(सोमार 5 सितम्बर)
देश
- खनन घोटाला में गिरफ्तार कर्नाटक के मंत्री रहल जी. जनार्दन रेड्डी के कर्नाटक के बेल्लारी आवास से छापा में 30 किलो सोना अउर तीन करोड़ रुपिया जब्त कइल गइल.
- वोट खातिर नोट मामिला में मंगल का दिने अदालत में पेश हो सकेले राज्यसभा सदस्य आ सपा के महासचिव रहल अमर सिंह.
- पंजाब के मुख्यमंत्री रहल अमरिंदर सिंह सिख पुरोहित वर्ग के ओह प्रस्ताव के विरोध कइले बाड़न जवना में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के अकाल तख्त में पेश होखे खातिर सम्मन भेजे के बात कहल गइल बा.
- सर्वोच्च न्यायालय से सोमार का दिने कहल गइल कि जब दूरसंचार नियामक प्राधिकरण कह दिहले बा कि 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन से राजस्व के कवनो नुकसान नइखे भइल त हिरासत में बंद आरोपियन के जमानत मिले के चाहीं.
- केंद्रीय मंत्रिमंडल आजु सोमार के भूमि अधिग्रहण विधेयक के मंजूर कर लिहलसि. अभ एही सत्र में एकरा के संसद में पेश कर दिहल जाई.
- गुजरात उच्च न्यायालय में मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी का खिलाफ एगो अवमानना याचिका दायर करावल गइल बा कि जब लोकायुक्त के नियुक्ति के मामिला न्यायालय में लंबित बा त ऊ प्रधानमंत्री के एह मामिला में चिट्ठी काहे लिखलें.
- राज्यसभा के विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव पर अरविंद केजरीवाल उच्च सदन से कहले बाड़न कि जवना भाषणन में ऊ अपमानजनक भाषा बोलले बाड़न ओकर टेप आ प्रतिलिपि उनुका के हासिल करावल जाव आ बतावल जाव कि ओह में अपमानजनक शब्द कवन बा.
- गुजरात के लोकायुक्त नियु्क्ति विवाद पर तिसरको दिने संसद में हंगामा जारी रहल आ दुनु सदन के दिन भर खातिर टार दिहल गइल.
- बार-बार जेड श्रेणी सुरक्षा सकारे से इंकार कइला से परेशान महाराष्ट्र सरकार अन्ना हजारे से ई सुरक्षा सकार लेबे के निहोरा करी.
- आजु दिल्ली, उत्तर प्रदेश, झारखण्ड समेत उत्तर भारत के कई इलाकन में बढ़िया बरखा होखे के खबर बा. एकर कारण रहल बंगाल के खाड़ी में चक्रवात के पश्चिम ओर के रुख.
- हिमाचल प्रदेश के चम्बा जिले के डलहौजी पब्लिक स्कूल के प्राचार्य डॉ. जी.एस. ढिल्लों राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील के हाथे मिलल राष्ट्रीय शिक्षक पुरस्कार के 25,000 रुपिया के नकद राशि झुग्गी-झोपड़ी के लड़िकन खातिर शैक्षणिक ढांचा विकसित करे ला प्रधानमंत्री राहत कोष में दान कर दिहलें.
- प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह शिक्षक दिवस के मौका पर राष्ट्रीय पुरस्कार-2010 प्राप्त करे वाला शिक्षकन से मिलले आ उनुका के बधाई दिहलें.
- हिमाचल प्रदेश के सिरमौर जिले में एगो गाड़ी गिर गइल जवना से एकही परिवार के सात लोग के मौत हो गइल. दू गो बच्चा घवाहिल हो के बाँच गइल बाड़े.
- केरल उच्च न्यायालय पुलिस से बीस साल पुरान कोझिकोड सेक्स कांड के केस डायरी सँउपे के कहले बा. एह मामिला में राज्य के उद्योग मंत्री पी. के. कुन्हालीकुट्टी आरोपी बाड़े.
- केन्द्र के विदेश सचिव रंजन मथाई कहले बाड़न कि पश्चिम बंगाल सरकार से पूछले बिना तीस्ता नदी समझौता ना होखी.
- ‘ट्रांसपेरेंसी इंटरनेशनल’ आरोप लगवले बा कि पिछला छह साल में ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक आ उनुका मंत्रियन खातिर हेलीकॉप्टर किराए पर लेबे में नियम कायदा लाँघल गइल बा.
- अन्ना हजारे आ सहयोगियन पर सरकार के खिलाफ युद्ध छेड़े के आरोप लगावे वाली एगो याचिका पर दिल्ली के एगो अदालत दिल्ली पुलिस के नोटिस जारी कइले बिया.
- गुजरात में लोकायुक्त के नियुक्ति मसला पर सर्वोच्च न्यायालय के वकील आ मध्य प्रदेश के महाधिवक्ता रहल अनूप चौधरी के कहना बा कि राज्यपाल के आपन विवेक के इस्तेमाल करत ई फैसला लेबे के अधिकार बा. वरिष्ठ वकील आ जन लोकपाल विधेयक मसौदा समिति के सदस्य प्रशांत भूषण के कहना बा कि लागत बा कि मोदी नइखन चाहत कि उनुका कामकाज के जाँच करे खातिर कवनो स्वतंत्र इकाई होखे. लगभग साढ़े सात साल से लोकायुक्त के नियुक्ति ना होखे दिहले आ अब जब नियुक्ति हो गइल बा त एकरा के राजनीतिक मुद्दा बनाके विफल करे के कोशिश करत बाड़े.
- कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव राहुल गांधी अपना माई सोनिया गांधी से भेंट कर के आजु सोमार का दिने लवटि अइले.
- इस्तीफा दे चुकल कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश सौमित्र सेन का खिलाफ लोकसभा में महाभियोग ना चलावल जाई.
- मध्य प्रदेश के शहडोल जिले में एगो शिक्षक अपना छात्रा के अइसन पिटाई कर दिहले कि ऊ अस्पताल चहुँप गइल. ओकर गलती अतने भर रहल कि ऊ शिक्षक के सवाल के जवाब धीमा आवाज में दिहलसि. शिक्षक ओकरा बाद से फरार बा.
- अवैध खनन का मामिला में सीबीआई मंत्री रहल जनार्दन रेड्डी के गिरफ्तार कर लिहले बिया जवना पर भाजपा के कहना बा कि रेड्डी जल्दिये आपन बेगुनाही साबित कर के बरी हो जइहें.
- मध्य प्रदेश के भोपाल में आरटीआई कार्यकर्ता शेहला मसूद के हत्या के जांच केंद्रीय जांच ब्यूरो तेज कर दिहले बावे आ सगरी दस्तावेज देखल जा रहल बा.
- मुम्बई के छत्रपति शिवाजी टर्मिनल अंतर्राष्ट्रीय हवाईअड्डे के मुख्य रनवे का लगे फँसल तुर्की के विमान के सोमार का दिने हटावे में सफलता मिल गइल. आजु से मुख्य रनवे उड़ान संचालन सामान्य हो जाए के उमेद बा.
- केंद्रीय कपड़ा मंत्री रहल शंकरसिंह वाघेला के कहना बा कि गुजरात में जल्दिये चुनाव हो सकेला.
- केन्द्रीय संचार अउर सूचना प्रौद्योगिकी राज्यमंत्री सचिन पायलट शनिचर का दोने आसीन्द के सवाई भोज मंदिर प्रांगण में भारतीय डाक विभाग से जारी लोकदेवता देवनारायण पर डाक टिकट के विमोचन कइले.
- राजस्थान के शिक्षा मंत्री मास्टर भंवर लाल मेघवाल कहले बाड़न कि राज्य में 80 हजार शिक्षकन के भर्ती कइल जाई.
- पश्चिम बंगाल के दक्षिणी 24 परगना जिले में एगो खेत में धान के बुवाई पर सत्तारूढ़ तृणमूल कांग्रेस आ विपक्षी माकपा कार्यकर्तन का बीच हिंसक झड़प में दू आदमी के जान चल गइल.
- राजस्थान के अलवर जिले के एगो रेस्तरां से पांच दिनों पहिले गायब भइल आईएएस अधिकारी नवीन जैन का बारे में अतवार के पता चलल कि ऊ चण्डीगढ़ में बाड़े.
दुनिया
- पाकिस्तान के वाणिज्य मंत्री मखदूम अमीन फाहिम सितम्बर का आखिर में भारत अइहें. आ ओह यात्रा में पाकिस्तान भारत के सबले तरजीही देश के दर्जा दे सकेला.
- माओवादी नेता आ नेपाल के प्रधानमंत्री रहल कमल दहल प्रचंड कहले बाड़न कि अब ऊ देश के नया संविधान तइयार करे पर आपन ध्यान लगइहें आ जनता के गोहार कइले कि भट्टराई सरकार के समर्थन करे. बाकिर कट्टरपंथी माओवादी नेता मोहन बैद्य आपन विरोध जारी रखीहें. ऊ नइखन चाहत कि माओवादियन के शस्त्रागार के चाभी सरकार के दिहल जाव.
- लीबियाई विद्रोहियन के राष्ट्रीय अस्थायी परिषद आर्थिक मुद्दा पर रूस से बतियावे खातिर अपना प्रतिनिधियन के मास्को भेजे पर राजी हो गइल बिया.
- तिब्बत के निर्वासित सरकार के कहना बा कि विकास का नाम पर चीन अवैज्ञानिक तरीका से सड़क आ रेलमार्ग बनावे में लागल बा जवना से तिब्बती पठार के पर्यावरण आ पारिस्थतिकी तंत्र के बहुत नुकसान हो रहल बा.
- लीबिया में विद्रोहियन के राष्ट्रीय अस्थायी परिषद लीबियाई नेता मुअम्मार गद्दाफी के छोटका बेटा के मरइला के खबर के सही ठहरवलसि.
- गद्दाफी सरकार के सेना आ खुफिया अधिकारियन के अल्जीरिया अपना हियाँ ना आवे दी.
- पाकिस्तान के अफगानिस्तान का सीमा से लागल उत्तरपश्चिमी कबायली इलाका में अतवार का रात भइल एगो ड्रोन हमला में कम से कम सात गो संदिग्ध आतंकवादियन के मौत हो गइल.
व्यापार व्यवसाय
- नोकिया सीमेंस नेटवर्क के भारतीय क्षेत्र के प्रमुख बनले संदीप गिरोत्रा.
- दिल्ली उच्च न्यायालय ‘बिस्किट किंग’ राजन पिल्लई के विधवा नीना पिल्लई के मुआवजा बढ़ावे के याचिका पर केंद्र अउर दिल्ली सरकार के नोटिस जारी कइलसि. राजन पिल्लई के मौत दिल्ली पुलिस का हिरासत में साल 1995 में भइल रहे.
- आजु सोमार का दिने शेयर बाजारन में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 108 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
- सर्वोच्च न्यायालय ने भारतीय औद्योगिक वित्त निगम के मुख्य कार्यकारी अधिकारी अउर प्रबंध निदेशक पद पर अतुल कुमार राय के नियुक्ति के खिलाफ दायर एगो याचिका पर केंद्र सरकार के नोटिस जारी कइले बा. राय पर भ्रष्टाचार के आरोप बा.
- भारत में अब ‘इमेज कंसल्टेंसी’ पर ध्यान दिहल जा रहल बा. एकरा खातिर दुनिया के मशहूर इमेज कंसल्टेंट प्रशिक्षक क्रिस्टीना आंग आ लेनी मार्क्स नवंबर में भारत आवे वाला बाड़ी.
- पिछला कुछ दिन के तेजी का बाद आजु देश के शेयर बाजारन गिरावट के रुख देखल जा रहल बा.
मनोरंजन
- अभिनेता ऋषि कपूर आ उनकुर बेटा रणबीर कपूर अब एगो विज्ञापन में कैमरे का सोझा एकसाथ अभिनय करीहें, फिलिम में त करिये चुकल बाड़े.
- गणपति पूजा में अपना दोस्त रानी मुखर्जी का घरे शामिल भइले शाहरुख खान.
- निर्देशक रिभू दासगुप्ता के ‘माइकल’ टोरंटो अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में विश्व प्रीमियर खातिर चुनाइल अकेली हिंदी फिल्म हिय. दासगुप्ता कहलें कि एह बाति से ऊ खुश त बाड़न बाकिर घबराहटो हो रहल बा.
खेल
- दाहिना पैर का अंगूठा में लागल चोट से परेशान सचिन तेंदुलकर के अगिला चार हफ्ता आराम करे के कहल गइल बा आ अब ऊ एकदिना सिरीज में ना खेल पइहें. उनुका जगहा एस॰ बद्रीनाथ के भेजल जाई.
- इंग्लैंड के तेज गेंदबाज स्टुअर्ट ब्रॉड कहले बाड़न कि उनुकर टीम रोस बाउल मैदान पर होखे जा रहल दुसरको एकदिना में शार्ट पिच गेंद फेंकल जारी राखी.
- अमेरिकी ओपन में बोपन्ना-कुरैशी अंतिम-8 में, बाकिर सानिया की चुनौती खतम.
- विश्व में एथलेटिक्स के सर्वोच्च संस्था-इंटरनेशनल एसोसिएशन ऑफ एथलेटिक्स फेडरेशंस साफ कर दिहले बावे कि 2012 लंदन ओलम्पिक से पहिले ओकर गलत शुरुआत से जुड़ल नियमन में बदलाव के कवनो इरादा नइखे.
- अर्जेटीना के राष्ट्रीय फुटबाल टीम अफ्रीकी फुटबाल महाशक्ति नाइजीरिया का साथ होखे वाला दोस्ताना अंतर्राष्ट्रीय मुकाबला खातिर सोमार के ढाका चहुंपल.
- इंग्लैंड के फुटबाल खिलाड़ी जैक विलशेरे टखने के चोट का चलते अब दू महीना ले ना खेल पइहें.
250 total views, 5 views today