सरकार का ओरि से कवनो प्रस्ताव नइखे मिलल : अरविन्द केजरीवाल

नई दिल्ली, 22 अगस्त (आईएएनएस). प्रभावी लोकपाल खातिर अनशन पर बइठल अन्ना हजारे के सहयोगी अरविंद केजरीवाल आजु सोमार का सबेरे कहले कि सरकार का ओरि से बातचीत के कवनो प्रस्ताव नइखे मिलल.

केजरीवाल कहलन कि, “केहू हमनी से सम्पर्क नइखे कइले.”

कहले कि, “प्रधानमंत्री मीडिया से कहले बाड़न कि ऊ बतियावे के तइयार बाड़े त हमनीओ का रउरे लोग का माध्यम से पूछत बानी कि बतियावे खातिर कहवाँ जाये के बा आ केकरा से भेंट करे के बा. सुने में त आवत बा कि ऊ लोग बतियावल चाहत बा बाकिर जबले हमनी के कवनो ठोस प्रस्ताव नइखे मिलता तबले हमनी का कुछ टिप्पणी ना कर सकीं”

गुंडागर्दी के आरोप लगवला का बारे में केजरीवाल कहलर कि अपना सांसदन का सोझा विरोध प्रदर्शन करे के कहला में कवनो गलती नइखे. केजरीबाल एकरो आलोचना कइके कि सांसद अपना निर्वाचन क्षेत्र के नियमित दौरा ना करसु.

ओने खड़गपुर में प्रधानमंत्री कहले कि जेकरा लोकपाल बिल से विरोध बा उनुका संसद के स्थायी समिति का सोझा जाये के चाहीं भा अपना सांसदन से संपर्क करे के चाही.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)