आजु के खास खबर
- छपरा पटना सड़क पर गंगा के पानी बहे लागल बा जवना चलते यातायात थथम गइल बा.
- बलिया गाजीपुर में गंगा खतरा का निशान से ऊपर बहतिया.
- सरकार पर धोखा देबे के आरोप लगवले अन्ना हजारे
- बॉलीवुड के वरिष्ठ आ मशहूर अभिनेता शम्मी कपूर के अतवार का फजीरे मुंबई के एगो निजी अस्पताल में हो गइल. ऊ 79 बरीस के रहले.
बिहार
- गंगा नदी का बाढ़ के पानी राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या उनइस पर बहे लागल बा जवना चलते छपरा पटना सड़क पर यातायात थथम गइल बा. गंगा नदी के पानी बेगूसराय जिला के कई इलाका में घुस आइल बा. बक्सर में गंगा खतरा का निशान का लगे चहुँपल बाड़ी आ ब्रहमपुर, सिमरी आ चौसा के दर्जनो गाँव बाढ़ के पानी में घेरा गइल बा. पानी हर घंटा डेढ़ सेंटीमीटर का रफ्तार से उफनाइल जात बा. कैमूर जिला के दुर्गावती, मोहनिया, कुदरा , चाँद आ रामगढ़ प्रखण्ड के दू दर्जन से बेसी गाँव बाढ़ का चपेट में आइल बावे.
पिछला हफ्ता का बरखा का चलते दुर्गावती, सुआराम गेहुँवन, आ कुकुरनहिया नदी उफना गइल बाड़ी सँ आ हजारो बिगहा धान के खेत पानी में डूब गइल बा. - पहिला बार बिहार में कवनो पत्रकार के सूचना आयुक्त बनावल गइल बा आ ऊ पत्रकार हउवें फरजन्द अहमद. एस विजय राघवन आ फरजन्द अहमद के सूचना आयुक्त बनावे के फैसला काल्हु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का अध्यक्षता में भइल चयन समिति के बईठक में लिहल गइल.
- पश्चिमी चंपारण के मधुबनी घाट गाँव का लगे मोतिहारी पकड़ीदयाल मार्ग पर भइल सड़क दुर्घटना में एगो लड़िका के मौत हो गइल जवना का बाद लोग सड़क के कई घंटा ले जाम कर दिहल.
- बक्सर में व्यवसायियन से लूटपाट करे वाला अपराधी हुरहु यादव के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
- फर्जी प्रमाणपत्र का सहारे नौकरी पावे का आरोप में रोहतास जिला के डेहरी अस्पताल में काम करे वाली एएनएम सरिता कुमारी का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा.
- बेतिया में एगो औरत के दहेज खातिर हत्या कर दिहल गइल.
यूपी
- बलिया गाजीपुर में गंगा खतरा का निशान से ऊपर बहतिया
उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल में नदी उफनाइल बाड़ी सँ. गंगा बलिया, गाजीपुर आ बनारस में उफान पर बिया आ बनारस में हर घंटा दू सेण्टीमीटर का रफ्तार से उफनाइल जात बिया. घाघरा नदी एल्गिन ब्रिज आ अयोध्या में खतरा का निशान से ऊपर बिया बाकिर दुनु जगहा एकर उफनाइल कम हो रहल बा.
- नगर योजना आ विकास संशोधन विधेयक का विरोध में विपक्ष
यूपी के विपक्षी दल राज्यपाल से भेंट कर के कहले बाड़न कि विधानसभा से बिना चरचा करवले पारित नगर योजना आ विकास संशोधन विधेयक के मंजूरी ना दिहल जाव काहे कि एकरा के एगो साजिश का तहत बिना चरचा करवले पारित करावल गइल बा आ ई किसान विरोधी बा.
- खाली रह गइल सीटन पर दाखिला शुरू
उत्तर प्रदेश के तकनीकि आ प्रबन्धन संस्थानन के गुणवत्ता खराब रहला का चलते मैनेजमेंट कोटा आ प्रवेश परीक्षा का माध्यम से दाखिला लिहला का बादो ढेर सीट खाली रह गइल बाड़ी सँ. ओह सीटन पर हर हाल में इकतीस अगस्त से पहिले दाखिला ले लेबे के बा. अगर कवनो गड़बड़ी मिलल त संस्थान के सीट में पन्द्रह फीसदी के कटौती कर दिहल जाई. हालत अतना खराब बा कि प्रवेश परीक्षा के काउन्सिलिंग का बाद एक लाख दस हजार सीट खाली रह गइल बाड़ी सँ. कुछ सीट त मैनेजमेंट कोटा से भरा जाई बाकिर तबहियो बहुते सीट खाली रह जाई. यूपी अपना तरह के अकेला राज्य होई जहवाँ विद्यार्थियन आ बेरोजगारन के बेहिसाब संख्या का बादो सीट नइखी भरत सँ आ बहाली खातिर डाक्टर नइखन भेंटात. ओतनो ना जतना जगहा बा.
- मुरादाबाद में शांति बनल बा. काल्हु कर्फ्यू में नौ घंटा के छूट दिहल गइल आ ओह बिचे कहीं कवनो गड़बड़ी ना भइल. दंगा का समय बनावल वीडियो आ फोटो का सहारे अब दंगाइयन के पहिचान आ तलाश के काम शुरु हो गइल बा.
- जौनपुर जिला के बदलापुर थाना के बिठुआं गाँव का लगे एगो बिना पहरा वाला खुला क्रासिंग पर लाइन पार करत एगो मोटरसाइकिल अकालतख्त एक्सप्रेस का चपेटा में आ गइल जवना से ओह पर सवार दू जने के अकाल मृत्यु हो गइल. ओने आगरा में रुनकता क्रासिंग पर फाटक बन्द रहला का बावजूद लाइन पार करे का फेर में एगो मोटरसाइकिल पर सवार तीन जने राजधानी एक्सप्रेस से कटा गइले.
- पुर्वांचल में इंसेफलाइटिस के प्रकोप दिन पर दिन बढ़ल जात बा आ अबले नाहियो त डेढ़ सौ से बेसी लोग मर चुकल बा आ करीब अतने मरीज अबहियो अस्पताल में भरती बाड़े. काल्हुओ चार गो मरीज के मौत गोरखपुर मेडिकल कालेज अस्पताल में हो गइल जबकि सत्रह गो नया मरीज भरती करावल गइल.
देश
- सरकार पर धोखा देबे के आरोप लगवले अन्ना हजारे
नई दिल्ली, 13 अगस्त (आईएएनएस)। वरिष्ठ सामाजिक कार्यकर्ता अन्न हजारे अपना होखे जा रहल आमरण अनशन का बारे में दिल्ली पुलिस के प्रतिबंधन पर बेहद नाराजगी जतावत कहले कि सरकार देश के विश्वास का साथे धोखा कइले बिया. कहलन कि अगर उनुका पहिले पता रहीत कि सरकार धोखा दही त ऊ आपन अप्रैल वाला आमरण अनशन तूड़ले ना रहीतन.
16 अगस्त से करे जा रहल आपना अनशन से पहिले एगो संवाददाता सम्मेलन में अन्ना हजारे कहलन कि सरकार के कुप्रशासन का चलते अमेरिका के मौका मिलल गइल कि ऊ हमनी के देश के आंतरिक मामिला में टिप्पणी करे.
आपन अप्रेल वाला अनशन तूड़े के अफसोस करत अनान कहलन कि अगर हमनी के सरकार से धोखा मिले के अनेसा रहीत त सगरी माँग पूरा करवाइये के अनशन तूड़ते. बाकिर हमनी का सरकार पर भरोसा कइनी आ सरकार हमनी के धोखा दे दिहलसि.
अन्ना हजारे दिल्ली पुलिस के लगावल शर्त का बारे में दखल देबे खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के पत्र लिखलन जवना का जबाब में अन्ना के पुलिसे से बात करे के कहल गइल बा. मनमोहन सिंह के कहना बा कि उनुकर सरकार एह सब में दखल ना देव. अन्ना के कहना बा कि प्रतिबंध का बावजूद ऊ अनशन कीहे आ अगर गिरफ्तार हो गइलन त जेलो में उनुकर अनशन जारी रही.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
दुनिया
व्यापार व्यवसाय
मनोरंजन
- बॉलीवुड के वरिष्ठ आ मशहूर अभिनेता शम्मी कपूर के अतवार का फजीरे मुंबई के एगो निजी अस्पताल में हो गइल. ऊ 79 बरीस के रहले.
खेल
- एजबेस्टन टेस्ट : मैचो हरले, ताजो छिनाइल
बर्मिघम, 13 अगस्त (आईएएनएस)। भारतीय क्रिकेट टीम एजबेस्टन काउंटी क्रिकेट मैदान पर इंग्लैंड के साथ खेलल गइल तिसरका टेस्ट मैच एक पारी आ 242 रन के बड़हन अंतर से गंवा दिहलसि आ एकरा साथही ओकर सबले बढ़िया टेस्ट टीम के ताजो छिना गइल जवन पिछला डेढ़ साल से महेंद्र सिंह धौनी के टीम का लगे रहुवे.
एह शानदार जीत का साथ इंग्लैंड चार मैच के एह श्रृंखला में 3-0 के बढ़त ले लिहले बा आ ओकर दुनिया के नम्बर एक टीम बनल तय हो गइल बा. 18 अगस्त से लंदन में खेलल जाये वाला चउथका टेस्ट मैच के परिणाम चाहे जवने होखे इंगलैण्ड के नया नया मिलल ताज पर कवनो असर नइखे पड़े वाला. भारत अब दुनिया के नंबर तीन टीम हो जाई.
लॉर्ड्स अउर ट्रेंट ब्रिज टेस्ट का तरह एजबेस्टनो में भारतीय टीम पहिलके दिन से बैकफुट पर रहल. टॉस हरला का बाद बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम पहिला पारी में 224 रन बना के आउट हो गइल. जबाब में सलामी बल्लेबाज एलिस्टर कुक (294) के शानदार दुहरा शतक का सहारे इंगलैण्ड के टीम सात विकेट पर 710 रन बना के आपन पारी घोषित कर दिहलसि. एलिस्टर कुक के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल.
चूंकि पहिला पारी के आधार पर 486 रन से पिछड़ल भारतीय टीम खातिर इंग्लिश टीम के स्कोर के बराबरी कइल आ फेर बढ़त बनावल नामुमकिन रहे से खिलाड़ी मैच ड्रा करावे उतरले.
तीसरा दिन के अंतिम सत्र में भारत के दूसरी पारी शुरू करे के मौका दिहल गइल आ दुसरके गेंद पर जेम्स एंडरसन वीरेंद्र सहवाग (0) के आउट करके मानो मैद के परिणामे लिख दिहलन, फेर तू चलऽ हम आवतानी शैली खातिर मशहूर भारतीय टीम 244 रन बनत बनत ढेर हो गइल.
कप्तान महेंद्र सिंह धौनी 74 रन बनाके नाबाद रहलन बाकिर उनुकर टीम खातिर ई इतिहास के 15वीं सबले खराब पारी के हार रहल. भारत पर इंग्लैंड के ई दूसरा सबले बड़का जीत बावे.
मैच के बाद कप्तान धौनी के कहना रहल कि हमनी के अपना कमजोरी पर ध्यान देबे के पड़ी. क्षेत्ररक्षण बेहद खराब बा आ ओकरा के सुधारे के पड़ी. कहलन कि लोग के उम्मीद पर खरा ना उतर पावे के उनुका बेहर अफसोस बा. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
(खबर दिन भर समय समय पर जोड़ात रहेला.)