Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

लखनऊ हवाईअड्डा पर शनिचर का दिने एयर इंडिया…


  • लखनऊ हवाईअड्डा पर शनिचर का दिने एयर इंडिया के एगो जहाद उड़ान भरला का कुछ ही मिनट बाद एगो चिड़िया से टकरा गइल जवना का बाद ओकरा के उतार लेबे के पड़ल. सगरी यात्री सुरक्षित बाड़े.
  • लखनऊ पुलिस शनिचर का दिने एक करोड़ रुपिया के हेरोइन का साथे दू गो तस्करन के गिरफ्तार कइलसि.
  • प्रदेश में बाढ़ के हालात अउरी बिगड़. नेपाल के बनबसा बराज आ उत्तराखंड के भीमगौड़ा आ हरियाणा के ताजेवाला बराज से ढेर पानी छौड़ला का चलते कई गो नदियन के पानी उफनाइल. गंगा, यमुना, रामगंगा आ मालन नदियन के पानी कई जगहा पर खतरा के निशान से उपर बहत बा.
  • पूर्वांचल में घाघरा आ सरयू नदी कई जिलन में खतरा का निशान से उपर. मांझा के संपर्क टूटल.
  • बस्ती जिला में पच्चीस गो गाँव बाढ़ का पानी में डूबल.
  • सर्वोच्च न्यायालय उत्तर प्रदेश के ओह आदेश के निरस्त कर दिहलसि जवना में फिल्म “आरक्षण” पर दू महीना के रोक लगावल रहे.
  • बलिया में काल्हु बलिया बलिदान दिवस मनावल गंइल. एही दिने साल 1942 में बलिया बाकी देश से पहिले अपना के आजाद घोषित कर दिहले रहल. ओह दिन बलिया जेल से सगरी कैदियन के रिहा कर दिहल गइल रहे आ चित्तू पाण्डेय अपना के बलिया के डीएम घोषित कर दिहले रहन.
  • जौनपुर जिला के रामनगर बासूपुर गाँव में काल्हु सबेरे एगो औरत आ लड़िकी डूब के मर गइली सँ.
  • बीपीएल लोग के मुकदमा अब सरकार अपना खरचा पर लड़वाई. एह खातिर हर जिलाधिकारी एक लाख रुपिया खर्च कर सकेले.

%d bloggers like this: