Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 15 अगस्त, सोमार


आजु के खास खबर

  • पन्द्रह अगस्त का दिने पूरा देश में आजादी के समारोह धूमधाम से मनावल गइल आ कतहीं से कवनो गड़बड़ी के खबर नइखे.
  • ओहिजा अन्ना साफ कर दिहले कि सोलह अगस्त से हर हाल में उनुकर आमरण अनशन शुरु होखी.
  • जेपी पार्क पर आजुवे से गिरफ्तारी शुरू हो गइल बा. रात में करीब पचास लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

बिहार

  • पटना के गाँधी मैदान में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि आजादी के लड़ाई में बिहार महती भूमिका निभवले रहुवे आ अब राष्ट्र निर्माणो का काम में ओकरा बड़हन भूमिका निभावे के बा.
  • बिहार में आजु से लोकसेवा अधिकार कानून लागू हो गइल जवना का बाद नागरिक कुछ चुनिंदा सरकारी सेवा बिना कवनो कठिनाई के नियत समय में पा सकीहे. समय पर काम ना करे वाला अधिकारियन से हर दिन के देरी खातिर अढ़ाई सौ रुपिया जुर्माना वसूलल जाई जवन कुल पाँच हजार रुपिया तक हो सकेला. एह सुविधा खातिर आवेदन के रसीद लिहल जरूरी होई. अबही जाति,आवास आ आय प्रमाण पत्र आ राशन कार्ड, ड्राइविंग लाइसेंस, बिजली कनेक्शन आ पोस्टमार्टम रिपोर्ट के एह सुविधा में शामिल कइल गइल बा.
  • गंगा नडी पर कच्ची दरगाह से बिदुपुर का बीच एगो महासेतु बनावल जाई.

यूपी

  • लखनऊ में मुख्यमंत्री मायावती अपना संबोधन में कहली कि केन्द्र राज्य के विकास में रोड़ा अटकावत बावे.
  • पिछला कुछ दिन से होत भारी बरखा का चलते मकान गिरला आ ठनका गिरला का चलते पिछला 24 घंटा में उत्तर प्रदेश में 20 से बेसी लोग के मौत हो गइल./li>

देश

  • अन्ना का अनशन से परेशान बिया सरकार
    लालकिला से देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह बेसी समय भ्रष्टाचार के समस्या पर बोलत रहि गइले. बाकिर कहलन कि आपन बाति मनवावे खातिर अनशन के रास्ता अख्तियार कइल ठीक बाति नइखे. प्रधानमंत्री के पूरा संबोधन के भोजपुरी अनुवाद आजु अँजोरिया पर प्रकाशित भइल बा.
    आजु पूरा दिन देश के मीडिया में अन्ना छवले रहले. साँझ के अचानक अन्ना राजघाट चहुँप के ध्यान लगा के बइठ गइले. खबर मिलते लोग जुटे लागल आ पुलिसो बड़हन संख्या में ओहिजा चहुँप गइल. पुलिस के बुझात ना रहे कि का कइल जाव आ अन्ना का तरफ से कुछ बतावल ना जात रहुवे कि ओह लोग के योजना का बा. पहिले लागल कि अन्ना सोलह का बदले पन्द्रहे अगस्त से आपन अनशन शुरु कर दिहले आ चूंकि पुलिस उनका के दिहल जेपीपार्क के अनुमति रद्द कर दिहले बिया एहसे राजघाट में अनशन करे बइठ गइल बाड़े. बाकिर पीने सात बजे साँझ पुलिस के साँस में साँस लवटल जब अन्ना अपना ध्यान से उठ खड़ा भइले आ पूर्व निर्धारित कार्यक्रम का मुताबिक कंस्टिच्यूशन क्लब में प्रेस के संबोधित करे चल दिहलन.
    ओहिजा अन्ना साफ कर दिहले कि सोलह अगस्त से हर हाल में उनुकर आमरण अनशन शुरु होखी. अगर पुलिस उनुका के गिरफ्तार कइलसि त ऊ जेलो में अनशन करे के तइयार बाड़े. अन्ना इहो कहलन कि अगर उनुका के गिरफ्तार कर लिहल जात बा त पूरा देश में लोग जेल भरो आन्दोलन शुरु कर देव.
    जेपी पार्क पर आजुवे से गिरफ्तारी शुरू हो गइल बा. रात में करीब पचास लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
    ओने कांग्रेस अपना महासचिव राहुल गाँधी का निर्देश पर अन्ना हजारे पर व्यक्तिगत हमला कइल बन्द कर दिहले बिया काहे कि कांग्रेस के डर हो गइल बा कि कहीं सारा विवाद कांग्रेस बनाम अन्ना के मत हो जाव.
  • पन्द्रह अगस्त का दिने पूरा देश में आजादी के समारोह धूमधाम से मनावल गइल आ कतहीं से कवनो गड़बड़ी के खबर नइखे.
  • गुजरात में ध्वजारोहण का बाद नरेन्द्र मोदी कुछ वइसनका नेता के मजाक उड़वले जे बस खबर में आवे खातिर गरीब का झोपड़ी में जाले.
  • झारखण्ड में मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा स्वत्रंतता दिवस पर ‘दाल भात’ योजना के शुरुआत कइले जवना में गरीब आदमी के पांच रुपये में दाल भात खियावल जाई.
  • आंध्र प्रदेश में मुख्यमंत्री एन किरण कुमार रेड्डी कहलेकि सरकार एक लाख लोग के नौकरी दीही. बाकिर तेलंगाना शहीद स्मारक पर झंडा फहराने से तेलंगाना इलाका के सांसदन के पुलिस रोक दिहलसि.
  • छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमन सिंह एह मौका पर नक्सलियन के निर्दयी बतवले आ ओकनी का खिलाफ निर्णायक अभियान शुरू कर दिहला के बाति कहले.
  • भोपाल में मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान सभका से प्रदेश के विकास में भागीदार बने के गोहार लगवलन.
  • पूर्वोत्तर राज्यो में स्वतंत्रता दिवस धूमधाम से मनावल गइल आ उग्रवादियन के बहिष्कार बेअसर रहल.
  • जम्मू काश्मीर में मोबाइल फोन सेवा ठप रहल.
  • भुवनेश्वर में ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक नक्सलियन से हिंसा के राह छोड़ के देश के मुख्यधारा में शामिल होखे के गोहार लगवले.
  • जम्मू कश्मीर राज्य में अंतर्राष्ट्रीय सीमा पर बनल भारतीय सुरक्षा चौकी पर पाकिस्तानी सैनिक सोमार का दिने बिना कारण गोलीबारी कइले. भारतो का तरफ से जबाब दिहल गइल./li>

दुनिया

  • मिस्र के पूर्व राष्ट्रपति हुस्नी मुबारक आ उनुका दू गो बेटन का खिलाफ मुकदमा के सुनवाई राजधानी काहिरा में सोमार से दोबारा शुरू हो गइल./li>
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल नवाज शरीफ के भारत से सामान्य रिश्ता बहाल करे के सलाह पर पाकिस्तान में उनुकर आलोचना हो रहल बा. कहल जात बा कि एहसे पाकिस्तान बनही पर सवाल खड़ा कइल जा रहल बा./li>
  • पाकिस्तानी वायुसेना के एगो जहाज के दुर्घटनाग्रस्त भइला से एगो नागरिक के मौत हो गइल जबकि दुनु पायलट घवाहिल हो गइले./li>
  • चीन के एगो कोयला खान भइल विस्फोट से 10 लोग के मौत हो गइल./li>
  • पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद में अतवार का दिने पाकिस्तानी तालिबान के कमांडर बख्त फरजंदी के गिरफ्तार कर लिहल गइल./li>

व्यापार व्यवसाय

  • केंद्रीय बिजली मंत्रालय के आंकड़ा बतावत बा कि प्रति व्यक्ति बिजली खपत का मामिला में बिहार सबसे पीछे बा. /li>

मनोरंजन

  • बॉलीवुड के दो दिग्गज अभिनेता सलमान खान आ शाहरुख खान के असहज रिश्ता का बीच मशहूर अदाकारा कैटरीना कैफ यशराज फिल्म्स (वाईआरएफ) के दू गो फिल्म करे के फैसला कइले बाड़ी. कैटरीना के कहना बा कि बालीवुड में कवनो तरह के खेमेबाजी नइखे./li>
  • बॉलीवुड के सदाबहार आ हरदिल अजीज अभिनेता शम्मी कपूर के अंतिम विदाई देबे पूरा बॉलीवुडे उमड़ पड़ल. अंतिम संस्कार का समय परिजनन का साथे बहुते नामचीन हस्ती मौजूद रहली सँ. रविकिशन एह बाति पर दुख जतवले कि बाहर रहला का चलते ऊ एह में ना जा सकले./li>
  • पंजाबो सरकार हिंदी फिल्म ‘आरक्षण’ से प्रतिबन्ध हटा लिहले बिया जवना का बाद सोमार से फिल्म के प्रदर्शन राज्य में शुरु हो गइल बा. /li>

खेल

  • भारतीय क्रिकेट टीम के प्रदर्शन के गिरत ग्राफ के सम्हारे के तरीका पर फैसला करे खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अध्यक्ष शशांक मनोहर अउर सचिव एन. श्रीनिवासन के जिम्मा दिहल गइल बा./li>
  • टेस्ट रैंकिग में सबे ऊपर आ गइल इंग्लैंड क्रिकेट टीम के कप्तान एंड्रयू स्ट्रॉस के ओवल टेस्ट का बाद अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) के रत्न जड़ित गदा सँउपल जाई./li>
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कप्तान रहल रिकी पोंटिंग के कहना बा कि मौजूदा इंग्लिश टीम के आक्रमण पंक्ति सबले मजबूत बा आ ई टीम सही मायने में विश्व के नंबर वन कहाये लायक बिया./li>
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के कोच एंडी फ्लावर कहले बाड़े कि अब उनुका टीम के अगिला लक्ष्य साल 2013 में होखे वाला विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप में जीते के बा./li>
  • भारतीय टेनिस स्टार सानिया मिर्जा सिनसिनाटी में होत साउदर्न टेनिस टूर्नामेंट का मुख्य दौर में ना जा पइली./li>

%d bloggers like this: