- अन्ना हजारे सांसदन का नामे खुला चिट्ठी लिख के काल्हु लोकपाल बिल पेश ना करे देबे के निहोरा करीहे.
- अन्ना हजारे का तरफ से अनशन खातिर जगह का बारे में प्रशासन से निर्देश माँगल गइल बा.दिल्ली से बाहर के जगहा मंजूर नइखे अन्ना के.
- संसद के दुनु सदन में प्रश्नकाल स्थगित.
- कलमाडी के राष्ट्रमण्डल खेल आयोजन के अध्यक्ष बनावे खातिर प्रधानमंत्री घेरा में, सीएजी उनुका के दोषी बतवलसि.
- 2013 तक 25,000 नौकरी छाँटे जा रहल बा एचएसबीसी
- सेरेना की रैंकिंग में उछाल
- संगम नगर इलाहाबाद के मुसलमान एक जमाना से रक्षा सूत्र बनावत आ रह बाड़े.
- यूपी के बाँदा जिला के वनवासी महुआ के लाटा खा के जियत बाड़े
- मुगलसराय के लाट नं.दू मुहल्ला में एगो बारह साल के लड़िका के जिन्दा जरावे के कोशिश भइल.अस्पताल में भरती.
- शार्ट सर्किट से बलिया कासिम बाजार में कपड़ा आ जूता के एगो शो रुम में आग से लाखो के सामान जरल.
- आजु से रमजान के पावन महीना शुरू.
- यूपी सरकार नक्सल प्रभावित मिर्जापुर, सोनभद्र, आ चंदौली में डेयरी उद्योग के बढ़ावा दी.
- रेखा बाजपेयी के फेर एक साल खातिर यूपी संस्कृत संस्थान के अध्यक्ष बनावल गइल.
- छपरा मे सांसद उमाशंकर सिंह का आवास पर गैंगवार का चलते गोलीबारी भइल रहे, कहले सारण के एसपी.
- सिवान के सरसड़ में शंभू राम का घर से रायफल आ गोली बरामद.
- गोपालगंज का मांझा में कस्तुरबा बालिका आवासीय विद्यालय के एगो छात्रा के मौत, पाँच छात्रा घवाहिल.दुर्घटना संदेहास्पद.
- कबो दावा ना कइली कि बिहार में सगरी सबकुछ ठीक हो गइल बा. कहले नीतीश कुमार.