web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक 9 सितम्बर)

  • लखीमपुर खीरी में दू गो वकीलन के हत्या का बाद ओहिजा के जिलाधिकारी आ उपजिलाधिकारी के हटावत मुख्यमंत्री मराइल वकीलन के परिजनन के पांच-पांच लाख रुपिया मुआवजा देबे के एलान कइली.
  • एटा जिला में बियफे रात कुछ लोग एगो होमगार्ड के जिंदा जरा के मार दिहल. मराइल होम गार्ड तेजपाल (45)भगवंतपुर गाँव के रहल आ सकीट थाना में तैनात रहल. मामिला पुरान रंजिश के लागत बा.
  • जौनपुर जिला के एगो सरकारी स्कूल के शिक्षक क्लास में हल्ला करे वाला एगो विद्यार्थी के अतना पीटले कि ऊ बेहोश हो गइल आ अस्पताल में भरती करावे के पड़ल. आरोपी शिक्षक गिरिजा प्रसाद चन्दवक थाना इलाका के भैंसा पूर्व माध्यमिक विद्यालय में पढ़ावेले आ आठवीं कक्षा के छात्र रमाशंकर के पिताई का बाद से फरार बाड़न.
  • लखनऊ के एगो अखबार अपना लेखन से मुसलमानन से हिंदू धर्म में पूजल जाये वाली गाय के हत्या ना करे आ ओकर मांस ना खाये के ने और उगोहार लगावत बा.

 211 total views,  5 views today

%d bloggers like this: