web analytics

बिहार के खबर, शुक 2 सितम्बर का दिने

  • बिहार में नयागाँव का लगे रेलगाड़ी-टेम्पो का टक्कर में 6 आदमी के मौत

    पटना, 2 सितम्बर (आईएएनएस). बिहार के छपरा जिला में शीतलपुर आ नयागांव रेलवे स्टेशन का बीचे शुक का दिने एगो मानवरहित रेलवे क्रॉसिंग पर गरीब नवाज एक्सप्रेस आ एगो ऑटो का टक्कर में दौरे पर छह लोग के जान चल गइल.

    पुलिस बतवलसि कि सोनपुर रेल मंडल के सोनपुर-छपरा रेल मार्ग पर नयागांव रेलवे स्टेशन के लगे क्रासिंग से एगो ऑटो रिक्शा गुजरत रहे आ ओही घरी अजमेर से किशनगंज जाए वाली गरीब नवाज एक्सप्रेस आ गइल आ टेम्पो के टक्कर मार दिहलसि. एह सीधी टक्कर में छह लोग के ओहिज मौत हो गइल.

    सोनपुर रेल मंडल के क्षेत्रीय रेल प्रबंधक रमन लाल गुप्ता बतवले कि दुर्घटना का बाद एह रेलखण्ड पर पर कुछ देर ला आवागमन रोके के पड़ल जवना के अब दुरुस्त कर लिहल गइल बा. सगरी मृतक छपरा जिला के बहियारचक गांव के एक ही परिवार के रहले. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

  • भागलपुर के ‘दीदी’ मेहरारूवन के चउखट लांघे वाला मंत्र सिखवली.
    मनोज पाठक
    पटना, 2 सितम्बर (आईएएनएस). भागलपुर के 60 साल के मनोरमा देवी सबौर प्रखंड कार्यालय के पीछे आपन सहकारी संस्था ‘सृजन’ चलावेली जहाँ ऊ आवे वाला मेहरारूवन के जिनिगी के सपना पूरा करे के गुर सिखावेली. पति के मौत का बाद अपना छोटहन बचवन के लालन-पालन आ पढ़ाई खातिर खुद कुछ करे के ठान लिहली आ औरतन के एकजुट करके समूह बनावे लगली. शुरुआती साल 1995-96 में उनुका संस्था से महज 10 गो औरत जुड़ल रहली बाकिर आजु ई गिनिती 5,000 ले चहुँप गइल बा. मनोरमा देवी के वैज्ञानिक प्रबंधन आ कुशल नेतृत्व देखके बिहार स्टेट को-ऑपरेटिव बैंक उनुका के अपना संचालक मंडल में निदेशको बना लिहलसि.
    उनुका समूह के औरत मिल के तरह तरह के सामान बनावेली जवना के खरीदे खातिर बड़हनो व्यापारी खुदे आ के ले जाले. कहली कि उनुकर संस्था बैग, स्वेटर, पापड़, अचार, दरी, सिल्क धागा, टसर रेशम, बरी वगैरह कई एक सामान बनावेले आ बिक्री से मिलल फायदा आपुसी समुझ से बांट लिहल जाला.

    आजु मनोरमा के एक बेटा चिकित्सक बावे त दुसरका प्रबंधन के कोर्स कइले बा. संस्था के काम देख के को-ऑपरेटिव बैंक, भागलपुर से जुड़ल एगि बैंक शाखा के जिम्मो सँउप दिहल गइल बा जवना में 7,000 से बेसी खाता बा आ एकर पूरा देखरेख औरते करेली सँ. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस खातिर मनोज पाठक

  • बिहार सरकार अगर सेतिहा में भा सस्ता में जमीन दे देव त ओहपर धोनी आपन क्रिकेट प्रशिक्षण केन्द्र खोल सकेले. धोनी ई बाति एगो चिट्ठी लिख के बिहार के खेल आ कला संस्कृति मंत्री सुखदा पांडेय से कहले बाड़न. लिखले बाड़न कि सरकार जेतनी जल्दी जमीन दे दी ओतने जल्दी ऊ प्रशिक्षण केन्द्र खोल पइहे.
  • बिहार में अब सारण के जिलाधिकारी के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. कुछ दिन पहिले पटना के नगर पुलिस अधीक्षक (मध्य)आ जिलाधिकारी के धमकी मिलल रहे. अब सारणो के जिलाधिकारी विनय कुमार के अइसने धमकी मिलल बा. पिछला सात दिन में शेखपुरा जिला के अरियरी प्रखण्ड के विकास अधिकारी, खगड़िया के पुलिस अधीक्षक, पटना के जिलाधिकारी आ नगर पुलिस अधीक्षक (मध्य) के फोन पर जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा बाकिर पुलिस कवनो मामिला में धमकी देबे वाला के पता नइखे लगा पवले. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.

 264 total views,  2 views today

%d bloggers like this: