Go to ...
RSS Feed

देश दुनिया के खबर, शुक 26 अगस्त का दिने


देश

  • अन्ना हजारे के अनशन के 11वों दिन बात ओही तरह अझूराइल बा बाकिर उनुका समर्थकन के उत्साह में कवनो कमी नइखे आइल.
  • हत्या के एगो मामिला में मुख्य आरोपी कांची शंकराचार्य जयेंद्र सरस्वती एह आरोप के खंडन कइले बाड़न कि ऊ न्यायाधीश से अपना के बरी करे के कहले.
  • मध्य प्रदेश के सहकारिता मंत्री गौरी शंकर बिसेन के एगो कथित जातिसूचक टिप्पणी के जाँच करे खातिर पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष प्रभात झा एगो समिति बना दिहले बाड़े.
  • राजधानी दिल्ली समेत देश के कई इलाकन में पिछला 24 घंटा में कहीं कम त कहीं बेसी बरखा भइल आ अगिला दू-तीन दिन ले मध्य भारत आ पश्चिम किनार के इलाकन में मानसून सक्रिय रह सकेला.
  • शिव सेना प्रमुख बाल ठाकरे आजु फोन पर अन्ना हजारे से बतियवले आ उनुकर हालचाल लेबे खातिर अपना पोता के नई दिल्ली के रामलीला मैदान में भेजले.
  • पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या का आरोप में तीन लोग के तमिलनाडु के वेल्लूर जेल में नौ सितम्बर के फांसी दिहल जाई. संसद पर हमला करे वाला आतंकी अफजल गुरु पर अबही ले कवनो फैसला राष्ट्रपति नइखी कइले.
  • दिल्ली यातायात पुलिस चहले त रहे कि अन्ना समर्थकन के खिलाफ सोशल नेटवर्किंग साइट पर माहौल बनावल जाव बाकिर ओकरा चाल उक्टा पड़ गइल आ ओकरे पर लोग पक्षपात करे के आरोप लगावे लागल.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में अपेक्स बैंक के वरिष्ठ अधिकारी अमर सिंह के आवास पर शुक का दिने लोकायुक्त के छापा पड़ल.
  • भूमि अधिग्रहण (संशोधन) विधेयक आ पुनर्वास अउर पुनस्र्थापन विधेयक के संसद में पेश करे में हो रहल देरी पर चिंता जतावत ग्रामीण विकास से सम्बंधित संसद के स्थायी समिति सरकार से अपील कइले बिया कि ए ह विधेयक के संसद के मौजूदे सत्र में पेश कइल जाव.
  • सर्वोच्च न्यायालय एगो विशेषज्ञ समिति के रिपोर्ट का आधार पर कर्नाटक के तुमकुर आ चित्रदुर्गा जिलन में लौह अयस्क के खनन पर रोक लगा दिहलसि. बेल्लारी जिला में पहिलही से रोक बा.
  • राज्यपाल कमला बेनीवाल शुक का दिने उच्च न्यायालय के सेवानिवृत्त न्यायाधीश न्यायमूर्ति आर.ए. मेहता के गुजरात के नया लोकायुक्त नियुक्त कर दिहली. गुजरात में पिछला कई साल से लोकायुक्त के पद खाली रहुवे जवना खातिर मोदी सरकार के आलोचना होत रहल.
  • लोकपाल पर बहस के बाद मतदान चाहतिया भाजपा. बाकिर सरकार एह खातिर तइयार नइखे. बतावल जात बा कि काल्हु सदन में बिना कवनो नियम के चरचा होई जवना के शुरुआत प्रणव मुखर्जी करीहें. एह चरचा खातिर काल्हु शनिचरो का दिने संसद चलावल जाई.
  • केन्द्र सरकार मानव अंग प्रत्यारोपण अधिनियम में संशोधन विधेयक शुक का दिने राज्यसभा में पेश कइलसि. एह संशोधन के मकसद बा कि दादा-दादी आ पोता-पोती के नजदीकी रिश्तेदार मान लिहल जाव आ मानव अंग के खरीद-फरोख्त रोकल जाव.
  • कांग्रेस सांसद संदीप दीक्षित लोकपाल पर राहुल गांधी के राय के प्रशंसा करत सरकार से ओह पर गम्भीरता से सोचे के कहले बाड़न. राहुल चाहत बाड़े कि चुनाव आयोग का तरह लोकपालो के संवैधानिक दर्जा दिहल जाव.
  • अन्ना हजारे के एगो कथित समर्थक शुक का दिने अकेलजी संसद भवन परिसर में दाखिल हो गइल आ नारेबाजी शुरू कर दिहलसि. ओकरा के हिरासत में ले लिहल गइल. बाकिर ओकरा के एगो कांग्रेसी सांसद का पैरवी पर पास मिलल रहे.
  • संसदीय प्रक्रिया के दरकिनार करे का सवाल पर अन्ना हजारे के एगो वरिष्ठ सहयोगी के कहना बा कि अइसनका नियम बाड़ी सँ जवन कवनो मसला पर चरचा ला लोकसभा के प्रक्रिया दरकिनार करे के इजाजत देली सँ.
  • अपना लमहर चुप्पी के सफाई देत कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी कहले कि ऊ ढेर समय एही से लिहले कि बोले से पहिले बढ़िया से सोच लेबे चाहत रहले.
  • रामलीला मैदान के वीआईपी प्रवेश द्वार से अन्ना हजारे के अनशन स्थल पर जबरदस्ती घुसे के कोशिश करत पांच लोग के पुलिस शुक का भोरे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • लोकपाल मुद्दा पर राहुल गाँधी फच्चर फँसवले.
  • झारखण्ड विधानसभा में शुक का दिने एगो प्रस्ताव पारित करके अन्ना हजारे से आपन अनशन तूड़े के निहोरा कइल गइल.
  • प्रभावी लोकपाल खातिर अनशन पर बइठल अन्ना हजारे के कहना बा कि नियम-कानून जनता के हित से उपर ना हो सके.
  • प्रधानमंत्री आवास का लगे के चार गो मेट्रो स्टेशनन पर आजु रेलगाड़ियन के परिचालन फेर पहिले जइसन हो गइल बा. काल्हु एह स्टेशनन के को सुरक्षा कारण से बंद कर दिहल गइल रहे जब अन्ना समर्थक ओहिजा प्रदर्शन करे खातिर बिटोराये के एलान कइले रहले. आजु राहुल गाँधी के घर का बगल से जाये वाला हर रास्ता बन्द कर दिहल गइल बा काहे कि आजु ओहिजा अन्ना समर्थकन के जुटान होखे वाला बा.
  • अन्ना समर्थक भोपाल में कांग्रेस कार्यालय पर प्रदर्शन कइले आ अन्ना खातिर समर्थन मँगले.
  • जन लोकपाल विधेयक पर समर्थन जुटावे खातिर अन्ना हजारे के सहयोगी सगरी दल वालन से भेंट मुलाकात करत बाड़े.
  • बियफे का रात शराब का नशा में हुड़दंग करे वाला 5 गो उपद्रवियन के हिरासत में ले लिहलसि.
  • राहुल गाँधी बियफे का दिने भूमि अधिग्रहण विधेयक पर बतियावे खातिर प्रधानमंत्री से मिलले.

दुनिया

  • अफ्रीकी देश नाइजीरिया के राजधानी अबूजा में शुक का दिने संयुक्त राष्ट्र के इमारत का लगे भइल एगो कार विस्फोट में कम से कम 10 लोग मरा गइले आ इमारत के एक हिस्सा छितरा गइल.
  • लीबिया संकट पर संयुक्त राष्ट्र सभका से संयम बरते के अपील कइलसि.
  • लीबिया में लड़ाई तेज होखला का बादओहिजा मराइल एगो भारतीय के लाश एहिजा ले आवे के कोशिश हो रहल बा. जे लोग वापिस आवे के चाहत बा सरकार ओह लोग के सहायता के पेशकश कइले बिया.
  • जापान के प्रधानमंत्री नाओतो कान ने शुक का दिने डेमोक्रेटिक पार्टी ऑफ जापान के पद से इस्तीफा देने की घोषणा कर दिहले. जल्दिये ऊ प्रधानोमंत्री पद से इस्तीफा दे दीहे.
  • पाकिस्तान के पंजाब सूबे के दिवंगत गवर्नर सलमान तासीर के बेटा के लाहौर में अपहरण हो गइल बा.
  • चीन का दौरा करे जइहे पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी .
  • अमेरिका फेर अपना विश्वास के दोहरवले बा कि भारत सरकार अन्ना हजारे के आंदोलन से उपजल हालात लोकतांत्रिक तरीका से सझूरा ली.
  • संयुक्त राष्ट्र अफ्रीकी देशन के भरोसा दिहले बा कि सूखा आ भुखमरी से निबटे खातिर हर संभव सहयोग दिहल जाई.
  • सितम्बर में नासा के नयका चंद्र मिशन के शुरुआत होई.
  • अफगानिस्तान सीमा से सटल उत्तर-पश्चिम पाकिस्तान के एगो होटल में बियफे देर साँझ भइल विस्फोट में कम से कम 12 लोग के मौत हो गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

व्यापार व्यवसाय

  • विजय माल्या के विमानन कम्पनी किंगफिशर एयरलाइंस के निदेशक मंडल शेयर जारी करके 2,000 करोड़ रुपिया जुटावे के प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहलसि.
  • 2जी स्पेक्ट्रम मामिला के सुनवाई करत सीबीआई के विशेष अदालत जनता पार्टी अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ आपन पक्ष खुदे पेश कर सकेले.
  • आजु शयर बाजार में तेज गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 297.50 अंक गिर के 15848.83 पर बन्द भइल.
  • दिल्ली विद्युत विनियामक आयोग पहली सितम्बर से दिल्ली में बिजली के दर में करीब 21 फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहलसि.
  • अमेरिका में टाटा के निवेश के रेघरियावत अमेरिका सरकार ओकर प्रशंसा कइले बिया काहे कि एहसे अमेरिका में रोजगार बढ़ी.
  • भारतीय कम्पनी सचिव संस्थान (आईसीएसआई)कम्पनी सचिवन खातिर जून में भइल परीक्षा के परिणाम बियफे का दिने घोषित कर दिहलसि. परिणाम ओकरा वेबसाइट पर दिहल बा.
  • केरल उच्च न्यायालय के एगो खंडपीठ बियफे का दिने एगो एकल पीठ के आदेश पर रोक लगा दिहलसि जवना में मंगलौर विमान हादसा में मराइल 158 यात्रियन के हर परिवार के एयर इंडिया 75 लाख रुपिया मुआवजा देव.
  • सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने कर चोरी के आरोपी हसन अली खान के जमानत देबे वाला बम्बई उच्च न्यायालय के आदेश पर लगावल आपन रोक दू सितम्बर ले बढ़ा दिहलसि.

मनोरंजन

  • पाकिस्तानी मॉडल अउर अभिनेत्री हुमैमा मलिक के कहना बा कि उनुका नीक ना लागे जब केहू उनुका के पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल वसीम अकरम के प्रेमिका कहेला.
  • फिल्म ‘क्रिश 3’ में अब अभिनेत्री जेकलीन फर्नाडीज चित्रांगदा सिंह के जगह ले लिहले बाड़ी. कहल त इहे जात बा कि डेट के समस्या रहल बाकिर शायद कुछ अउरियो कारण बा.
  • बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान इलाज करावे खातिर शनिचर का दिने के लिए अमेरिका जइहें. सलमान के माथा, जबड़ा, आ गाल में बेसम्हार दर्द होत बा.
  • फिल्मकार नागेश कुकनूर एक बेर फेर कुकनूर मूवीज नाम से फिलिम बनइहे काहे कि उनुका लागत बा कि इहे नाम प्रशंसक से जुटे खातिर ठीक रही.
  • फिल्मकार संजय लीला भंसाली अन्ना हजारे के लोकपाल के मांग खातिर कइल जा रहल अनशन के समर्थन में शुक का दिने रामलीला मैदान में टी शर्ट बँटीहे.

खेल

  • भारतीय फुटबाल टीम का ब्रिटेन दौरा रद्द भइल. ओहिजा ओकरा पाकिस्तान का साथे दू गो आ इंग्लैंड अंडर-23 टीम का साथे एगो मैच खेले के रहल.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर के नाम लंदन में दिहल जाये वाला आईसीसी पुरस्कारन खातिर डालल गइल बा.
  • इटली के शहर रीमिनी में 9-11 सितम्बर का बीच होखे वाला एफआईबीए तीन गुणा तीन विश्व युवा चैम्पियनशिप खातिर भारत के अंडर-18 बास्केटबॉट टीम आजु शुक के घोषित कर दिहल गइल.
  • भारत के माथ टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन एह साल के आखिरी ग्रैंड स्लैम अमेरिकी ओपन में ब्रिटेन के एंडी मरे का खिलाफ खेल के अपना अभियान के शुरुआत करीहे जबकि सानिया मिर्जा इजरायल के शहर पीर का साथे भिड़ीहे.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के सलामी बल्लेबाज गौतम गम्भीर के अबहियो ठीक से नइखे लउकत. गम्भीर के इंग्लैंड दौरा के चउथका टेस्ट मैच में कपार में चोट लागल रहुवे.
  • विश्व स्क्वॉश के क्वार्टर फाइनल में आस्ट्रेलिया से हार गइल भारत.
  • दक्षिण कोरिया के दाएगू में होखे जा रहल एथलेटिक्स में दुनिया के सबले प्रतिष्ठित आयोजन-13वीं आईएएएफ विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के सीधा प्रसारण 200 देशन में कइल जाई.
  • कोलकाता का लगे सॉल्ट लेक स्टेडियम में दू सितम्बर के होखे वाला अर्जेटीना आ वेनेजुएला के दोस्ताना मुकाबला के आयोजन से अखिल भारतीय फुटबाल महासंघ के आशा जागल बा कि भारत में फुटबाल के लिहाज से बहुते कुछ बदले वाला बा.
  • भारत के उभरत गोल्फ स्टार गगनजीत भुल्लर सिंगापुर में 8-11 सितम्बर का बीच आयोजित आईएसपीएस हांडा सिंगापुर क्लासिक गोल्फ टूर्नामेंट में आक्रमक खेल खेल के खिताब जीतल चाहत बाड़े.
  • डेनमार्क के महिला टेनिस खिलाड़ी कारोलीन वोजनियास्की, ली ना अउर फ्रांसिस्का शियावोन आपन-आपन मुकाबला जीतत डब्ल्यूटीए न्यू हैवन ओपन हार्ड कोर्ट टूर्नामेंट के अंतिम-4 में आ गइल बाड़ी.
  • भारत के टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन अंतिम ग्रैंड स्लैम अमेरिकी ओपन के एकल स्पर्धा के पहिला दौर में ब्रिटेन के एंडी मरे का खिलाफ खेल के अपना अभियान के शुरुआत करीहे.
  • अभ्यास मैच : इंग्लैंड दौरे पर भारत के मिलल पहिला जीत. हालांकि एहू मैच में सचिन के बल्ला ना चमक पावल.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: