web analytics

टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 4 अगस्त

बिहार

  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले बाड़े कि अगर बैंक पूरा सहयोग देसु त भ्रष्टाचार पर अंकुशा लगावल जा सकेला.
  • बिहार में सत्तारूढ़ दल जनता दल के विधायक डॉ़ जितेंद्र कुमार को उनुका मोबाइल फोन पर 24 घंटे का भीतरे दुसरका हाली जान से मार देबे के धमकी मिलल बा.
  • ‘आरक्षण’ के प्रचार में निकलल अमिताभ बच्चन हाल ही में पटना गइल रहले जहवाँ ऊ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सादगी आ सरलता से बहुते प्रभावित भइले.
  • बिहार के वैशाली जिला के भगवानपुर थाना इलाका में एगो अधिवक्ता के चाकू मारके हत्या कर दिहल गइल आ बीच-बचाव करे चहुँपल उनुका महतारियो के घवाहिल कर दिहल गइल.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के अनुग्रह नारायण रेलवे स्टेशन पर एगो मरद मेहरारू के उनुका लड़िकी समेत रेलगाड़ी से कटला से मौत हो गइल.
  • बिहार में गरीबी रेखा से नीचे के हर परिवार के मिली बीस किलो चाउर.
  • बिहार में एमबीबीएस एडमिशन में पचासी फीसदी सीट बिहार संयक्त प्रवेश परीक्षा से आ पन्द्रह फीसदी सीबीएससी प्रतियोगिता से भरल जाई.
  • पश्चिमी चंपारण के सिसवा सरैया में इन्दिरा आवास के दुबारा फायदा उठावे वालू आठ गो औरतन के गिरफ्तारी के आदेश.
  • सिवान जिला के प्रखण्ड मुख्यालयन पर चलंत लोक अदालत लगा के चार सौ छप्पन मामिला सलटावल गइल.
  • सिवान जिला के भिटौली गाँव में एगो पंचायत समिति के सदस्या के पति के पीट के मुआ दिहले सँ बदमाश.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश के नक्सल प्रभावित मिर्जापुर में पुलिस पांच जने के 2,000 डेटोनेटर आ अमोनियम नाइट्रेट के जखीरा का साथे गिरफ्तार कइले बिया.
  • अपना फिल्म ‘आरक्षण’ के प्रचार खातिर लखनऊ में होखे वाला कार्यक्रम रद्द भइला पर प्रकाश झा हरान परेशान बाड़न.
  • उत्तर प्रदेश का मऊ जिला के फिरोजपुर गाँव में बियफे का दिन में वायु सेना के एगो जगुआर विमान दुर्घटनाग्रस्त होके खेत में गिर गइल जवना चलते खेत में काम करत एगो लड़िकी समेत पायलटो के मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश में लगातार खतरा के निशान से ऊपर बहत घाघरा के तेज बहाव से एल्गिन-चरसारी तटबंध टूटला का बाद 30 गो गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.बाराबंकी, गोंडा आ बहराइच जिलन में सैकड़ों एकड़ फसल के नुकसान भइल बा.
  • उप्र में अब कम होखी भारी बरखा के दौर.
  • बनारस के प्लास्टिक सर्जन सुबोध कुमार सिंह अपना मरीजन के इलाज का साथे एगो पौधो देलन लगावे खातिर जेहसे कि ऊ आ पर्यावरण दुनु खुशहाल बने.
  • मिर्जापुर जिला में अठारह हजार करोड़ का लागत से थर्मल पावर स्टेशन बनावल जाई.
  • इलाहाबाद के सरकारी अस्पताल में भर्ती दू गो बेसहारा मरीजन को जंगल में ले जाकर फेंक देवे का मामिला में एगो डाक्टर आ चार गो कर्मचारियन पर मुकदमा दर्ज.
  • भाजपा भ्रष्टाचार के मामिला में लोकायुक्त किहां बोलावल गइल बसपा सरकार के मंत्री अवधपाल सिंह के हटावे के मांग कइले बिया.
  • लखनऊ जिला प्रशासन छात्रन का साथ अमिताभ बच्चन आ ‘आरक्षण’ फिल्म के कलाकारन के बतियावे के अनुमति ना दिहलसि.

देश

  • कर्नाटक भाजपा के वरिष्ठ नेता डी. वी. सदानंद गौड़ा बियफे का दिने कर्नाटक के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहले. शपथ ग्रहण समारोह में जगदीश शेट्टार शामिल ना भइले. गौड़ा के कहना बा कि ऊ येदुयुरप्पा के कठपुतली ना हउवे.
  • ताइवानी कम्प्यूटर कम्पनी एमएसआई शुक का दिने भारतीय बाजार में 13,999 रुपिया दाम वाला सस्ता टैबलेट उतारी.
  • सीबीआई जनवरी 2008 से जून 2011 का बीच 2,289 सरकारी कर्मचारियन आ 4,897 दोसरा लोगन का खिलाफ कुल 3,621 मामिला दर्ज कइलसि.
  • मेघालय के मुख्यमंत्री मुकुल संगमा एहू हफ्ता मंत्रिमंडल में शामिल कइल गइल प्रेस्टन टिनसांग के वन आ पर्यावरण मंत्रालय के प्रभार दिहले.
  • चेन्नई के मिशेल कैथरिन बियफे का दिने 50वां एसडीएटी-रामको विश्व जूनियर आ जूनियर गर्ल्स शतरंज चैम्पियनशिप का तीसरा दौर में रूसी महिला ग्रैंडमास्टर सविना अनस्तेसिआ के हरा दिहली.
  • प्रतिबंधित संगठन उल्फा के सदस्य अध्यक्ष अरविंद राजखोवा का नेतृत्व में केंद्र सरकार से बतियावे खातिर दिल्ली रवाना भइले.
  • डीएमके सासंद दयानिधि मारन मंत्री ना रहला का बावजूद लोकसभा में ओही सीट पर बइठत बाड़े जवन उनुका के मंत्री का रूप में दिहल गइल रहे.
  • केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम बियफे का दिने कहले कि देश में आतंकवादी के धड़ा पैदा हो रहल बा जवना पर सीमा-पार के आतंकवाद से लड़त घरी ध्यान ना दिहल गइल.
  • मद्रास उच्च न्यायालय बियफे का दिने केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में ऊ अपना खिलाफ चलावल जा रहल मुकदम रद्द करे के अपील कइले रहन.
  • राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग जम्मू कश्मीर के सोपोर में 28 साल के लड़िका के पुलिस हिरासत में मौत के शिकायत अपना संज्ञान में ले लिहले बा.
  • मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान कृषि मंत्री शरद पवार से भेंट करके एनएम बोरलोग कृषि अनुसंधान संस्थान के मध्य प्रदेश में खोलवावे के निहोरा कइलन जवना के शरद पवार सकार लिहलन.
  • भारतीय मूल के महिला के वैंकुवर के उपनगर सरे में पिछला हफ्ता ओकरा पति का हाथे भइल हत्या से ओहिजा के भारतीय मूल के कनाडाई समुदाय के ठकुआ मार दिहले बा आ ऊ लोग लजाइल महसूस कर रहल बा.
  • मुम्बई बंदरगाह का लगे खराब भइल पनामा के मालवाहक जहाज एम.वी. रैक कैरियर दुपहरिया में डूब गइल. ओकरा पर सवार चालक दल के सगरी लोग के बचा लिहल गइल रहे.
  • वित्तीय संकट में पड़ल एयर इंडिया के उबारे खातिर केंद्र सरकार ओकरा के 1,732 करोड़ रुपिया देबे के फैसला बियफे के लिहलसि जवन एक महीना का भीतर दे दिहल जाई. कंपनी के हालत अतना खराब बा कि ऊ अपना कर्मचारियन के तनखाहो नइखे दे सकत.
  • मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में अदानी पावर के शुद्ध लाभ 54 फीसदी बेसी रहल आ 177 करोड़ रुपिया रहल.
  • मानसून के बरखा से भींजल दिल्ली बेहाल रहल. जगहे जगह पानी लगला का चलते घंटन जाम रहल जवन कहीं कहीं बारह किलोमीटर लमहर हो गइल रहे.
  • इलाज खातिर अमेरिका गइल सोनिया गांधी अपना गैर मौजूदगी में राहुल गाँधी, ए के एंटोनी, अहमद पटेल आ जनार्दन द्विवेदी के एगो समिति बना के गइल बाड़ी जे पार्टी के सगरी फैसला ली.
  • जम्मू कश्मीर का पुलवामा में बियफे साँझ ले चलल मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के एगो खूंखार आतंकवादी के मार गिरावल गइल.
  • मध्य प्रदेश के सतना पुलिस प्रताड़ना का चलते एगो नौजवान फांसी लगा लिहलसि बाकिर पुलिस प्रताड़ना के आरोप के झूठ बतावत बिया.
  • केंद्र सरकार ने लोकपाल विधेयक का विरोध करे वाली भाजपा पर दोहरा मापदंड अपनावे के आरोप लगवले बिया. कहल गइल बा कि भाजपा शासित राज्य सरकार अपना राज्य में अन्ना वाला बिल लागू कर लेसु.
  • पिछला कई बरीसन से बहुते रेलदुर्घटना का बावजूद रेलवे सितम्बर 2008 से आपन बीमा नइखे करवले जवना से ओकरा बहुते नुकसान उठावे के पड़ल बा.
  • औषधि विभाग विदेशी कंपनियन के देशी दवा कम्पनियन के खरीदला से चिंतित बा आ एह पर एगो बड़हन अध्ययन करे के बात कहले बा.
  • लोकपाल विधेयक के सरकारी मसौदे से नाराज गांधीवादी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे बियफे का दिने एक बेर फेर से 16 अगस्त से अनशन के बात दोहरवले आ एकरा के ‘आजादी के दूसरी’ लड़ाई बतावत लोग से ‘शांतिपूर्ण’ प्रदर्शन में शामिल होखे के अपील कइलन.
  • दिल्ली के मुख्य सचिव पी. के. त्रिपाठी के कहना बा कि मुख्यमंत्री शीला दीक्षित राष्ट्रमंडल खेल का दौरान कवनो खास कम्पनी के ठेका देबे के फैसला में दखल ना दिहले रहली.
  • लोकपाल विधेयक के प्रति जरावल संसद के अपमान बतवलसि केन्द्र सरकार.
  • एगो मेडिकल शोध से पता चलल बा कि सीलन का चलते फफूंद भरल घर में रहे वाला बच्चन के दमा होखे के तिगुना अनेसा रहेला आ साते साल का उमिर ले दमा रह सकेला.
  • हिमाचल प्रदेश के जलविद्युत परियोजना में भूमि अधिग्रहण के बाधा आ गइल बा. एह परियोजना से दिल्ली के पानी मिले वाला बा.
  • वाहन निर्माता कम्पनी जनरल मोटर्स इंडिया के उमीद बा कि ब्याज दर में बढ़ती आ महंगाई का बावजूद ओकरा कारोबार में 25 फीसदी बढ़ोतरी होई.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के जल्दी ठीक हो जाये के शुभकामना कइले बाड़े.
  • विदेशन में काम करे वाला भारतीय कामगारन के शिकायत सुने खातिर एगो विशेष प्रकोष्ठ बनावल गइल बा.
  • सत्यम कम्प्यूटर घोटाला मामिला में हैदराबाद अदालत कम्पनी के पूर्व अध्यक्ष बी. रामालिंगा राजू आ सात गो दोसरा जने के जमानत याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश लोकसभा में कहले बाड़े कि सरकार एह बाति पर विचार करी कि प्रस्तावित भूमि अधिग्रहण विधेयक के पुरनका फैसलन पर लागू कइल जाव कि ना.
  • कर्नाटक के 20वां मुख्यमंत्री सदानंद गौड़ा डी.वी. सदानंद गौड़ा अपना सरकार के कामकाज ठीक से चलावे खातिर अपना पार्टी में अपना विरोधी गुट के नेता जगदीश शेट्टार से भेंट कइलन आ सहयोग मँगलन.
  • लोकसभा में भ्रष्टाचार निरोधी लोकपाल विधेयक के विरोध करत सुषमा स्वराज कहली कि प्रस्तावित विधेयक से भेदभाव उपजत बा जवन कवनो दोसरा कानून में नइखे.
  • विपक्ष के कड़ा विरोध का बीच संप्रग सरकार अपना वादा का मुताबिक लोकपाल विधेयक संसद में पेश कर दिहलसि.
  • केरल में पहिला बेर 238 दृष्टिहीन शिक्षकन के कम्प्यूटर सिखावे के पहल कइल जा रहल बा.
  • विपक्षी दल राष्ट्रमंडल खेल का आयोजन में अनियमितता से जुड़ल सीएजी रपट संसद में पेश करे के मांग कइले बाड़ी सँ. ऊ लोग दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के इस्तीफो माँगत बा जिनका पर अनियमितता करे के आरोप बा.
  • देश के शेयर बाजार में बियफे का दिने भारी गिरावट दर्ज कइल गइल. सेंसेक्स 247.37 अंक का गिरावट का साथे बन्द भइल आ अठारह हजार का नीचे आ गइल.
  • प्रणब मुखर्जी कहले कि लोकसभा में लोकपाल विधेयक पारित करावे में सगरी विधायी प्रक्रिया अपनावल जाई आ संसदे का लगे ऊ शक्ति बा कवन ई तय करी कि लोकपाल विधेयक ‘कब आ कइसे’ पारित होखी.
  • जम्मू कश्मीर के पूर्व मुख्य सचिव एस.एस. ब्लोएरिया जम्मू केंद्रीय विश्वविद्यालय के पहिलका कुलपति बनीहे.
  • देश में पहिला बेर तमिलनाडु में पुरान कार के रिसाइक्लिंग संयंत्र शुरू भइल बा.
  • तमिलनाडु विधानसभा में विपक्षी द्रविड़ मुनेत्र कड़गम विधायक पार्टी के चार गो नेता के गिरफ्तारी का विरोध में बजट सत्र के बहिष्कार कइले.
  • सामाजिक संगठनन के प्रतिनिधि वकील प्रशांत भूषण बियफे का दिने संसद में पेश लोकपाल विधेयक के बेकार बतवले आ कहले कि एकरा से भ्रम पैदा होई आ भ्रष्टाचार के शिकायत करे वाला लोग हतोत्साहित होई.
  • वैश्विक बाजार में तेल के ऊंच दाम पर महंगाई के दोष मढ़ले प्रणव मुखर्जी आ कहले कि एह चलते सब्सिडी जारी रखे में बहुते दिक्कत हो रहल बा.
  • नागपंचमी का मौका पर सांपन के प्रदर्शन रोके खातिर वन विभाग मुहिम चला ले शहरमें कई जगहा दबिश देके सपेरन से 70 गो सांप जब्त कइले बा.
  • केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के टीम के संसद पर भरोसा राखे के सलाह दिहले बाड़न.
  • आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के शल्य चिकित्सा विदेश मे भइल जवना का बाद उनुकर हालत स्थिर बा आ ऊ दू तीन हफ्ता ले संसद में ना अइहें.
  • खाद्य महंगाई दर 23 जुलाई के खतम भइल हफ्ता में 8.04 फीसदी रहल जवन सब्जी, पियाज अउर फल के दाम बढ़ला से भइल बा.
  • लोकपाल विधेयक के सरकारी मसौदा से नाराज अन्ना हजारे भ्रष्टाचार का खिलाफ अपना मुहिम के आजादी के दुसरका लड़ाई बतावत दोहरवले बाड़न कि ऊ 16 अगस्त से अनशन जरूर करीहे.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित सीएजी के रिपोर्ट मीडिया में लीक भइला का बाद मंत्रिमंडल के आपात बईठक बोलवले बाड़ी. रपट में उनुका पर अनियमितता करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • जम्मू कश्मीर के सोपोर जिले में पुलिस हिरासत में मराइल 26 साल के नौजवान के मौत यातना से होखला के पुष्टि पोस्टमार्टम करे वाला चिकित्सक कइले बाड़े.
  • जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला में सबेरे से जारी आतंकवादी सुरक्षाबल मुठभेड़ अबहियो जारी बा. आतंकवादी चारों तरफ से घेराइल बाड़े.
  • आजु सबेरे अरब सागर में डूबत मालवाहक जहाज एम.वी. रैक कैरियर पर सवार चालक दल के सगरी 30 सदस्यन के भारतीय तटरक्षक बचा लिहले.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एह अनेसा के खारिज कर दिहले बाड़न कि चीन में ब्रह्मपुत्र नदी पर बने वाला बांध से पूर्वोत्तर राज्यन में नदियन के प्रवाह पर असर पड़ी.
  • भ्रष्टाचार के खिलाफ बहुप्रतीक्षित बाकिर विवादास्पद लोकपाल विधेयक आजु बियफे के संसद में पेश कर दिहल गइल. ओने रालेगन में अन्ना हजारे अपना समर्थकन का साथे सरकारी लोकपाल बिल के होली जरवले.
  • नियंत्रक एवं महालेखा परीक्षक के राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में भइल घोटाला के रपट का आधार पर विपक्षी दल दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के इस्तीफा मँगले.
  • लोकसभा में बियफे का दिने महंगाई का मुद्दे पर जारी चरचा के जवाब देत केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी सदन के आश्वस्त कइले कि सरकार महंगाई पर काबू पावे खातिर हर संभव काम करत बिया.
  • एह प्रस्ताव में संशोधन के वाम मोर्चा के प्रस्ताव संसद में मतविभाजन का बाद नामंजूर हो गइल.
  • तमिलनाडु में विपक्षी द्रविड़ मुनेत्र कड़गम के चार गो अउरी नेता के जमीन हथियावे का आरोप में बियफे के सबेरे गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • कर्नाटक के खनन घोटाला का रिपोर्ट का खिलाफ दायर येदियुरप्पा के याचिका सकारे से पहिले नयका लोकायुक्त रिपोर्ट के अध्ययन करीहे.
  • ऐतिहासिक नगरी उज्जैन में साल में एके दिन खुले वाला नागचंद्रेश्वर मंदिर के ताला आजु खुलल बा आ श्रद्घालुअन के तांता लागल बा.
  • जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला में आजु सबेरे से आतंकवादियन आ सुरक्षाबल का बीच मुठभेड़ होत बा.
  • आजु देश का शेयर बाजारन में शुरुआती कारोबार में मामूली तेजी लउकल बा.
  • गँवई इलाका के हर डाकघर में कोर बैंकिंग सेवा साल २०१३ ले शुरू हो जाई.
  • देश का आठ सौ दस डाकघर में एटीएम मशीन लगावल जाई. कहले कपिल सिब्बल.
  • आजु नाग पंचमी के पर्व देश भर में श्रद्धा उल्लास का साथ मनावल जा रहल बा.
  • सोना चौबीस हजार के पार चलल.
  • सर्वोच्च न्यायालय बुधका दिने शिक्षा के अधिकार कानून के चुनौती देबे वाला निजी स्कूलन के याचिका पर आपन आदेश सुरक्षित राख लिहलसि.
  • जेल में बन्द अलगाववादी नेशनल डेमोक्रेटिक फंट्र आफ बोडोलैंड (एनडीएफबी) के प्रमुख रंजन दायमरी से बतियावत बिया केन्द्र सरकार : चिदम्बरम.
  • ओडिशा के समुद्री किनारे वाला जिलन में पिछला दू दिन में कई जगहा ठनका गिरला से 32 लोग के मौत.
  • पासपोर्ट मामले में बालकृष्ण से 5 घंटा पूछताछ कइलसि सीबीआई.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन से जुड़ल ठेका में अनियमितता के खबर का बाद विपक्ष शीला दीक्षित से इस्तीगा मँगलसि. शीला गलयी माने के तईयार नइखी.
  • एगो पटवारी से कान पकड़ के उठक बैठक करवावे वाला मेंत्री गौरी शंकर बिसेन का खिलाफ कर्मचारियन के विरोध.
  • विपक्ष एक सुर में कहलसि, महंगाई हटाव ना त गद्दी छोड़ऽ.
  • मीडियाकर्मियन के वेतन बोर्ड पर न्यायालय के आदेश के इंतजार में बिया सरकार.

दुनिया

  • भारत बियफे का दिने श्रीलंका से अपील कइलसि ऊ अपना देश में अल्पसंख्यकन सहित सगरी समुदायन के सौहार्दपूर्ण सहअस्तित्व खातिर पिछला राजनीतिक समझौता के पालन करे.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा बियफे का दिने 50 साल के हो गइले आ अब अगिला साल होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव खातिर डाँड़ मजबूत कर लिहले बाड़न.
  • चीन जापान के रक्षा श्वेत पत्र के ई कहत ‘कड़ा विरोध’ कइले बा कि ई दस्तावेज ‘चीन से उपजल खतरा का सिद्धांत’ पर आधारित बा.
  • नेपाल तिब्बत सीमा से सटल अपना उत्तर सुदूर पहाड़ी इलाका में यूरेनियम खान खोजे का तइयारी में लागल बा.
  • पाकिस्तान के बंदरगाह शहर कराची में बियफे का दिने एगो पांच मंजिला इमारत के ढहला से दू आदमी के मौत हो गइल आ दर्जनों लोग घवाहिल हो गइल.
  • अफगानिस्तान में कम से कम 13 गो तालिबानी मार दिहल गइले आ 16 गो के हिरासत में ले लिहल गइल बा.
  • घाना के एगो परियोजना में काम कर चुकल भारतीय इंजीनियरन के फेर बोलावल गइल बा काहे कि स्थानीय प्रशिक्षित इंजीनियरों का कमी से सात साल से मशीन बेकार पड़ल बाड़ी सँ.
  • पाकिस्तान के कराची शहर में बुध का रात वरिष्ठ पत्रकार यूसुफ खान के निधन दिल के दौरा पड़ला से हो गइल. ‘नवा-ए-वक्त’ में मुख्य संवाददाता खान 53 बरीस के रहले.
  • इंडोनेशिया के सुलावेसी प्रांत में एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटना में ओह पर सवार 10 जने के मौत हो गइल.
  • अभिनेत्री कार्ला ब्रूनी-सरकोजी के ‘वैनिटी फेयर’ पत्रिका दुनिया के सबले आकर्षक पोशाक पहिरे वाली महिला बतवले बिया.
  • युक्रेन में एगो छोट निजी चिड़ियाघर के मालिक एगो पिंजरे में गर्भवती शेरनी का साथे 35 दिन गुजरले. नया विश्व रिकॉर्ड बनावे खातिर.
  • पिछला साल बोत्सवाना दुनिया में हीरा के सबले बेसी उत्पादन कइलसि.
  • पाकिस्तान में पिछला 3 साल में 3000 से अधिका आतंकवादी गिरफ्तार भइले.
  • सीरियाई संकट के राजनीतिक समाधान खोजत बिया सुरक्षा परिषद.
  • अमेरिकी सेवा क्षेत्र में पिछला 18 माह में सबसे धीमा विकास दर पिछला महीना के रहल.
  • अरब सागर में बियफे सबेरे एगो मालवाहक जहाज एम.वी. रैक कैरियर डूब गइल जवना के चालक दल के 30 सदस्यन में नौ गो के भारतीय तटरक्षक बचा लिहले.
  • अमेरिकी विदेश विभाग मिस्र के अधिकारियन से कहले बा कि पूर्व राष्ट्रपति हुस्नी मुबारक का खिलाफ पारदर्शी आ निष्पक्ष सुनवाई कइल जाव.
  • अमेरिका नइखे चाहत कि सीरिया के राष्ट्रपति बशर-अल-असद सत्ता में बनल रहसु काहे कि उनुके चलते देश में अस्थिरता बावे.
  • रूसी कम्पनी मिग एयरक्रॉफ्ट कार्पोरेशन भारतीय नौसेना खातिर नया लड़ाकू विमानन के उत्पादन शुरू कर दिहले बावे.
  • रूस एह साल के आखिर ले विश्व व्यापार संगठन में शामिल हो सकेला. क्रेमलिन ई जानकारी दिहले बा.

मनोरंजन

  • किशोर कुमार का जन्म दिन पर उनुका के याद कइलसि बालीवुड आ उनुकर प्रशंसक लोग.
  • अभिनेत्री मलाइका अरोड़ा के कहना बा कि उनुका देवर सलमान खान पर गहना खूब शोभेला.
  • बॉलीवुड के महान गायिका लता मंगेशकर आ दिग्गज अभिनेता देव आनंद गायक, अभिनेता, संगीतकार आ निर्देशक किशोर कुमार के उनुका 81वाँ जन्मदिन भावभींजल श्रद्धांजलि दिहल लोग.
  • बालीवुड में आजुकाल्हु ढेरे नायिका या त मातृत्व सुख के आनंद उठावत बाड़ी भा फेर नया मेहमान का इंतजार में बाड़ी. ऐश्वर्या राय आ लारा दत्ता पेट से बाड़ी त कोंकणा सेन शर्मा, मंदिरा बेदी आ प्रीति झंगियानी महतारी बने के आनंद उठावत बाड़ी.
  • ईसा मसीह से प्रेरित हो फिल्मकार मायाभूषण नागवेनकर गोवा में पादरी बन गइले.
  • एशियन एचीवर्स पुरस्कार जीत चुकल, आ पेरिस हिल्टन, मैडोना, रवीना टंडन, आ तब्बू जइसन हस्तियन के ड्रेस डिजाइनर प्रिया कटारिया कहले बाड़ी कि फैशन उद्योग अब गम्भीर व्यवसाय बन गइल बा.
  • एगो चैरिटी खातिर ब्रिटिश गायिका जेसी जे आपन माथ मुड़वइहे.
  • शाहरुख खान के फिल्म ‘डॉन 2’ में अभिनेत्री ईशा कोप्पिकर नइखी. ‘डॉन’ में अहम भूमिका निभावेवाली ईशा के एकर कवनो अफसोसो नइखे.
  • पॉप गायिका कैटी पेरी अपना नया एलबम ‘टीनेज ड्रीम’ के एकल गीत के लोकप्रियता से इतिहास रच दिहले बाड़ी. ई उनुकर पांचवा एकल गीत हवे जवन लोकप्रिय अमेरिकी पॉप गीतन का सूची में माथ पर बा.
  • गायक रॉबी विलियम्स साल 2009 में आइल अपना एलबम ‘रिएलिटी किल्ड द वीडियो स्टार’ के अगिला कड़ी के गीत लिखत बाड़े.
  • रंगमंच के कलाकारन आ नवही दर्शकन का बीच संबंध रेघरियावे खातिर नई दिल्ली के इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में चार से छह अगस्त तक राष्ट्रीय सम्मेलन के आयोजन.जेल में बन्द अलगाववादी नेशनल डेमोक्रेटिक फंट्र आफ बोडोलैंड (एनडीएफबी) के प्रमुख रंजन दायमरी से बतियावत बिया केन्द्र सरकार : चिदम्बरम.

खेल

  • खेल मंत्री अजय माकन बियफे का दिने कहले कि सरकार हॉकी इंडिया आ भारतीय हॉकी महासंघ का बीचे हाल में भइल समौता पर फेर से विचार करी.
  • देश के पूरान सर्वोच्च वरीयता खिलाड़ी रेलवे के अशोक शांडिल्य सीनियर राष्ट्रीय स्नूकर चैम्पियनशिप खातिर क्वालीफाई ना कर पवले. उनुका के निगेल लाजार 3-2 से हरा दिहले.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ उनुकर रूसी जोड़ीदार एलेना वेस्नीना मर्करी इंश्योरेंस ओपन टेनिस टूर्नामेंट से बाहर हो गईल बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) इंग्लैंड आ वेल्स के पूर्व मुख्य न्यायाधीश हैरी वूल्फ के ‘इंडिपेंडेंट गवर्नेस रिव्यू पैनल’ के प्रमुख नियुक्त कइले बिया. एह काम में प्राइस वाटर हाउस कूपर्स वूल्फ के मदद करी.
  • इंग्लैंड के पूर्व टेस्ट क्रिकेटर एलन वॉटकिंस के बुध का दिने कमे दिन का बीमारी का बाद निधन हो गइल. 89 साल के एलन एगो बेहतरीन हरफनमौला खिलाड़ी रहले.
  • स्पेन के अग्रणी फुटबाल क्लब एफसी बार्सिलोना अपना अमेरिका दौरा में बुध का दिने मेक्सिको के क्लब चिवास से 1- 4 से हार गइल.
  • भारत के अंडर-19 फुटबाल टीम चीन में हो रहल वेइफांग कप फुटबाल टूर्नामेंट का सेमीफाइनल में मेक्सिको के क्लब एफसी चिवास से 1-3 से हार गइल.
  • इंग्लिश प्रीमियर लीग क्लब चेल्सी अगिला सत्र खातिर बार्सिलोना के मिडफील्डर ओरियोल रोमेयू का साथे करार कइलसि.
  • कैमरन व्हाइट आस्ट्रेलिया के ट्वेंटी-20 क्रिकेट टीम के कप्तान हउवें बाकिर एकदिना टीम में उनका खातिर जगहे नइखे अब उमीद लगा के बइठल बाड़न कैमरन.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड संयुक्त अरब अमीरात में श्रीलंका का साथे जवना ‘घरेलू’ श्रृंखला के प्रस्ताव रखले बा, ओकर जबाब अबही ले क्रिकेट श्रीलंका से नइखे मिलल.
  • आस्ट्रेलियाई टेस्ट टीम आ एकदिना टीम के कप्तान माइकल क्लार्क के कहना बा कि आस्ट्रेलिया के एक बार फेर सबले बढ़िया बने में तनी समय लागी. ई काम राते-रात सम्भव ना हो सके.
  • इंतिखाब आलम का बदले पाकिस्तान क्रिकेट टीम के नयक मैनेजर बनावल नवीद अकरम चीमा से कहल गइल बा कि जिम्बाब्वे दौरे में टीम में अनुशासन बनवले राखे के खास कोशिश करसु.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के प्रमुख स्पिन गेंदबाज ग्रीम स्वान के कहना बा कि एंड्रयू स्ट्रॉस के नेतृत्व वाली मौजूदा टीम टेस्ट रैंकिंग के माथ पर पहुंचिये के आपन सफर खतम नइखे कइल चाहत.
  • चीन के डेनफेंग शहर में बनल कुंग फू के स्कूलन के मिलाके अंतर्राष्ट्रीय स्तर के वैश्विक मार्शल आर्ट्स समूह बनावल जाई. एही शहर में शाओलिन मंदिरो बा.
  • इंग्लैंड आ वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) एह बात के पुष्टि कइले बा कि ओकर राष्ट्रीय टीम सितम्बर में वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम का साथे दू गो ट्वेंटी-20 मैच खेली.
  • जापानी फुटबाल टीम के पुरान डिफेंडर नाओकी मातसुदा के निधन बियफे का दिने टोक्यो का एगो अस्पताल में हो गइल. दू दिन पहिले ऊ एगो अभ्यास सत्र में मैदान में गिर गइल रहले.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन से जुड़ल ठेका में अनियमितता के खबर का बाद विपक्ष शीला दीक्षित से इस्तीगा मँगलसि. शीला गलती माने के तईयार नइखी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: