Go to ...
RSS Feed

Archives for July 2011

प्रोमोशन खातिर मौत के दौड़ में एगो अउरी जान गइल

यूपी में दारोगा बनावे खातिर सिपाहियन के शारीरिक क्षमता के परीक्षण हो रहल बा जवना में ओह लोग के दस किलोमीटर दौड़ के देखावे पड़त बा. एह दौड़ में अब तक कई गो पुलिस जवान के मौत हो चुकल बा. एह तरीका से क्षमता जाँचे के बहुत आलोचना हो रहल बा बाकिर पुलिस प्रशासन एह

मिर्जापुर में इनामी नक्सली गिरफ्तार

पूर्वाचल आ बिहार में आफत मचवले नक्सली एरिया कमांडर विनोद खरवार के काल्हु पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. विनोद खरवार मुन्ना विश्वकर्मा के खासमखास बतावल जाला. विनोद खरवार पर बिहार आ यूपी में कुल मिला के सड़सठ हजार रुपिया के ईनाम राखल बा. चूना दरी इलाका में लुकाइल विनोद खरवार के गिरफ्तारी का बाद ओकरा लगे

इंगलैण्ड का साथ दुसरका टेस्ट आजु से

इंगलैण्ड गइल भारत के क्रिकेट टीम आजु नॉटिंघम में इंगलैण्ड के साथ दुसरका टेस्ट खेली. पहिलका टेस्ट में हार के पिछड़ चुकल भारत खातिर ई मैच चुनौती बा आपन पहिलका पोजीशन बनवले राखे खातिर. अगर एह में हार गइल त दुनिया के नंबर वन टीम होखे के रुतबा गँवा दी भारत. एहू मैच में जहीर

ठनका गिरला से तेइस जने के मौत

काल्हु यूपी का चंदौली आ सोनभद्र जिला में आ बिहार के कैमूर जिला में कई जगह ठनका गिरला से कम से कम तेइस जने के मौत हो गइल. घनघोर बरखा का बीच कड़क का साथ आसमान से गिरल बिजली से कैमूर में तीन गो लड़िकी, पाँच गो औरत, आ पाँच गो आदमी के मौत हो

कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा के इस्तीफा देबे के निर्देश

भ्रष्टाचार का आरोप मे घेराइल कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा के भाजपा के केन्द्रीय समिति का तरफ से साफ निर्देश दे दिहल गइल बा कि ऊ मुख्यमंत्री के कुर्सी छोड़ देसु. बाकिर छिरियाइल मुख्यमंत्री माने के तईयार नइखन आ आजु अपना समर्थक विधायकन के बईठका करवावे जा रहल बाड़न. भाजपा के केन्द्रीय समिति इहो कह दिहले

रब्बा रे रब्बा हिना रब्बानी

कवनो देश के विदेश मंत्री के देख नौजवानन का दिल में वइसन गुब्बार ना उठत होखी जइसन भारत आइल पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी के देख के उठत होखी. एह खूबसूरत विदेश मंत्री का साथे बातचीत त सफल होखही के रहे भलही ऊ विदेश मंत्री से मिले से पहिले काश्मीर का अलगाववादियन से मिलल

छतीसगढ़ में सलवा जुडुम वाला लोगके पुलिस बल में बहाल कर ली

छतीसगढ़ में नक्सल विरोधी अभियान में पुलिस के साथ दे रहल अनौपचारिक विशेष पुलिस अधिकारी कहल जाये वाला सलवा जुडूम के कार्यकर्तन के इस्तेमाल बन्द करे के सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बाद छतीसगढ़ सरकार एगो नया पुलिस बल छतीसगढ़ असिस्टेंट आर्म्ड पुलिस फोर्स का नाम से बनावे जा रहल बिया जवना में सलवा जुडुम

बिहार शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म जमा होखल शूरू

बिहार में होखे जा रहल शिक्षक पात्रता परीक्षा के करीब तीस लाख फार्म बिकाइल बा जवना के आजु से जमा कइल शुरु हो रहल बा. जवना केन्द्र से फार्म खरीदाइल होखी ओही केन्द्र पर .ओकरा के जमा करे के बा, दोसरा केन्द्र पर जमा ना लिहल जाई. फार्म जमा करे के समय सबेरे दस बजे

नया मेडिकल कॉलेज मे पढ़ाई शुरु

काल्हु से अम्बेदकर नगर में खुलल महामाया राजकीय मेडिकल कॉलेज के पहिला शैक्षणिक सत्र के पढ़ाई शुरू करा दिहल गइल. राज्य सरकार तीन गो नया सरकारी मेडिकल कॉलेज खोले के फैसला लिहले बिया जवना में से ई पहिला कॉलेज समय से पहिले तइयार हो गइल. अगिला साल से बाकी दुनु में पढ़ाई शुरु करा दिहल

मंत्री नेता भा अफसरान के परिजन के आवंटन कानूनी बा

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी काल्हु कहले कि बियाडा जमीन घोटाला में बेमतलब आरोप लगावल जा रहल बा. एहिजा पुरान नियम आ परंपरा बा कि मंत्री, विधायक, आ कवनो अधिकारी के परिवार वाले अपना खातिर जमीन आंवटन खातिर आवेदन कर सकेले आ ओह लोग के जमीन आंवटित कइल जा सकेला. एहमें कहीं कवनो गड़बड़ी नइखे

हिन्दू युवा वाहिनी के प्रदेश संयोजक के हत्या

यूपी में हिन्दु युवा वाहिनी के प्रदेश संयोजक विष्णुदत्त ओझा के सोमार के सँझिया कुछ मोटरसाइकिल सवार हत्यारा बस्ती के गाँधीनगर मे हत्या कर दिहले. एह हत्या का खिलाफ काल्हु बस्ती जिला में बन्द के आह्वान रहे आ बन्द शान्ति से बीत गइल. हत्या का मामिला में ओझा के परिवार वाले छह लोग का खिलाफ

छिटपुट बरखा का बावजूद बाढ़ के बढ़ती

उत्तरप्रदेश में गंगा, घाघरा, शारदा, आ बूढ़ी गंडक नदियन के पानी लगातार बढ़ल जात बा. नरोरा, हरिद्वार, आ बाणगंगा बैराजन से ढेर पानी छोड़ला चलते संकट अउरी गहिरा गइल बा. बनारस में गंगा किनारे के मंदिर पाँच से छह फुट पानी में डूबल बाड़ी सँ आ आरती अब सीढ़ियन पर ना करके सड़क पर कइल

नोएडा के जमीन अधिग्रहण मामिला

काल्हु इलाहाबाद हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश एफ आई रिबेलो का निर्देश पर नोएडा आ ग्रेटर नोएडा के जमीन अधिग्रहण के सगरी मामिला अब एके साथ कोर्ट के एगो बड़हन खण्डपीठ सुनवाई करी. अगिला सुनवाई सतरह अगस्त के कइल जाई. एह बीच किसान आ नोएडा विकास प्राधिकरण आपसी समझौता कर सकेला. कोर्ट का एह निर्देश

बिहार में दलबदल

रामविलास पासवान के पार्टी के तीनो विधान पार्षद, राजेन्द्र राय, राजू यादव, आ मोहम्मद इसराइल राइन, अउर झारखंड मुक्ति मोर्चा के इकलौता विधायक सुमित कुमार सिहं काल्हु जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आ ग्रामीण कार्यमंत्री भीम सिंह का मौजूदगी में जदयू में शामिल हो गइले. वशिष्ठ नारायण सिंह कहले कि अब एह लोग

एक त बाँड़ अपने जइहें नौ हाथ के पगहो ले जइहे

टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला में आरोपी का रूप में तिहाड़ जेल में बन्द पूर्व दूरसंचारमंत्री ए॰राजा काल्हु अदालत में अपना बयान में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह समेत सगरी पुरनका दूर संचार मंत्रियन के लपेटा में ले लिहलन. उनुका मासूमियत के हद त ई रहल कि कहलन कि उनुका के त पुरस्कार मिले के चाहीं जे दूर संचार

खेत खइलस गदहा मार खाई जोलहा

मजा त कांग्रेस लूटलसि जे नोट का बदले वोट खरीद के अपना अल्पमत के बहुमत में बदल के सत्ता का कुर्सी पर बइठल रह गइल बाकिर एह काम मे ओकर सहायता करे वाला राजनीतिक दलाल, ई हम नइखी कहत खुद अमर सिंह अपना बारे में कई बेर कह चुकल बाड़न, अमर सिंह के लपेटा में

इंदिरा गाँधी के आपन सबले बड़का सम्मान दिहलसि बांगला देश

बांगला देश का तरफ से ओकरा के आजाद करवावे वाला इंदिरा गाँधी के ओहिजा के सबले बड़का सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा. काल्हु ई सम्मान सोनिया गाँधी का हाथ में दिहल गइल. बांगला देश के मुक्ति संग्राम में लाखो बांगलादेशी भारत में शरण लिहले रहले आ ओहिजा के निर्वासित सरकार कोलकाता से चलावल जात

आखिर भारत हारिये गइल

इंग्लैंड का साथे होखत लॉर्ड्स क्रिकेट टेस्ट मैच में भारत आखिरकार हारिये गइल. हार के मुख्य कारण रहल बल्लेबाजन के लचर खेल. इंगलैण्ड के दुसरका पारी में भारत के गेंदबाज शुरु में बेहतर कमाल देखवले रहले आ ७२ रन पर इंगलैण्ड के पाँच गो विकेट चटका दिहले रहले बाकिर ओकरा बाद इंगलैण्ड फेर जम गइल

सुप्रीम कोर्ट पुलिसिया कार्रवाई के वीडियो देखी

काल्हु सुप्रीम कोर्ट फैसला लिहलसि कि पाँच अगस्त का दिने ऊ वीडियो फुटेज देखल जाई जवना में बाबा रामदेव का समर्थकन पर भइल दिल्ली पुलिस के कार्रवाई के दृश्य बा. ओह रात नींद में सूतल लोग पर दिल्ली पुलिस हमला बोल दिहले रहल आ बन्द शामियाना में आंसू गैस के गोला तक छोड़ले रहे. कोशिश

दस दिन का गैरहाजिरी का बाद

दस दिन से कुछ कारणवश टटका खबर ना दिहल जा सकल आ आजु जब अइनी त कवनो खास अफसोसो ना लागल काहे कि केहू के कवनो कमी ना बुझाइल. देखत बानी कि कवनो शिकायत, कवनो कमेंट नइखे दिहल गइल एह बीच. हमरा ई बाति बढ़िया से मालूम बा कि टटका खबर पर कवनो नया खबर

Older Posts›› ‹‹Newer Posts