सरकार पहिलहीं से लागल बिया भठियरपन का खिलाफ
July 31, 2011
केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि केन्द्र सरकार जनवरिये से भठियरपन का खिलाफ कार्रवाई में लागल बिया. सिविल सोसाइटी के लोग त अप्रेल में आन्दोलन शुरु कइल. कहलन कि अगर अन्ना के आपन ड्राफ्ट सबले बढ़िया लागत बा त उनुका चाहीं कि अपना समर्थक पार्टियन के ओकरा पर तइयार करवावसु आ ओकरा के संसद से पास करवावे के कोशिश करसु.
प्रणव मुखर्जी कहलन कि प्रधानमंत्री के लोकपाल का दायरा में ले आवल सरकार के स्थायित्व पर हमेशा खातिर खतरा बना दी आ ओह हालत मे सरकार के सही तरीका से चलावल मुश्किल हो जाई.