Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 12 अगस्त, शुक


आजु के खास खबर

  • एजबेस्टन टेस्ट : कुक का दोहरा शतक, इंग्लैंड के सात विकेट का नुकसान पर 700 रन. वीरेन्द्र सहवाग लड्डू पर आउट.
  • मुरादाबाद में दंगा का बाद हालात काबू में बा. कतहीं से कवनो नया घटना के खबर नइखे. काल्हु कर्फ्यू में दिहल ढील का समय लोग जबरदस्त खरीददारी कइल. ओहिजा काँवरियन के रास्ता एगो संप्रदाय रोक दिहले रहुवे जवना का बाद दंगा भड़कल.
  • शुरुआती तेजी देखा के शेयर बाजार आजु साँझ होत होत भहराये लागल आ सेंसेक्स 219.77 अंक के गिरावट का साथे बन्द भइल.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी आ केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल शुक का दिने विपक्षी दल के नेता लोग से मुलाकात करके संसद के कार्यवाही ठीक से चले देबे खातिर सहयोग मँगले.
  • मशहूर निर्देशक बी आर इशारा के दिमाग के नस फटला का चलते काल्हु बियफे के उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल.

बिहार

  • बिहार का कटिहार जिला में शुक का दिने महानंदा नदी में एगो नाव पलट गइल जवना से तीन लोग के मौत हो गइल. बाकिर 12 लोग के बचा लिहल गइल.
  • बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के गायघाट थाना इलाका से पुलिस आजु शुक के दू गो औरत समेत सात गो संदिग्ध नक्सलियन के गिरफ्तार कइले बिया.
  • किसान क्रेडिट कार्ड पर लिहल करजा समय पर लवटावे वाला किसानन के अब कम सूद देबे के पड़ील केन्द्र सरकार से मिले वाला सब्सिडी का चलते ई कमी आइल बा. पहिले चार रुपिया सैकड़ा देबे के पड़त रहे.
  • एह साल सगरी प्रखण्ड मुख्यालय में शिविर लगा के राज्य भर में पच्चीस लाख क्रेडिट कार्ड बाँटल जाई.
  • अगिला साल ले हर परिवार में कम से कम एक आदमी के बैंक खाता खोलवा दिहल जाई.
  • बिहार में स्वर्णिम चतुर्भुज वाला सड़क के छह लेन के कइल जा रहल बा. एकरा अलावे राज्य के बारह गो दोसरो सड़क परियोजना पर काम होत बा.
  • फाल्गु नदी उफनइला का चलते एनएच एकसौदस पर यातायात रुक गइल बा. मोदनगंज प्रखंड के मननपुर गाँव में बाढ़ के पानी सड़क पर बहत बा.
  • रोहतास जिला में नक्सलियन का खिलाफ जोरदार अभियान चलावल जा रहल बा आ एह॓में कोबरा कमाँडवो के लगावल गइल बा. पिछला पखवारा नक्सली कई जगहा हमला कर के कम से कम आधा दर्जन लोग के हत्या कर चुकल बाड़े.
  • हाजीपुर में निगरानी अन्वेषण ब्यूरो का छापा में बिहार राज्य खाद्य निगम के जिला प्रबंधक मनोज कुमार डेढ़ लाख रुपिया घूस लेत में रंगे हाथ पकड़ा गइले. बाद में मनोज कुमार का मुजफ्फरपुर आवास पर छापा मार के लाखो रुपिया के नकदी आ करोड़ो के सामान पकड़ल गइल बा.
  • पटना के एगो विशेष अदालत काल्हु राजभाषा विभाग के निदेशक रहल ध्रुव चौधरी के आमदनी से बेसी के संपति बनवला का आरोप में गिरफ्तार कर के जेल भेजवा दिहलसि.
  • किशनगंज स्वास्थ्य विभाग आ समाहरणालय में साल 2005 में अवैध तरीका से बहाल 145 चतुर्थ श्रेणी के सेवा उच्च न्यायालय का आदेश पर खतम कर दिहल गइल.
  • भागलपुर हँसडीहा मार्ग पर एगो बस मोरनपुर गाँव का लगे नदी में गिर गइला जवना से एक दर्जन काँवरिया घवाहिल हो गइले.
  • पूर्वी चंपारण के छौड़ादानो स्वास्थ्य केन्द्र का भंडार से पच्चीस लाख रुपिया के एक्सपायर दवाई बरामद कइल गइल.
  • हाल का दिन में भइल बढ़िया बरखा से बिहार में अबकी धान के फसल बढ़िया होखे के उमेद बा.

यूपी

  • काल्हु बियफे का दिने विधानसभा के मानसून सत्र निर्धारित तिथि से एक दिन पहिलही स्थगित कर दिहल गइल. एह सत्र में पाँचे गो बइठक हो पावल आ दस गो विधेयक पारित करावल गइल. सत्र में विपक्ष आ सरकारी पक्ष का बीच जम के नोंक झोंक भइल. आ सपा विधायक इरफान सोलंकी के निलंबित तक करे के पड़ल.
  • बनारस गोरखपुर आ कानपुर में क्षेत्रीय पासपोर्ट अगिला साल जनवरी से काम करे लागी जवना का बाद अलग अलग जिला में चल रहल पासपोर्ट प्रकोष्ठ बन्द कर दिहल जइहे सँ.
  • घाघरा नदी गोण्डा, बाराबंकी आ अयोध्या में घटत बा त गंगा नदी बलिया आ गाजीपुर में खतरा का निशान से उपर बहत बिया. देवरिया में नदी के कटान से कई गाँव पर खतरा आ गइल बा.
  • मुरादाबाद में दंगा का बाद हालात काबू में बा. कतहीं से कवनो नया घटना के खबर नइखे. काल्हु कर्फ्यू में दिहल ढील का समय लोग जबरदस्त खरीददारी कइल. ओहिजा काँवरियन के रास्ता एगो संप्रदाय रोक दिहले रहुवे जवना का बाद दंगा भड़कल.
  • बिजनौर जिला के नजीबाबाद कोतवाली देहात मार्ग पर दौलताबाद गाँव का लगे एगो टैंकर आ टेम्पो का टक्कर में सात लोग मर गइल आ एक दर्जन घवाहिल हो गइले.
  • करनलगंज टीसन पर सरयू स्टेशन के सहायक स्टेशन मास्टर के मौत ट्रेन रुके से पहिले उतरे का फेर में हो गइल.
  • पिछला चौबीस घंटा में गोरखपुर मेडिकल कॉलेज अस्पताल में इंसेफलाइटिस से चार गो मरीज के मौत हो गइल.

देश

  • केंद्र सरकार के कहना बा कि धन के तंगी आ नौकरशाही का अड़चन से रेल परियोजना का लागत में भारी बढ़ोतरी हो रहल बा.
  • गुजरात सरकार का खिलाफ वरिष्ठ पुलिस अधिकारी राहुल शर्मा के याचिका गुजरात उच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी आ केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल शुक का दिने विपक्षी दल के नेता लोग से मुलाकात करके संसद के कार्यवाही ठीक से चले देबे खातिर सहयोग मँगले.
  • अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के सहयोगी रहल बतावल जाये वाला संतोष शेट्टी के बुध तक ले पुलिस हिरासत में दिहल गइल बा. मुम्बई पुलिस शुक का दिने ई जानकारी दिहलसि.
  • भारत में इजरायल के नयानियुक्त राजदूत एलन उशपिज शुक का दिने राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील के आपन परिचय पत्र सँउपले.
  • बेंगलुरू के एगो अदालत आमदनी से बेसी के संपति का मामिला में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता के व्यक्तिगत रूप से पेश होखे के कहले बा.
  • केरल के कोझिकोड में 2006 में भइल दोहरा विस्फोट मामिला में शुक का दिने राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) के विशेष अदालत दू गो आरोपियन के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
  • केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम शुक का दिने कहले कि सरकार लोकपाल विधेयक पर बतियावे खातिर तइयार बिया बाकिर एह बारे में फैसला अन्ना हजारे के लेबे के बा.
  • जनता के सुरक्षा कुकुरन का भरोसे. दिल्ली में स्वतंत्रता दिवस का मौका पर सोमारे से लाल किला आ ओकरा अगल बगल के इलाका में श्वान दस्ता (डॉग स्क्वॉड) के बीस गो कुकुर भीड़भाड़ वाला इलाकन में कूड़ा के ढेर से लेके लोग के सामान तक सूंघतारें.
  • स्वतंत्रता दिवस पर दिल्ली मेट्रो के सगरी स्टेशन पर अतवार दुपहरिया से 24 घंटा खातिर पार्किंग बन्द हो जाई बाकिर मेट्रो के सेवा जारी रही.
  • असम में एगो यात्री रेलगाड़ी का डिब्बा से शुक का दिने एगो ताकतवर बम बरामद कइल गइल. ओडिशा जात एह रेलगाड़ी में 500 से अधिक यात्री सफर करत रहले.
  • ग्वालियर में फर्जी अंक तालिका बनावे वाला गिरोह के तीन गो आदमी गिरफ्तार.
  • मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (माकपा) नेता आ पश्चिम बंगाल सरकार में मंत्री रहल सुशांत घोष का पश्चिम मिदनापुर जिला वाला घर का लगे कंकाल बरामद भइला का बाद उनुका के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल बियफे का दिने कहले कि राज्य सरकारन खातिर बेसी अधिकार मँगला का चलते उनुका के केंद्र सरकार खालिस्तानी कहत बिया.
  • संसद की स्थाई समिति ने रहस्योद्घाटक संरक्षण विधेयक का बारे में आपन रिपोर्ट बियफे का दिने संसद में पेश कइलसि. एह विधेयक में कवनो संस्था के भेदी विभीषणन के सुरक्षा देबे के बाति कहल बा. समिति कहलसि कि विधेयक का दायरे में केंद्रीय मंत्री, उच्च न्यायपालिका आ नियामक अधिकारियनो के राखल जाव.
  • केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री कपिल सिब्बल दिल्ली का शकूर बस्ती में एगो नया केंद्रीय विद्यालय के आधारशिला रखलन. एकर निर्माण रेलवे से मिलल दान वाली जमीन पर करावल जा रहल बा.
  • केंद्रीय पर्यटन मंत्री सुबोधकांत सहाय काल्हु दिल्ली से व्हील चेयर से चले वाला लोगे के निर्बाध अतुल्य भारत यात्रा के झंडी देखाके रवाना कइले आ भारत यात्रा पर निकलल शारीरिक रूप से अक्षम लोग के प्रतिबद्धता के सरहले.
  • कर्नाटक : नाराज रेड्डी बंधुओं शपथ ग्रहण समारोह के बहिष्कार कइले.
  • दू दिन पहिले महाराष्ट्र के पुणे जिले में किसान रैली का दौरान पुलिस गोलीबारी में तीन लोग के मौत का बाद बियफे का दिने छह गो पुलिसकर्मियन के निलम्बित कर दिहल गइल.
  • कश्मीर में भइल आतंकवादी हिंसा में पिछला दस साल में 13226 लोग मारल गइले. केंद्रीय गृह राज्यमंत्री जितेंद्र सिंह.
  • राजस्थान के झुंझनु जिले में बियफे का दिने 75 साल के एगो बूढ़ के टोना टोटका करे वाला बता के पीट के मुआ दिहल लोग. तीन जने के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया.
  • कांग्रेस महासचिव वी.के. हरिप्रसाद ने भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) अध्यक्ष नितिन गडकरी के फिलिमन के जोकर बतवले बाड़न.
  • समूचा पूर्वोत्तर में 12 गो विद्रोही संगठन 17 घंटे के हड़ताल आ स्वतंत्रता दिवस समारोहन के बहिष्कार के ऐलान कइले बाड़े.
  • सर्वोच्च न्यायालय काल्हु राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में भठियरपन का एगो मामिला से जुड़ल एगो कंपनी के दू गो अधिकारियन के अंतरिम जमानत देबे से इंकार कर दिहलसि.

दुनिया

  • नेपाल के राजधानी काठमांडू का ललितपुर कस्बा में एगो कॉलेजिया लड़िकी के हत्या से खिसियाइल लोग गरम प्रदर्शन कइल.
  • नासा के एगो अंतरिक्षयान चंद्रमा पर ओह जगहा के तस्वीर खींची जहाँ अपोलो यान उतरल रहे.
  • पाकिस्तान अपना देश में तालिबानी आतंकवादियन के कइल दुष्प्रचार से निपटे खातिर पश्तो भाषा में जल्दिये एगो नया टीवी चैनल शुरू करी.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के चार गो कैदी वैन से अदालत ले जात घरी वैन के ऊपरी हिस्सा काटके फरार हो गइले.
  • अमेरिका में होखे वाला 2012 के चुनाव में भारतीय मूल के अमेरिकी उम्मीदवार चंदा जमा करे में जुटल बाड़े. ऊ लोग अइसन समुदाय से चंदावत बाड़े जे धनी बा, सुगठित बा, आ अब आपन राजनीतिक हैसियत बढ़ावल चाहत बा.
  • अनेके अंतर्राष्ट्रीय मानवाधिकार संगठन नई दिल्ली में साल 1993 में भइल आतंकवादी हमला के साजिशकर्ता आ आतंकवादी संगठन खालिस्तान लिबरेशन फ्रंट (केएलएफ) के सदस्य देवेंद्र पाल सिंह भुल्लर के रिहाई खातिर कोशिश करत बाड़े. भुल्लर के फांसी के सजा सुनावल गइल बा.
  • अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा अमेरिका के आर्थिक संकट खातिर ओहिजा के राजनीतिक खींचतान के जिम्मेदार ठहरावत नीति निर्माता लोग से कहले बाड़न कि ऊ लोग पार्टी हित से उपर उठ के देश हित का बारे में सोचो.
  • पाकिस्तान में पंजाब प्रांत के एगो कस्बा के हिन्दू आ सिख समुदाय के लोग बियफही के रक्षा बंधन मना लिहल.
  • पश्चिमी लंदन में दंगा का दौरान आग बुतावे का कोशिश में झँउसल 68 साल के एगो आदमी के मौत हो गइल. अबले चार आदमी एह दंगा का चलते मर चुकले.
  • स्वीडन स्टॉकहोम में लीबियाई दूतावास पर कब्ज करे के फेरा में सात जने गिरफ्तार कर.
  • चीन सिचुआन प्रांत के जिचांग उपग्रह प्रक्षेपण केंद्र से पाकिस्तान खातिर एगो संचार उपग्रह के काल्हु प्रक्षेपण कइलसि.
  • संयुक्त राष्ट्र महासचिव बान की-मून के कहना बा कि लीबिया संकट के सैनिक समाधान ना हो सके.
  • ब्रिटिश सरकार सोचत बिया कि भविष्य में दंगा रोके खातिर सेना के इस्तेमाल कइल जाव आ पुलिस के अधिकार दे दिहल जाव कि ऊ सोशल नेटवर्क जाम कर देव. सरकार मुँह तोप के चललो पर रोक लगा सकेले.
  • कांगो में एगो रेलगाड़ी पटरी से उतर गइल जवना चलते कम से कम तीन लोग के मौत हो गइल आ कुछ लोग घवाहिल हो गइले.
  • रूस के उराल्स क्षेत्र में दू गो रेलगाड़ियन के टकरा गइला से कम से कम दू जने के मौत हो गइल.
  • इराक में एगो मस्जिद का लगे सड़क किनारे भइल दू गो बम विस्फोट में कम से कम चार लोग के मौत हो गइल बा आ 24 जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • प्रतिष्ठित ‘टाइम’ पत्रिका विश्व के 12 गो माथ महिला नेता का सूची में बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना के सातवां जगहा पर रखले बिया.
  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई काल्हि कहले कि ऊ अब तिसरा कार्यकाल खातिर चुनाव ना लड़ीहे.
  • चीन के सिनजियांग उइगर क्षेत्र में बियफे का दिने आइल रिक्टर पैमाने पर 5.8 के तीव्रता वाला भूकम्प के झटके में कम से कम 26 लोग घवाहिल हो गइले.

व्यापार व्यवसाय

  • शुरुआती तेजी देखा के शेयर बाजार आजु साँझ होत होत भहराये लागल आ सेंसेक्स 219.77 अंक के गिरावट का साथे बन्द भइल.
  • जून का महीना में औद्योगिक उत्पादन के बढ़ोतरी पिछला साल के एही अवधि का मुकाबले 8.8 प्रतिशत अधिका रहल.
  • सरकार ने एयर इंडिया के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक अरविंद जाधव के हटा के दुनु पद पर कवनो अंतरिम नियुक्ति करे के फैसला ले लिहले बिया.
  • आजु सप्ताह के अंतिम कारोबारी दिन मुंबई शेयर बाजार में तेजी के रुख देखल गइल. सेंसेक्स 187.48 अंक चढ़ के खुलल.
  • जुलाई 2011 में भारत से निर्यात में 81.8 प्रतिशत के बढ़ोतरी भइल आ निर्यात 29.3 अरब डॉलर ले पहुंच गइल.

मनोरंजन

  • मशहूर निर्देशक बी आर इशारा के दिमाग के नस फटला का चलते काल्हु बियफे के उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल.
  • पारिवारिक मनोरंजन आ हँसे हँसावे वाला कार्यक्रम पेश करे खातिर मशहूर ‘सब टीवी’ अब एगो नया धारावाहिक शुरू करे जा रहल बा जवना में एगो छोट शहर के प्रेमी जोड़ा के प्रेम कहानी देखावल जाई.
  • तीन गो राज्य में प्रकाश झा के चर्चित फिल्म ‘आरक्षण’ पर लागल प्रतिबंध से अमिताभ बच्चन हरान बाड़े कि आखिर एह प्रतिबंध से हासिल का होई.

खेल

  • एजबेस्टन टेस्ट : कुक का दोहरा शतक, इंग्लैंड के सात विकेट का नुकसान पर 700 रन. वीरेन्द्र सहवाग लड्डू पर आउट.
  • भारत की महिला बैडमिंटन स्टार सायना नेहवाल वेम्बले ओलम्पिक एरेना में एकल वर्ग के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में हार गइली.
  • अमेरिका उमेद जतवले बा कि भारत सरकार देश के प्रदर्शनकारियन से निपटे में लोकतांत्रिक संयम के परिचय दीही.
  • उनुका खराब रवैया आ अनुशासनहीनता का चलते पाकिस्तान के सलामी बल्लेबाज अहमद शहजाद से पीसीबी करार ना कइलसि.
  • भारत आ इंग्लैंड का क्रिकेट टीमन का बीच हो रहल तीसरा टेस्ट मैच के तीसरा दिन के खेल बरखा का चलते रोक दिहल गइल. शायद भगवानो रोवत होखीहें भारतीय टीम के खेल देख के.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के कप्तान रहल एलेक स्टीवर्ट के कहना बा कि अगर भारतीय टीम के कोच डंकन फ्लेचर का देखरेख में आगे बढ़े के बा त ओकरा फ्लेचर के अउरी अधिकार देबे के पड़ी.
  • कबो दुनिया के शीर्ष वरीयता प्राप्त आ अमेरिका के महिला टेनिस खिलाड़ी सेरेना विलियम्स डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट का क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बाड़ि जबकि वेरा ज्वोनारेवा, मारिया शारापोवा, ली ना अउर पेत्रा क्वितोवा के हारे के पड़ल बा.
  • बेहतरीन फॉर्म में चलत विश्व के शीर्ष वरीयता प्राप्त सर्बियाई टेनिस खिलाड़ी नोवाक जोकोविक अउर फ्रांस के गाएल मोनफिल्स एटीपी मांट्रियल मास्टर्स टूर्नामेंट का क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल बाड़े. स्विटजरलैंड के रोजर फेडरर हार गइल बाड़े.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) टेस्ट कप्तान रहल आ क्षेत्ररक्षण कोच एजाज अहमद के जिम्बाब्वे दौरा खातिर राष्ट्रीय टीम के बल्लेबाजी सलाहकार बनवले बावे.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के सलामी बल्लेबाज गौतम गम्भीर सकार लिहले कि एजबेस्टन में चलत तिसरका टेस्ट मैच में उनुकर टीम इंग्लिश टीम के शानदार प्रदर्शन का चलते बहुते भारी दबाव में आ गइल बिया.
  • पाकिस्तान के अंडर-16 फुटबाल टीम के कप्तान मुनीर आफताब के अबहियो विश्वास नइखे होत कि उनुकर टीम दक्षिण एशियाई फुटबाल महासंघ (सैफ) टूर्नामेंट के खिताबी मुकाबिला भारत के हरा के जीत लिहले बिया.
  • रोजर्स कप : सेरेना विलियम्स क्वार्टर फाइनल में चहुँपली.
  • विश्व के दूसरका वरीयता वाली बेल्जियम के महिला टेनिस खिलाड़ी किम क्लाइस्टर्स अपना पेट के मांसपेशियन में खिंचाव हो गइला का चलते सिनसिनाटी ओपन टूर्नामेंट से आपन नाम वापस ले लिहले बाड़ी.
  • काउंटी क्रिकेट में शानदार प्रदर्शन करके लवटल पाकिस्तानी गेंदबाज जुनैद खान अब अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में बेहतरीन प्रदर्शन करे पर निगाह टिकवले बाड़न.
  • विश्व की तिसरका वरीयता प्राप्त रूसी महिला टेनिस खिलाड़ी वेरा ज्वोनारेवा आ मारिया शारापोवा डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट के एकल स्पर्धा के तीसरा दौर में हार गइल बाड़ी.
  • मांट्रियल मास्टर्स : सर्वोच्च वरीयता पवले टेनिस खिलाड़ी सर्बिया के नोवाक जोकोविच क्वार्टर फाइनल मे चहुप गइले. ओने स्टार खिलाड़ी स्विट्जरलैंड के रोजर फेडरर हार के बाहर हो गइले.
  • भारतीय खिलाड़ी सायना नेहवाल ओलम्पिक एरेना में हो रहल विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप का क्वार्टरफाइनल मुकाबला में पहुंच गइल बाड़ी.

%d bloggers like this: