Archives for August 2011
लखनऊ में पुलिस एगो आदमी के एक लाख रुपिया के नकली नोटन का साथे गिरफ्तार कइले बिया. अन्ना हजारे के समर्थन में उत्तर प्रदेश में व्यापारी दुकान बंद कइले. राज्य में कोचिंग चलावे वाला सरकारी शिक्षक लोग पर कार्रवाई कइल जाई. ई बाति माध्यमिक शिक्षा विभाग के निदेशक संजय मोहन बांदा में कहले. साथ ही
भ्रष्टाचार के खिलाफ प्रभावी जन लोकपाल विधेयक आ मजबूत लोकायुक्त के गठन के मांग खातिर ऑल इंडिया स्टूडेंट्स एसोसिएशन आ इंकलाबी नौजवान सभा आजु शनिचर का दिने बिहार बंद करवले रहले जवना चलते आवागमन पर असर पड़ल. केन्द्र सरकार फेर बिहार के खास राज्य माने से इंकार कर दिहलसि. ओकर दलील बा कि मौजूदा मानदंड
नई दिल्ली, 27 अगस्त (आईएएनएस). प्रभावी लोकपाल खातिर 12 दिन से अनशन करत अन्ना हजारे कर तीन गो प्रमुख मांग से जुड़ल प्रस्ताव के लोकसभा में ध्वनि मत से पारित करावे पर सत्ता पक्ष आ विपक्ष में सहमति हो गइल बा जवना चलते अब अन्ना के अनशन टूटे के उमेद हो गइल बा. संसद के
लोकपाल आंदोलन : शनिचर के होई चरचा, अनशन प्रस्ताव पारित भइला का बादे टूटी. अन्ना हजारे से मिले रामलीला मैदान चहुँपली बांग्लादेश के निर्वासित लेखिका तसलीमा नसरीन. पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या का आरोप में तीन लोग के तमिलनाडु के वेल्लूर जेल में नौ सितम्बर के फांसी दिहल जाई. संसद पर हमला करे वाला
पटना के रूपसपुर थाना के तिलकनगर से बुध का दिने अगवा भइल जिला कृषि पदाधिकारी शैलेश कुमार के बेटा आदित्य के लाश आजु शुक का दिने पुनपुन थाना के टिकुली गांव से बरामद भइल बा. एह मामिला में पांच लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा. बिहार का कटिहार जिला के मुफ्फसिल थाना इलाका में बियफे
बसपा सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती आजु अन्ना के आन्दोलन के विरोध कइली आ कहली के लोकपाल के गठन संविधान का हिसाबे से होखे के चाहीं जवना में हर जमात के शामिल कइल जाव. आजु रमजना महीना के आखिरी जुम्मा, शुक, ह आ एह दिने अलविदा के नमाज पढ़ल जाला. पूरा प्रदेश में
देश अन्ना हजारे के अनशन के 11वों दिन बात ओही तरह अझूराइल बा बाकिर उनुका समर्थकन के उत्साह में कवनो कमी नइखे आइल. हत्या के एगो मामिला में मुख्य आरोपी कांची शंकराचार्य जयेंद्र सरस्वती एह आरोप के खंडन कइले बाड़न कि ऊ न्यायाधीश से अपना के बरी करे के कहले. मध्य प्रदेश के सहकारिता मंत्री
आजु संसद में आपन लिखित बयान पढ़त राहुल गाँधी कहले कि अन्ना के धन्यवाद कि ऊ भ्रष्टाचार के मुद्दा के आगे ले अइले बाकिर उनुकर आन्दोलन देश के लोकतंत्र खातिर खतरनाक बा. दोसरे अकेले लोकपाल से कुछ ना हो सकी. जरुरत बा कि भ्रष्टाचार का खिलाफ कानूनो कड़ा बनावल जाव. राहुल के बयान का बाद
सरकार आपन आश्वासन लिखित में ना दिहलसि बाकिर अन्ना से लिखित में माँगत बिया कि ऊ लिखित में देसु.
देश संसद एक सुर से अन्ना के अनशन तूड़े के अपील कइलसि. स्पीकर मीरा कुमार खुद खड़ा होके अपील कइली. अब टीम अन्ना के बइठक अढ़ाई बजे से. मनीष तिवारी अन्ना हजारे से “अगर” लगावत माफी मँगले. अगर ठेस लागल बा त. अन्ना समर्थकन के साँझ पाँच बजे दिल्ली में प्रधानमंत्री आवास का सामने बिटोराए
सरकार के लाख कोशिश का बावजूद प्रधानमंत्री आवास अन्ना समर्थकन का घेरा में.
अन्ना हजारे के अनशन टूटला का बादो रामलीला मैदान में आन्दोलन जारी राखे के अनुमति मांगत बिया टीम अन्ना.
वोट खातिर नोट मामिला में अमर सिंह के छह सितम्बर के अदालत में पेश होखे के समन जारी भइल.
भाजपा अन्ना के जन लोकपाल का पक्ष में, बाकिर कुछ प्रावधान पर असहमतिओ बा. कहले अरुण जेटली.
बतावल जात बा कि संसद में अब तक के सगरी लोकपाल विधेयकन पर चरचा हो सकेला.
सरकार से लिखित आश्वासन का इंतजार में बावे टीम अन्ना.
अन्ना आपन अनशन तब तूड़ीहें जब संसद में बिल पर चरचा शुरु हो जाई. अइसन कहल जात बा.
सरकार फेर अन्ना का सोझा नवे का तइयारी में. काल्हु संसद में जन लोकपाल पर चरचा हो सकेला.
भोजपुरी कलाकार मनोज तिवारी आजु रामलीला मैदान में अन्ना के मंच पर अइले.
संसद एक सुर से अन्ना के अनशन तूड़े के अपील कइलसि. स्पीकर मीरा कुमार खुद खड़ा होके अपील कइली. अब टीम अन्ना के बइठक अढ़ाई बजे से. मनीष तिवारी अन्ना हजारे से “अगर” लगावत माफी मँगले. अगर ठेस लागल बा त. अन्ना समर्थकन के साँझ पाँच बजे दिल्ली में प्रधानमंत्री आवास का सामने बिटोराए के
Older Posts››
‹‹Newer Posts