web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर, मंगल 30 अगस्त का दिने

  • उत्तर प्रदेश सरकार मंगल का दिने भारतीय पुलिस सेवा के वरिष्ठ अधिकारी अतुल गुप्ता के राज्य के अगिला पुलिस महानिदेशक बना दिहलसि. अतुल गुप्ता 31 अगस्त के सेवानिवृत्त होखत पुलिस महानिदेशक करमवीर सिंह के जगह लीहें.
  • पुलिस के कहना बा कि केंद्रीय कानून मंत्री रहल शांति भूषण आ समाजवादी पार्टी अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आ सपा के महासचिव रहल अमर सिंह के बीच भइल बातचीत वाली सीडी असली हवे.
  • उत्तर प्रदेश के मथुरा में मंगल का दिने एगो तेज रफ्तार मिनी ट्रक एके परिवार के तीन आदमी के कचार दिहलसि जवना का बाद लोग सड़क जाम कर दिहल. पुलिस तनीमनी बल लगा के जाम हटवलसि.
  • उप्र में मेरठ के दीवान इंस्टीच्यूट में रैगिंग का विरोध करे वाला छात्र के गोली मारल गइल.
  • उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में एगो मालगाड़ी के तीन डिब्बा पटरी से उतर गइल जवना से लखनऊ-गोरखपुर रेलमार्ग पर रेलगाड़ियन के परिचालन थथम गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के पूर्वी छोर पर बसल कुशीनगर में गन्ना के नया प्रजातियन के विकास खातिर करोड़ों रुपये के लागत से बनावल बाबू गेंदा सिंह गन्ना शोध संस्थान वैज्ञानिकन के कमी का चलते बंद होखे का कगार पर बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय लखनऊ के पूर्व मुख्य चिकित्साधिकारी (सीएमओ) ए.के.शुक्ला के डिप्टी सीएमओ वाई.एस.सचान के मौत का मामिला में सोमार का दिने जमानत दे दिहलिस.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: