आजु के खास खबर
- अन्ना हजारे के मिलल समर्थन से सरकार घबड़ाइल
- अन्ना के जेल से रिहा करे खातिर पुलिस रिलीज वारण्ट जेल प्रशासन के भेजलसि.
- आजु सबेरे बिना कवनो अपराध कइले पुलिस अन्ना आ उनुका सहयोगियन के गिरफ्तार कर त लिहलसि बाकिर ओकरा बाद उनुका समर्थन में उमड़ल देश के देख के केन्द्र सरकार घबड़ा गइल आ उनुका के रिहा करे के फैसला कइल गइल.
- अन्ना के तिहाड़ जेल के ओही हिस्सा में भेजल गइल जहवाँ कलमाडी बन्द बाड़े.
- अन्ना हजारे के उनुका समर्थकन सहित आजु सबेरे गिरफ्तार कर लिहल गइल. सरकार के कहना बा कि ऊ कानून तूड़े वाला रहले एहसे गिरफ्तारी भइल.
बिहार
- लोक सेवा अधिकार कानून के बढ़िया से लागू करावे खातिर राज्य का हर जिला में सहायता केन्द्र खोलल गइल बा. अब कवनो सरकारी सेवा खातिर आवेदन करे वाला के ओही समय अठारह अंक के एगो खास नम्बर दे दिहल जाई जवना का सहारे ओह आवेदन का बारे में इंटरनेट भा एसएमएस से जानकारी लिहल जा सकी.
- अठाईस अगस्त के राज्य भर में शिविर लगा के लाखो परिवार के इन्दिरा आवास खातिर पासबुक दिहल जाई. आवास खातिर हर पास बुक में पहिले से तीस तीस हजार रुपिया जमा रही जवना से समय का भीतर आपन आवास बना लेबे के पड़ी, पइसा लिहला का बादो मकान ना बनावे वाला लोग पर केस चलावल जाई.
- गंगा नदी के लगातार उफनात जाये का चलते राज्य में बाढ़ के हालात गंभीर बन गइल बा. मुंगेर के शक्तिपीठ मँ चंडिका मंदिर के कपाट बाढ़ का चलते बन्द कर दिहल गइल बा. गुफा का भीतर बनल एह मंदिर में डाँड़ भर पानी भरल बा. छपरा पटना मार्ग पर अबहियो बाढ़ के पानी बहल जारी बा.
यूपी
- कुछ दिन से नौचे गिरत शारदा आ घाघरा नदियन में पानी फेर उफनाये लागल बा. आजु सबेरे घाघरा एल्गिन ब्रिज पर खतरा का निशान से पैंतालीस सेंटीमीटर बहत रहे. अयोध्या आ गोण्डा जिलो में घाघरा खतरा का निशान से ऊपर बहत बिया.
देश
- अन्ना हजारे के उनुका समर्थकन सहित आजु सबेरे गिरफ्तार कर लिहल गइल. सरकार के कहना बा कि ऊ कानून तूड़े वाला रहले एहसे गिरफ्तारी भइल.
- कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी बतावत बाड़े कि आपरेशन का बाद से सोनिया गांधी के स्वास्थ्य बढ़िया चलत बा,
- तमिलनाडु के कराईकुडी में केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के पैतृक घर में सेंहमारी करके चोरी कर लिहल गइल बा.
- जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला सोमार का दिने मानवाधिकार उल्लंघन बर्दाश्त न करे के आपन संकल्प दोहरवलन आ कहलन कि जे अइसन करी ओकरा के सजा दिहल जाई. उमर अब्दुल्ला के एह बयान के निशाना अलगाववादी भा आतंकवादियन पर ना रहे, उनुका निशाना पर सुरक्षा बल रहली सँ.
- मेघालय के विद्रोही संगठन ए’ चिक नेशनल वालंटियर्स काउंसिल (एएनवीसी) यूनाइटेड लिबरेशन फ्रंट ऑफ असोम (उल्फा) अउर नेशनल डेमोक्रेटिक फ्रंट ऑफ बोडोलैण्ड (एनडीएफबी) से मेघालय छोड़ देबे के कहले बावे काहे कि ऊ लोग पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी का सम्पर्क में रहेला.
दुनिया
- रूस में एगो छोटा निजी विमान नदी में गिर गइल. जवना से तीन लोग के मौत हो गइल.
- पाकिस्तान में सोमार का दिने तकनीकी खराबी का वजह से सैन्य प्रशिक्षण केंद्र का नगीचे एगो लड़ाकू विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.
- इराक में सोमार का दिने सात गो राज्य में भइल सिलसिलेवार बम विस्फोटन में 63 लोग के मौत हो गइल आ 260 जने घवाहिल हो गइले.
व्यापार व्यवसाय
- देश के शेयर बाजारन में आजु मंगल का दिने तेजी के रुख देखल गइल आ सेंसेक्स 176.36 अंक बढ़के खुलल.
मनोरंजन
खेल
- अमेरिका के अनुभवी टेनिस खिलाड़ी सेरेना विलियम्स महिला टेनिस संघ (डब्ल्यूटीए) द्वारा जारी विश्व वरीयता क्रम में ऊंच छलांग लगवले बाड़ी.
- फ्रांसीसी टेनिस खिलाड़ी रिचर्ड गास्क्वेट सिनसिनाटी में चलत साउदर्न टेनिस टूर्नामेंट के दूसरा दौर में पहुंच गइल बाड़न. जबकि सर्बिया के विक्टर ट्रायोस्की हार के मुंह देखले.
- रूसी महिला टेनिस खिलाड़ी स्वेतलाना कुज्नेतसोवा आ सर्बिया के एना इवानोविक अपना-अपना मुकाबला में जीतके साउदर्न टेनिस टूर्नामेंट के दूसरा दौर में पहुंच गइल बाड़ी.
(खबर दिन भर समय समय पर जोड़ात रहेला.)
256 total views, 5 views today