Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

विज्ञापन

Get a self hosted professional website ONLY for 100 Rs. per month*.
Offer ONLY for 60 customers. 100% cash back to 100% customers.*
* T&C apply. NO MLM. Contact editor@anjoria.com for details.

RSS Feed

Archives for September 2011

बिहार के खबर

(बियफे, 29 सितम्बर) गंगा आ सोन समेत सगरी बड़की नदियन के जल स्तर में गिरावट आ रहल बा बाकिर अबहियो कई गो नदी खतरा का निशान से उपर बहत बाड़ी सँ. सरकार के राहत आ बचाव कार्य चलत बा. कई जगहा अबहियो सड़क पर पानी बहला से यातायात पर असर पड़ल बा. सिवान जिला के

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 29 सितम्बर) नया नया बनल तीनो जिला, भीम नगर, प्रबुद्ध नगर आ पंचशील नगर, में अधिकारियन के नियुक्ति कर दिहल गइल बा. प्रदेश में मतदाता सूची के फेर से देखला के दुसरका दौर बियफे से शुरू हो गइल जवन उन्तीस अक्टूबर ले चली आ छूटल फटकल लोग के नाम जोड़े के काम कइल जाई.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 29 सितम्बर) देश राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आजु शुक के स्विटजरलैंड आ आस्ट्रिया के दौरा पर जइहें. उनुका साथे पचपन लोग के प्रतिनिधिमंडल जात बा जवना में संसदीय मामिलन के राज्य मंत्री राजीव शुक्ला, तीन गो सांसद आ सीनियर अधिकारी शामिल बाड़े. तमिलनाडु के कृष्णागिरि जिला के वचाती में साल 1992 में 18 गो जनजातीय

बिहार के खबर

(बुध 28 सितम्बर) किशनगंज जिला के पोठिया थाना के चनामना गाँव का लगे आजु बुध का सबेरे एगो टैंकर मालगाड़ी में आग लाग गइला से उनईस गो बॉयल टैंकर्स बोगी जर के राख हो गइल. बतावल जात बा कि रेलबोगी ड्रील भइला का चलते ओहसे चिंगारी निकले लागल जवना से आग लाग गइल. एह दुर्घटना

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध 28 सितम्बर) बांदा जनपद के पल्हरी गांव में अनुसूचित जाति के एगो आठ साल के लड़िकी से यौन दुष्कर्म होखला के पुष्टि मेडिकल रिपोर्ट से हो गइल बा. मुजफ्फरनगर जिला में बुध का दिने एगो तेज रफ्तार इनोवा सड़क पर खड़ा एगो ट्रक से जा टकराइल जवना चलते ओह पर सवार पाँच गो पर्यटकन

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध 28 सितम्बर) देश 2जी मामला में प्रणब दा प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखले नई दिल्ली, 28 सितम्बर (आईएएनएस). 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में केन्द्र सरकार एनकेनप्रकारेण चिदम्बरम के पाक साफ बतावे का कोशिश में लागल बिया तले वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी प्रधानमंत्री आ सोनिया गाँधी के चिट्ठी भेज के बतवले बाड़न कि वित्त मंत्रालय के टिप्पणी

बिहार के खबर

(मंगल 27 सितम्बर) राजद नेता रामचंद्र पूर्वे आ पार्टी महासचिव सांसद रामकृपाल यादव के कहना बा कि अगर भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के बिहार से प्रस्तावित रथयात्रा से साम्प्रदायिक सद्भाव बिगड़ल त राजद ऊनुका रथ के रोक दी. वैशाली जिला पुलिस छपरा के सांसद उमाशंकर सिंह के घर पर भइल हमला के मुख्य आरोपी संजय

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल 27 सितम्बर) एह साल सतवाँ बेर उफनाइल गंगा के लहर बलिया के दू सौ एकड़ खेत घोंट लिहलसि. रिकनी छपरा गाँव के वजूदे बिलाये जात बा. मझौंवा पचरुखिया में हाईवे पर खतरा मँडरात बा. बलिया शहर के महाबीत घाट इलाका में पानी भर गइल बा. गाजीपुर में कर्मनाशा नदी तबाही मचवले बिया आ किनार

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल 27 सितम्बर) देश जेपीसी 2जी मामिला में वित्त मंत्रालय के अधिकारियन से पूछताछ करे के फैसला लिहले बिया त सरकार चिदम्बरम के बचावे खातिर एकजुट हो गइल बिया. ए राजा अदालत से कहले बाड़न कि ट्राई रिपोर्ट के जानबूझ के सीबीआई अदालत में पेश नइखे करत. राजा के दावा बा कि सगरी फैसला मंत्रिमण्डल

बिहार के खबर

(सोमार 26 सितम्बर) बिहार में मूसलाधार बरखा का चलते 11 लोग के मौत हो गइल बा. पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते राज्य में फेरु से बाढ़ के हालात बनि गइल बा. छपरा पटना मार्ग पर कई जगहा बाढ़ के पानी बहला का चलते यातायात ठप्प हो गइल बा. कई नदियन के उफनइला

Older Posts››