web analytics

अन्ना हजारे का जिद्द के जेल में बन्द सरकार के जमानत के राह नइखे लउकत

हर पल बदलत खबर का बीच एक खबर सबकुछ पर भारी पड़त बा कि अन्ना हजारे का जिद्द का जेल से निकले के कवनो राह कांग्रेस पार्टी आ केन्द्र सरकार के नइखे लउकत. अबही ले अन्ना जेल का भितरे बाड़े आ समर्थक तिहाड़ जेल का बाहर धरना दिहले बइठल बाड़े.

एह मसला पर राजनीतिक उठापटक चालू बा. भाजपा के केन्द्रीय समिति का बइठक में तय भइल बा कि संसद के दुनु सत्र में अन्ना मसला पर चरचा के माँग कइल जाई आ प्रधानमंत्री छोड़ दोसरा कवनो मंत्री के बयान ना सकारल जाई.

कांग्रेस कोर समिति के बइठको खतम हो गइल बा. ओहिजा से जवन खबर छन के बाहर आइल बा ओकरा से हालात साफ नइखे होखत. वइसे शायद प्रधानमंत्री संसद में एह मुद्दा पर बयान दे सकेले अगर संसद के माहौल ठीक रहल. एहमें अगर पर बेसी जोर बा.

मीडिया के हाल ई बा कि अधिकतर न्यूज चैनल पर अन्ना मसला सबकुछ दबा दिहले बा त सरकारी चैनलन पर अन्ना मसले साफे नदारद बा. शायद एही चलते सरकारी चैनलन के केहू देखल ना चाहे, मजबूरी में देखे पड़े त अलग बाति बा.

 184 total views,  5 views today

%d bloggers like this: