- उप्र में झड़प में 2 गो वकील के गोली मार के हत्या
लखनऊ, 3 सितम्बर (आईएएनएस). लखीमपुर खीरी जिला में आजु शनिचर के भइल झड़प में लेखपालन के चलावल गोली से दू गो वकीलन के मौत हो गइल आ पाँच गो घवाहिल हो गइले. एह मामिला में अबही ले 35 गो लेखपालन के हिरासत में लिहल गइल बा.
अपना दू गो साथियन का मौत से खिसियाइल वकील जमके हंगामा कइले आ सरकारी दफ्तरन में तोड़फोड़ करत कई गो गाड़ियन के आग लगा दिहले. घटना मोहम्मदी तहसील में भइल आ एकर संबंध एगो जमीन के रजिस्ट्री लेके वकीलन आ लेखपालन का बीच पुरान रगड़ा से बा. लखीमपुर खीरी के जिला मजिस्ट्रेट ऋषिकेश भास्कर यशोद आईएएनएस के फोन पर बतवले कि, “तीन-चार दिन पहिले कुछ भूखंडन के रजिस्ट्री लेके वकीलन के एगो गुट आ लेखपालन का बीच कहा-सुनी भइल रहल. आजुओ लेखपालन का साथ वकीलन के गरमा-गरम बहस भइल जवन हिंसक झड़प में तब्दील हो गइल.” कहलन कि, “गुस्से में आके लेखपाल गोलीबारी कर दिहले जवना में दू गो वकील के मौत हो गइल.” कहलन कि उनुका के न्यायिक जांच करावे के आदेश मिलल बा.
पुलिस अधीक्षक अमित चंद्रा बतवले कि, “हिंसक घटना के सिलसिला में कम से कम 35 लेखपालन के हिरासत में लिहल गइल बा आ जांच आगा बढ़ावे खातिर एह हत्यन में सीधे तौर पर शामिल लोखपालन का खिलाफ नाम सहित एफआईआर दर्ज कइल जाई.”एह घटना के देखत लखीमपुर जिला के कुछ हिस्सन में सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कर दिहल गइल बा आ प्रांतीय सशस्त्र आरक्षी दल अउर कई थाना से अतिरिक्त पुलिस बल मँगा के तैनात कइल गइल बा. को तैनात किया गया है।”(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
- कानपुर के सरकारी मेडिकल कॉलेज में एमबीबीएस की पढ़ाई करे वाला तीन गो छात्र शुक का देर रात नींद के गोली खा के जान देबे के असफल प्रयास कइले. जी.एस.वी.एम. मेडिकल कॉलेज में पढ़े वाला ई तीनों छात्र शोभित वर्मा, विवेक टंडन आ संजीव कुमार, द्वितीय वर्ष के छात्र हउवे. बतावल जात बा कि ई छात्र कुछ विषय में फेल भइला का बाद निराश रहले. एह घटना का बाद कुछ छात्र कॉलेज प्रशासन का खिलाफ प्रदर्शन कइले. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस).
- उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर जिला में एगो वाहन नाला में गिर गइल जवना से ओह पर सवार लोग में से पांच गो औरतन के मौत हो गइल आ 10 जने घवाहिल हो गइले.