भारत में बिहार से लागे वाली नेपाल सीमा पर नक्सलियन के रोके खातिर अर्धसैनिक सशस्त्र सीमा बल के तीन गो अउरी बटालियन के तैनात कइल जाई.
बिहार के गया जिले में एगो अंतर्राज्यीय गिरोह के सात गो संदिग्ध अपराधियन के गिरफ्तार कइल गइल बा. एकनी का लगे से असलहो मिलल बा.
पटना के आलमगंज इलाका के निजी लॉज से एगो छात्र राकेश कुमार के शव मिलल. राकेश ए एन कालेज में एमसीए के छात्र रहुवे. पुलिस मामिला के आत्महत्या बतावत बिया जबकि परिवार वाले एकरा के हत्या बतावत बाड़े.
बिहार में मोकामा के जद (यु) नेता जलेश्वर सिंह के गोली मारके हत्या कर दिहल गइल. जलेश्वर सिंह बाहुबली विधायक अनंत सिंह के नजदीकी मानल जात रहले.