पटना, 19 अगस्त (आईएएनएस). बिहार के सगरी बड़की नदियन में फेर से उफान आ गइल बा. कुछ खतरा के निशान से ऊपर बहत बाड़ी सँ जवना चलते कई इलाकन में बाढ़ आ गइल बा. पांच गो जिला में राहत आ बचाव दल तैनात कर दिहल गइल बा.
पटना स्थित बाढ़ नियंत्रण कक्ष के अनुसार राज्य के कई बड़की नदी खतरा के निशान से ऊपर बहत बाड़ी सँ. गंडक नदी पर बनल वाल्मीकी बैराज से साँझ चार बजे 1,90,600 क्यूसेक पानी छोड़ल गइल आ कोसी नदी पर बनल वीरपुर बैराज से दुपहरिया में 1,51,800 क्यूसेक पानी छोड़ल गइल रहे. एह चलते नदियन के जलस्तर अउरी उफनाये के अनेसा बा.
एगो अउरी अधिकारी बतावत बाड़े कि बागमती नदी बेनीबाद में, बूढ़ी गंडक खगड़िया में अउर कमला बलान झंझारपुर में खतरे का निशान के ऊपर बहत बाड़ी सँ जबकि गंगा पटना के गांधीघाट आ पुनपुन नदी श्रीपालपुर में खतरे के निशान पार कर गइल बाड़ी सँ.
ओने, भागलपुर, मुंगेर, गोपालगंज, मुजफ्फरपुर, सहरसा, मधेपुरा, सुपौल आ खगड़िया जिला के कई इलाकन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. भागलपुर के करीब 50 गांव में बाढ़ के पानी घुसल बा जबकि सुपौल जिला के त्रिवेणीगंज प्रखंड के शहरी इलाको में घुसल बा. कई इलाकन में खेत में लागल फसल डूब गइल बा.
राहत आ बचाव दल के सुपौल, सहरसा, खगड़िया, मधेपुरा अउर गोपालगंज में तैनात कर दिहल गइल बा.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)