Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 18 अगस्त, बियफे


आजु के खास खबर

  • चारा घोटाला : लालू अउर जगन्नाथ के याचिका खारिज
  • अफजल के फांसी से काश्मीर घाटी में अशान्ति के अनेसा बा, कहले उमर अब्दुल्ला
  • रामलीला मैदान तइयार ना होखला का चलते आजुओ अन्ना हजारे तिहाड़ जेल से बाहर ना निकलिहे. अब काल्हु शुक का सबेरे उनुका निकले के बात कहल जा रहल बा.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी चुपे चोरी आजु बियफे का दिने महाराष्ट्र के पुणे में गत नौ अगस्त के भइल पुलिस गोलीबारी में मराइल किसानन के परिवारवालन से भेंट कइलन.
  • देश के शेयर बाजारों में बियफे का दिने भारी गिरावट का बाद सेंसेक्स 371.01 अंक गिर के 16,469.79 पर बंद भइल.

बिहार

  • चारा घोटाला : लालू अउर जगन्नाथ के याचिका खारिज
  • बिहार के पश्चिमी चंपारण जिले के मधुबनी प्रखंड के अंचलाधिकारी (सीओ) के आजु बियफे का दिने विजिलेंस दस्ता घूस लेत पकड़ के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • अन्ना हजारे का समर्थन में अनशन पर पटना में कारगिल चौक पर बइठल अनशनकारियन में दू जने के तबियत खराब हो गइल बा आ डाक्टर ओह लोग के ग्लूकोज चढ़ावे के सलाह दिहले बाड़े.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद जिला के हिंसावाला इलाकन हालात सुधरला के मद्देनजर कर्फ्यू में ढील बढ़ाके 18 घंटा कर दिहल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के कानपुर शहर में बियफे का दिने छात्रन से भरल स्कूल वैन के एगो ट्रक टक्कर मार दिहलसि जवना चलते 10 गो छात्र घवाहिल हो गइल बाड़े जवना में पांच गो के हालत नाजुक बतावल जात बा.

देश

  • अफजल के फांसी से काश्मीर घाटी में अशान्ति के अनेसा बा, कहले उमर अब्दुल्ला
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी आजु बियफे का दिने लोकसभा में बेनामी संव्यवहार (प्रतिषेध) विधेयक 2011 पेश कइलन जवन पारित होखला का बाद मौजूदा बेनामी संव्यवहार (प्रतिषेध) कानून 1988 के जगह ले ली.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय दिल्ली के महापौर रजनी अब्बी के एह पद के लायक ना बतावे वाली याचिका पर फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • अन्ना हजारे से परामर्श के बाद सरकार से लोकपाल विधेयक का एगो नया मसौदा तैयार करे के अनुरोध करत वरिष्ठ वकील शांति भूषण कहले बाड़े कि गांधीवादी अन्ना हजारे के मांग पर सरकार के राजी भइल ई देखावत बा कि टीम अन्ना हमेशा तर्कसंगत रहुवे.
  • सर्वोच्च न्यायालय धन के हेराफेरी आ कर चोरावे के आरोपी हसन अली खान के बम्बई उच्च न्यायालय से मिलल जमानत पर लागल रोक 26 अगस्त तक बढ़ा दिहले बा.
  • भाजपा के वरिष्ठ सांसद सुमित्रा महाजन बियफे का दिने लोकसभा में स्टेट बैंक ऑफ इंदौर के अस्थायी कर्मचारियन के मुद्दा जोर-शोर से उठवली आ सरकार से निहोरा कइली कि स्टेट बैंक ऑफ इंदौर के अस्थायी कर्मचारियन के निकाले से स्टेट बैंक के रोकल जाव.
  • अन्ना हजारे के समर्थन में देश भर में गजब के जनसैलाब उमड़त बा. जइसन माहौल बनल बा ओकरा के देख के नइखे लागत कि उ जल्दी थथमे वाला बा. आजु तिसरको दिने देश भर में शांतिपूर्ण विरोध-प्रदर्शन आ रैलियन के दौर जारी रहल.
  • दिल्ली एयरपोर्ट मेट्रो कभी-कभार यात्रा करे वाला लोग के सुविधा खातिर निर्धारित किराया में 25 फीसदी छूट वाली ‘छोटा कार्ड’ सेवा शुरू कइले बिया.
  • रामलीला मैदान तइयार ना होखला का चलते आजुओ अन्ना हजारे तिहाड़ जेल से बाहर ना निकलिहे. अब काल्हु शुक का सबेरे उनुका निकले के बात कहल जा रहल बा.
  • माकपा पोलित ब्यूरो सदस्य एस. रामचंद्रन पिल्लै बियफे का दिने एगो सड़क दुर्घटना में घवाहिल भइला का बाद अस्पताल में बाड़े बाकिर उनुकर हालत स्थिर बा.
  • अन्य पिछड़ा वर्ग (ओबीसी) के छात्रन खातिर दाखिला में सामान्य श्रेणी के छात्रन का मुकाबिले निर्धारित अर्हता 10 प्रतिशत कम होई.
  • कृषि वैज्ञानिक आ सोनिया गांधी के नेतृत्व वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सदस्य एम. एस. स्वामीनाथन कहले बाड़न कि सस्ता दर पर अनाज दिहला का बदले नकदी दिहल ठीक ना रही.
  • प्रभावी लोकपाल खातिर तिहाड़ जेल में अनशन पर बइठल अन्ना हजारे आजु जेल से बहरी निकलिहे आ रामलीला मैदान में अनशन जारी रखीहे.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी चुपे चोरी आजु बियफे का दिने महाराष्ट्र के पुणे में गत नौ अगस्त के भइल पुलिस गोलीबारी में मराइल किसानन के परिवारवालन से भेंट कइलन.
  • ओडिशा में पसरल डेंगू महामारी से आजु एगो अउरी मरीज के बाद एहसे मरे वालन के गिनिती 16 हो गइल बा.
  • विपक्षी दल बियफे का दिने संसद में माँग कइले कि सरकार साफ बतावे कि अन्ना हजारे के भ्रष्टाचार विरोधी आंदोलन का पाछा कवना विदेशी ताकत के हाथ बा. सरकार कहले रहल कि अन्ना के आंदोलन के पीछे विदेशी शक्तियन के हाथ बा.
  • अन्ना हजारे आ उनुकर सहयोगी रामलीला मैदान पर अनशन शुरू करे से पहिले दिल्ली पुलिस के एगो ‘सुधारल’ हलफनामा पर दस्तखत कर दिहले.
  • कुछ महीना पहिले कांग्रेस से निकलल वाईएसआर कांग्रेस अध्यक्ष जगनमोहन रेड्डी का आवास आ दोसर कई जगहा बियफे का दिने सीबीआई के छापा पड़ल बा.
  • भ्रष्टाचार का खिलाफ अनिश्चितकालीन अनशन पर बइठल अन्ना हजारे से प्रेरणा लेके पाकिस्तान के एगो 68 साल के आदमी 12 सितम्बर से इस्लामाबाद में भूख हड़ताल पर बइठे के योजना बनवले बाड़े.
  • राजीव गांधी चैरिटेबल ट्रस्ट खातिर हरियाणा सरकार के दिहल जमीन मुद्दा पर बियफे का दिने भाजपा लोकसभा में जमके हंगामा कइलसि जवना चलते कार्यवाही रोक देबे के पड़ल.
  • अन्ना हजारे के गांव रालेगांव सिद्धि के लोग आजु बियफे का दिने नहाइल ना काहे कि अन्ना के तिहाड़ जेल में काल्हु नहाये खातिर पानी ना मिलल रहे.
  • रामलीला मैदान में शुक से अन्ना हजारे के अनशन में हिस्सा लेबे वाला उनुका समर्थकन के दिल्ली मेडीकल एसोसिएशन (डीएमए) का तरफ से डॉक्टरन के एगो दल चिकित्सा सहायता उपलब्ध कराई.
  • हरियाणा के हथिनीकुण्ड बैराज से पानी छोड़ला का चलते बियफे का दिने दिल्ली में यमुना नदी के जलस्तर खतरा का निशान से ऊपर बनल रहल.
  • गुजरात के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी संजीव भट्ट का खिलाफ एगो 21 साल पुरान मामिला में जामनगर के एगो अदालत जमानती वारंट जारी कइले बिया.
  • केरल उच्च न्यायालय बुध का दिने ओहिजा के 11 गो निजी मेडिकल कालेजन के प्रवेश परीक्षा के अमान्य बतावत राज्य सरकार से सगरी सीटन पर दाखिला खातिर फेर से प्रवेश परीक्षा करावे के आदेश दिहले बावे.

दुनिया

  • इजरायल के दक्षिणी इलाके में कुछ गाड़ियन पर बियफे का दिने भइल हमला में कम से कम पांच लोगो के मौत हो गइल आ कम से कम 25 जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • सीरिया में विद्रोहियन का खिलाफ सैन्य कार्रवाई रोक दिहल गइला के जानकारी ओहिजा के राष्ट्रपति बशर अल-असद संयुक्त राष्ट्र के महासचिव बान की-मून के दिहले बाड़े.
  • अफगानिस्तान के हेरात प्रांत में एगो मिनी बस सड़क किनारे भइल बम विस्फोट का चपेटा में आ गइल जवना से कम से कम 22 लोग मारल गइले आ बहुते घवाहिल हो गइले.
  • इंडोनेशिया के उत्तरी सुलावेसी प्रांत में माउंट लोकोन बुध का दुपहरिया से राख उगिलल शुरू कर दिहले बा जवना चलते अगल बगल के लोग के सुरक्षित जगहा हटावल गइल बा.
  • पाकिस्तान के बंदरगाह शहर कराची में भड़कल हिंसा में मरे वालन के गिनिती बढ़के 38 हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय

  • फेडरेशन ऑफ इंडियन चैम्बर्स ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री (फिक्की) के राय बा कि प्रस्तावित वस्तु एवं सेवा कर सगरी क्षेत्र खातिर एक बरोबर आ 12 फीसदी राखल जाव. कवनो क्षेत्र के बाहर मत राखल जाव काहे कि एहसे दोसरा क्षेत्र पर एकर खराब असर पड़ी.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी अगिला महीना एगो उच्चस्तरीय व्यापारिक प्रतिनिधिमंडल का साथे अमेरिका जइहे जहवां ऊ भारत में अमेरिकी निवेश बढ़वावे के कोशिश करीहे.
  • देश के शेयर बाजारों में बियफे का दिने भारी गिरावट का बाद सेंसेक्स 371.01 अंक गिर के 16,469.79 पर बंद भइल.
  • कम्प्यूटर क्षेत्र के दिग्गज कम्पनी आईबीएम एगो अइसन कम्प्यूटर चिप बनवले बिया जवन आदमी का दिमाग माफिक काम करी.
  • देश की अग्रणी टेलीकॉम कम्पनी भारती एअरटेल 30 अक्टूबर से ग्रेटर नोएडा में होखे जा रहल पहिला इंडियन ग्रां पी के आधिकारिक प्रायोजक बनल बिया.
  • कहल जा रहल बा कि दुनिया के बाजार में सोना के बढ़ल दाम का पाछा भारत आ चीन बा जहवाँ एकर सबले बेसी खपत हो रहल बा.

मनोरंजन

  • भारतीय फिल्म नेपाल में हलचल मचवलसि
    – सुदेशना सरकार
    काठमांडू, 18 अगस्त (आईएएनएस). भारतीय फिल्मकार आदित्य सेठ के 65 मिनट के वृत्तचित्र ‘बहादुर: द एक्सीडेंटल ब्रेव’ से नेपाली समाज में खलबली मच गइल बा. एह फिल्म में देखावल गइल बा कि के तरह आपन पेट भरे मुम्बई चहुँपल नेपाली मजदूर ओहिजा एड्स के शिकार हो जात बाड़े.
    एह फिल्म से नेपाल के नीतिनिर्देशकन के ई अहसास भइल बा कि राजनीतिक अव्यवस्था आ अविकास से कतना बड़ मानवीय त्रासदी हो रहल बा.
    फिल्म में आदित्य सेठ (46) देखवाल गइल बा कि जब जवान नेपाली भारत आवेला त ओकरा धन आ आजादी दुनु मिल जाला जवना का बाद ऊ कुसंगति में पड़ के जुआ खेले आ शराब पियला का दोस्तन का बहकावा पर रेड लाइट इलाके में जाइल शुरू कर देले. फेर जबले उनुका पता चलेला तबले ऊ एड्स से पीड़ित हो चुकल रहेले आ अपना मेहरारऊओ के इंफेक्टेड कर दिहले रहेले. फिल्म के कहानी नेपाल के अच्छाम जिला पर केंद्रित बा जवन जिला माओवादी हिसा से बुरी तरह प्रभावित बा आ जहवाँ से बड़हन संख्या में लोग रोजगार खातिर बाहर गइले. ई फिल्म नेपालियन के प्रवास, ओकर सामाजिक-राजनीतिक कारण आ मुम्बई में उनुकर जीवनशैली पर आधारित बा.
    नेपाल में एह फिल्म के प्रीमियर पर मिललजुलल प्रतिक्रिया भइल बा. नेपाल के रुढ़िवादी आ बुजुर्ग दर्शकन के कहना बा कि फिल्म नेपाल के गरिमा घटवले बा. आदित्य सेठ के कहना बा कि ऊ वास्तविकता देखावे के कोशिश कइले बाड़न.
    (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
  • गोवा में आयोजित होखे वाला दक्षिण एशिया फिल्म महोत्सव (एसएएफएफ) में दिवंगत अभिनेता शम्मी कपूर के सम्मानित करके श्रद्धांजलि दिहल जाई.

खेल

  • ओवल टेस्ट : बरखा का चलते पहिला दिने बस 26 ओवर के खेल हो सकल. खाये का छूट्टी का बाद बरखा के रुकत ना देख अंपायर ओकरा बाद के खेल टार दिहले.
  • भारतीय फुटबाल टीम के कप्तान रहल बाइचुंग भूटिया अगिला दू-तीन दिन में अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास लेबे के एलान कर सकेले.
  • इंगलिश क्रिकेट टीम आजु टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के तय कइलसि आ भोजनकाल तक बिना कवनो नुकसान के 75 रन बना लिहले रहल.
  • भारतीय मुक्केबाज अखिल कुमार 22 सितम्बर से अजरबेजान मे होखे जा रहल विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में भारत के 10 सदस्यीय टीम में लिहल गइल बाड़े.
  • दुनिया के माथ खिलाड़ी डेनमार्क के कैरोलिन वोजनियास्की, पहिले के माथ खिलाड़ी रहल सेरेना विलियम्स अउर सर्बिया के एना इवानोविक सिनसिनाटी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के दूसरका दौर में हार गइल बाड़ी जा.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी देश के क्रिकेट चयनकर्तालोग आ क्रिकेट बोर्ड के नाम संदेश जारी कइले बाड़न कि टीम के जगवला के जरूरत नइखे काहे कि ऊ सूतल नइखे.
  • श्रीलंकाई टीम में आस्ट्रेलिया के साथ होखत पांच मैचन के एकदिना श्रृंखला के आखिरी दू मुकाबिला में बल्लेबाज दिनेश चांडीमल, हरफनमौला थिसिरा परेरा अउर लतरहत्था स्पिनर रंगना हेराथ के टीम से बाहर कर दिहल गइल बा.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: