Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

लोकपाल आंदोलन : समर्थकन के हुजूम का साथे रामलीला मैदान पहुंचले अन्ना


नई दिल्ली, 19 अगस्त (आईएएनएस). बरखा आ सड़क पर उतरल घनघोर जनसैलाब के जोशीला नारा का बीच चार दिन से अनशन पर बइठल अन्ना हजारे के कारवां तिहाड़ जेल से चल के रामलीला मैदान चहुँप गइल बा. रामलीला मैदान चहुँपे से पहिले अन्ना महत्मा गांधी के समाधि स्थल राजघाट पर जाके बापू के श्रद्धांजलि दिहले.

आजु शुक के करीब पौने बारह बजे तिहाड़ जेल से बाहर निकलला का बाद करीब अढ़ाई घंटा के सफर करत अन्ना रामलीला मैदान चँहुपले. राजघाट पर आपन स्वस्थ होखे के संदेश देत ऊ कुछ दूर दउड़िओ के गइले. रामलीला मैदान में हजारों के तादाद में मौजूद उनुकर समर्थक पूरा जोश का साथे उनुकर स्वागत कइले.

एहसे पहिले, अन्ना तिहाड़ जेल का बाहर ‘भारत माता की जय’ अउर ‘वंदेमातरम्’ के नारा लगवले. कहले कि 1947 में मिलल आजादी के लड़ाई 1942 में शुरू भइल रहे. आ अब 16 अगस्त से दुसरकी आजादी के लड़ाई शुरू हो गइल बा जवना के अंजाम तक रउरा पहुंचावे के बा.

अन्ना कहले कि अन्ना रहसु भा ना रहसु लेकिन भ्रष्टाचार का खिलाफ जरल ई मशाल जरत रहे के चाही.कहले कि, “जेल के बाहर चार दिन से बइठल रउरा सभे के हम धन्यवाद देत बानी आ सभका से अपील करतानी कि अधिका से अधिका संख्या में रामलीला मैदान चहुँपी सभे.”

करीब दू किलोमीटर लमहर अन्ना के एह ऐतिहासिक कारवां में शामिल कुछ लोग मंगले से तिहाड़ का बाहर उनुका निकले के इंतजार करत रहलर. अन्ना के मंगल का सबेरे अनशन स्थल जेपी पार्क जाये से पहिलही गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.

बाद में साँझ खानि उनुकर रिहाई के आदेश दे दिहल गइल रहे बाकिर अन्ना जेल से निकले से इंकार कर दिहले आ कहले किजबले उनुका के दिल्ली में कवनो सार्वजनिक जगहा बिना शर्त अनशन करे के अनुमति ना मिली तबले बाहर ना निकलिहे.

आजु एगो खुला ट्रक पर सवार अन्ना का पीछे चलत लोग बरखा से बेपरवाह ‘इंकलाब जिंदाबाद’, ‘जय हिंद’ आ ‘भारत माता की जय’ जइसन जयकार लगावत रहे.

अन्ना के प्रमुख सहयोगी केजरीवाल आजु कहले कि एह आंदोलन के दौरान कवनो राजनीतिक पार्टी के नेता के अन्ना का मंच पर ना जाये दिहल जाई. हँ, केहू समर्थन में आवत बा त ओकर स्वागत बा.

केजरीवाल से ई पूछला पर कि भाजपा कार्यकर्ता एहमें बढ़-चढ़के शामिल बाड़े त ऊ कहले कि, “हमनी का केहू के मना नइखी करत आ सभकर स्वागत बा. ऊ लोग एहिजा आ के बाकी समर्थकन का साथे बइठ सकेले.”

अन्ना के बरगवला के आरोप पर केजरीवाल के कहना रहल कि, “अन्ना कवनो लड़िका नइखन कि हम उनुका के बरगलावत बानी. ऊ बरीसन से समाजसेवा में लागल बाड़न आ हम त पिछला पाँचे साल से उनुका संपर्क में बानी. हमरा से पहिले उनुका के के बरगलावत रहल ? सरकार लोग के गुमराह करत बिया. अन्ना अपना अनशन के बल पर अबही ले सात गो कानून बनवा चुकल बाड़े.”

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

%d bloggers like this: