ राजनीतिक विद्वेष में कहल जा रहल बा.


नामांकन में नियमन के कड़ाई से पालन होखे

बीआर अंबेदकर बिहार विश्वविद्यालय काल्हु अपना सगरी स्नातकोतर विभागन आ महाविद्यालयन के निर्देश जारी कइलसि कि नामंकन में नियम के कड़अई से पालन होखे के चाहीं. सीट से बेसी नामांकन कवनो हाल में ना होखे आ तिथि बीतला का बाद केहू के आवेदन विश्वविद्यालय ना भेजल जाव.


गंगा आन्दोलन में उमा भारती बलिया अइली

अपना गंगा निर्मलीकरण यात्रा पर निकलल उमा भारती काल्हु बलिया चहुँपली त उनुकर शानदार स्वागत कइल गइल. कोटवा नारायणपुर में गंगा आरती कइला का बाद सभा के संबोधित करत उमा भारती कहली कि जबले गंगा जी के पानी पिये लायक ना हो जाई तब ले ऊ चैन से ना बइठीहे. भठियरपन का खिलाफ बोलत उमाभारती के कहना रहल कि ऊ छह सला केंद्र में मंत्री रहली. मध्यप्रदेश के मुख्य मंत्री रहली बाकिर कबहू उनका पर कवनो आरोप ना लागल. गद्दी छोड़ली त तिरंगा के नाम पर. कहली कि तिरंगा के शान में ऊ आपन जान तक दे सकेली. उमा भारती के स्वागत में बलिया के सगरी भाजपाई एकजुट हो के मौजूद रहले.


निकालल रिजल्ट बदलि दिहलसि लोक सेवा आयोग

यूपी के लोक सेवा आयोग आपन पीसीएसप्री के परिणाम में बदलाव के एलान कइले बा. पहिले सफल घोषित १०७ अभ्यर्थिन के असफल घोषित कर के १२२ गो असफल घोषित अभ्यर्थियन के सफल घोषित कर दिहल गइल बा. आयोग के कहना बा कि अइसनका एगो तकनीकि गड़बड़ी सुधारे खातिर कइल गइल बा. सबले बेसी संशोधन समाजशास्त्र विषय में भइल बा. आयोग का इतिहास में अइसन घटना कबहू ना भइल रहे. अब नयका सफल लोग बीस जुलाई तक मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन दे सकेला. आ इहो तय बा कि असफल लोग अदालत के शरण ले सकेला.


मामू के विक्लप बनीहे अमर सिंह

लोकमंच के राजनीतिक दल का रूप में चुनाव आयोग से मिलल मान्यता का बाद अमर सिंह के कहना बा कि ऊ यूपी में मामू के विकल्प बने के कोशिश करीहे. मा मतलब मायावती आ मू मतलब मुलायम सिंह. इहो कहलन कि उनुका पार्टी के सपा आ भाजपा छोड़ के दोसरा केहू से बैर नइखे आ सभकर स्वागत बा पार्टी में. अबही लोकमंच कवनो दोसरा दल से समझौता नइखे कइले. भाजपा से उनुकर विरोध साम्प्रदायिक कारण से बा त मुलायम के विरोध पूर्वांचल विरोधी होखला का चलते. अमर सिंह अगिला दू अक्टूबर से गाजियाबाद से गाजीपुर का यात्रा पर निकलीहे आ जबले चुनाव खतम ना हो जाई तबले घरे ना जइहे.


हरभजन सिंह चारसौ विकेट लेबे वाला हो गइलन

भारत के गेंदबाज हरभजन सिंह जब काल्हु अपना छियानबेवाँ टेस्ट मैच खेलत जब कार्लटन वाग के आउट कइलन त उनुकर लिहल विकेटन के गिनिती चार सौ हो गइल. देश के तीसरा आ दुनिया के एगारहवाँ गेंदबाज बन गइले हरभजन जे चार सौ विकेट लिहले बा. काल्हु भारत वेस्टइंडीज का बीच हो रहल तिसरका टेस्ट का दुसरका दिने ईशांत फेर भारी पड़लन वेस्टइंडीज के बल्लेबाजन पर. वेस्ट इंडीज के पूरा टीम अपना पहिलका पारी में २०४ रन बना के आउट हो गइल आ काल्हु के खेल खतम होखे का बेरा भारत बिना कवनो नुकसान के आठ रन बनवले रहुवे.


%d bloggers like this: