Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

बिहार के खबर, अतवार 21 अगस्त का दिने


  • बिहार सरकार माध्यमिक शिक्षा मजबूत करे खातिर राज्य में पन्द्रह हजार नया माध्यमिक स्कूल खोले के फैसला कइले बिया. रिटायर्ड होखे वाला शिक्षकन के फेर दू साल खातिर संविदा पर राखल जाई.
  • बिहार में मार्च का पहिले डेढ़ लाख शिक्षकन के बहाली कर लिहल जाई.
  • बाढ़ के हालात अबहियो खराबे बा. मधुबनी का मधेपुर प्रखंड में तीन सौ घर पानी में डूबल. कोसी आ भुतही बलान के उफनाइल जारी. दरभंगा के कुशेश्वर स्थान में बाढ़ के पानी घुसल. गोपालगंज में गंडक नदी के तेज कटाव. भागलपुर के गोपालपुर, बिहपुर, इस्लामपुर, सुल्तानगंज, सबौर, गौड़ाडीह प्रखंड में बाढ़ के हालात खराब.
  • अपना पार्टी के बिहार प्रदेश इकाई के उद्घाटन करे आइल अमर सिंह काल्हु अन्ना हजारे आ नीतीश का खिलाफ बहुते कुछ कहलन. अन्ना हजारे का आन्दोलन से देश में संकट बढ़ जाई आ नीतीश का चलते साम्प्रदायिकता.
  • केन्द्र सरकार बिहार के पन्द्रह गो जिला के देश के बहुते गरीब जिलन का सूची में डललसि. एहन के नाम बा अररिया, दरभंगा, गया, जमुई, कटिहार, लखिसराय, मधुबनी, मुंगेर, मुजफ्फरपुर, नवादा, पुर्णिया, समस्तीपुर, शिवहर, सुपौल, आ वैशाली. अब एह जिला के बीपीएल परिवारन के सस्ता दर पर राशन मिलल करी.
  • वामपंथी रुझान वाला इतिहासकार प्रोफेसर रामशरण शर्मा के काल्हु पटना के एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल जहाँ उनुका के चार दिन पहिले भरती करावल गइल रहे.
  • आजु जन्माष्टमी ह जवना खातिर धूमधाम से तइयारी चल रहल बा. मंदिर में आजु भजन कीर्तन के खास इन्तजाम कइल गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के कोतवा थाना के बेलवा आ बंगरा गाँव का बीच राजमार्ग अठाईस पर एगो ट्रक का चपेटा में आ के दू गो साइकिल सवार कचार के मर गइले.
  • गोपालगंज के हथुआ प्रखंड के जिगना जगरनाथ पंचायत के मुखिया आ पंचायत सचिव पर मुकदमा दर्ज भइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के लखनौता गाँव में बिजली के तार टूट के गिरला से एक आदमी के मौत हो गइल बा.
  • रोहतास जिला में बेसी दाम पर खाद बेचे वाला चार गो विक्रेता के लाइसेंस रद्द कर दिहल गइल बा.
  • सिवान जिला के नौतन प्रखंड के रहीमपुर गाँव के एकही परिवार के तीन गो लड़िकी के मौत कवनो अनजान बेमारी से हो गइल बा. गाँव में चिकित्सकन के टीम भेजल गइल बा.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: