web analytics

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर 10 सितम्बर)
देश

  • दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव में राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के आनुसांगिक संगठन अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद लगातार दुसरका साले आपन दबदबा बनवले रखलसि जब चार गो बड़का पद में से तीन गो पर ओकर उम्मीदवार जीत गइले. कांग्रेस पार्टी से जुड़ल छात्र संगठन एनएसयूआई के एगो अध्यक्ष पद से संतो॓ष करे के पड़ल. चुनाव परिणाम का बाद दुनु फरीक के इहे कहना रहे कि अन्ना के आंदोलन का चलते अइसन परिणाम आइल बा.
  • उत्तराखण्ड में फेर से भुवन चंद्र खंडूरी मुख्यमंत्री पद सम्हरीहें. आजु भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी से बतियवला का बाद निशंक इस्तीफा देबे के तइयार हो गइल बाड़न.
  • अन्ना के सहयोगियन के माँग बा कि सांसदन के प्रदर्शन के लेखा जोखा तईयार करा के सार्वजनिक कइल जाव. एह खातिर अन्ना हजारे प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखीहें.
  • साम्प्रदायिक हिंसा विधेयक पर होत विरोध का बाद सरकार सुझावन पर विचार करे के कहलसि. आजु भाजपा, जदयू, अकाली दल वगैरह का साथ साथ कांग्रेस के मुख्य सहयोगी तृणमूल कांग्रेसो एकर विरोध कर दिहलसि. कहल जात बा कि ई विधेयक देश में हिंदू समुदाय के खिलाफ ले आवल जात बा.
  • तीन दिन के मेहनत का बाद दिल्ली विस्फोट मामिला में एगो स्विच जइसन उपकरणे भर मिलल बा पुलिस के.
  • केंद्रीय गृह सचिव आर.के. सिंह के कहना बा कि दिल्ली बम विस्फोट के जिम्मेदारी लेबे के दावा में आइल ई-मेल संदेश कवनो जरूरी नइखे कि असल अपराधिये भेजले होखीहें.
  • प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्या के दोषी मरद मेहरारू आजु वेल्लोर जेल में मिलले. नलिनी श्रीहरन उमिर कैद के सजा काटत बाड़ी जबकि श्रीहरन उर्फ मुरुगन के फाँसी के सजा मिलल बा.
  • मरीज के परिजन से मिलल पिटाई का बाद महाराष्ट्र में सरकारी अस्पतालन के रेजीडेंट चिकित्सक हड़ताल पर चलि गइल बाड़े जवना से स्वास्थ्य सेवा चरमरा गइल बा.
  • मैगसेसे पुरस्कार विजेता प्रख्यात लेखिका महाश्वेता देवी के साँस लेबे में दिक्कत आ सीने में दर्द के शिकायत भइला पर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • भारत के खुफिया एजेंसियन के कहना बा कि उल्फा नेता परेश बरुआ के म्यांमार सेना के कार्रवाई में घवाहिल होखला के ओकरा कवनो जानकारी नइखे.
  • भाजपा अउर भजन लाल के हरियाणा जनहित कांग्रेस हरियाणा राज्य का हित में गठबंधन कर के घोषणा कइले बाड़े.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह जल्दिये भूमि सुधार, भूमि दस्तावेजन के आधुनिकीकरण अउर राजस्व प्रशासन में सुधार का मुद्दा पर मुख्यमंत्रियन के बईठका बोला सकेले.
  • हिमाचल प्रदेश में शनिचर का दिने एगो बस सरकि के खाई में गिर गइल जवना चलते पांच लोग के मौत हो गइल आ 13 आदमी घाहिल हो गइले.
  • केरल विधानसभा के मुख्य सचेतक पी.सी. जार्ज विशेष सतर्कता अदालत के ओह न्यायाधीश का खिलाफ शिकायत दर्ज करवले जे ताड़ तेल के मामिला के फेरु से जांच करावे के आदेश दिहले. एह मामिला में मुख्यमंत्री ओमन चांडी के नाम बावे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु शनिचर का दिने जाँच एजेंसियन से आतंकवादी हमला के जांच में निष्पक्षता बरते के कहलन. कहलन कि अक्सर अल्पसंख्यकन के लागेला कि ओह लोग के बेमतलब फँसावल जात बा.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के अध्यक्षता में आजु शनिचर का दिने राजधानी दिल्ली में बोलावल राष्ट्रीय एकता परिषद के बइठक से पांच गो मुख्यमंत्री दूरे रहले. एहमें नरेन्द्र मोदी आ ममता बनर्जीओ शामिल बाड़ी.
  • भठियरपन का खिलाफ होत आंदोलन देश खातिर बढ़िया बा. कहले प्रधानमंत्री.
  • कांग्रेस महासचिव दिग्विजय सिंह कहलन कि अन्ना हजारे के धन्यवाद दिहल चाहत बाड़न जे संघ के गाँधी टोपी पहिरल सिखा दिहलन आ हाथ में तिरंगा थमा दिहलन.
  • भारतीय जनता पार्टी भठियरपन का खिलाफ निकले वाला लालकृष्ण आडवाणी के देशव्यापी रथ यात्रा के समर्थन दे दिहलसि. बाकिर एह बाति के जबाब ना दिहलसि कि का आडवाणी देश के भावी प्रधानमंत्री का रूप में एह यात्रा पर निकलिहे.

दुनिया के खबर

  • नेपाल के सत्ताधारी माओवादी पार्टी के प्रमुख आ नेपाल के प्रधानमंत्री रहल पुष्प कमल दहाल प्रचंड आजुकाल्हु भारत में पश्चिम बंगाल का सिलीगुड़ी शहर में टिकल बाड़न.
  • लीबिया में बनी वलीद पर कब्जा करे खातिर लड़ाई जारी बा. बनी वलीद, जुफ्रा, सबहा आ सिरते शहरन पर अबहियो गद्दाफी समर्थकन के कब्जा बा.
  • मिस्र के राजधानी काहिरा में शुक का दिने फेरु से हिंसक प्रदर्शन के दौर शुरू हो गइल बा. काल्हु हजारों प्रदर्शनकारी इजरायली दूतावास के दीवार गिरा दिहले. एह दौरान 448 लोग घवाहिल भइल बा.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा शनिचर का दिने अमेरिका में लीबिया के नयका राजदूत अली औजाली के लीबिया आ ओहिजा के अंतरिम सरकार के प्रतिनिधि सकार लिहले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रुइया समूह के टायर निर्माता कम्पनी डनलप इंडिया शनिचर का दिने कहलसि कि जबले पश्चिम बंगाल के शाहगंज इकाई में कानून व्यवस्था ठीक नइखे कइल जात तबले ओहिजा काम शुरू ना करावल जा सके. पिछला नौ महीना से ओहिजा उत्पादन ठप्प बा.
  • सरकारी कंपनी नाल्को कोयला का कमी का चलते एल्यूमीनियम उत्पादन में रोजाना करीब 78 टन के कटौती कर दिहले बिया.
  • देश का विदेशी पूंजी भंडार दू सितम्बर के खतम हफ्ता में 320.78 अरब डॉलर के रिकार्ड स्तर पर पहुंच गइल. ई उछाल स्वर्ण भंडार के दाम में तीन अरब डॉलर के बढ़ोतरी का चलते भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉक्सऑफिस पर नंबर वन बाड़न सलमान. कहले आमिर खान.

खेल के खबर

  • एशियाई खेलन में स्वर्ण पदक जीते वाली प्रीजा श्रीधरन शनिचर के कोलकाता में शुरू भइल 51वें राष्ट्रीय ओपन एथलेटिक्स के पहिला दिने 10,000 मीटर स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत लिहली.
  • राष्ट्रमंडल युवा खेल में मुक्केबाजी में सुरेंदर का कांस्य पक्का. सेमी फाइनल में चहुँप गइल बाड़े.
  • लगातार हारत आ रहल भारतीय टीम एगो छोटहनो जीत खातिर तरसि के रहि गइल बिया बाकिर धौनी के बहानेबाजी आ मिजाज नइखे बदलल. अब अतवार का दिने चउथका एकदिना मुकाबिला पर नजर लगवले बिया भारत के क्रिकेट टीम.
  • भारतीय हॉकी टीम के कोच माइकल नोब्स कहले बाड़न कि अतवार का दिन होखे जा तहल एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी के फाइनल जीते खातिर टीम आपन पूरा ताकत लगा दी. एह टूर्नामेंट में अबही ले भारत के पुरुष टीम हारल नइखे.
  • तमिलनाडु के कुश कुमार जॉर्डन के अलसाराज अहमद के 11-5, 9-11, 11-9, 11-9 से हराके इंडियन ओपन जूनियर स्क्वॉश चैम्पियनशिप के लड़िकन के अंडर-17 वर्ग के खिताब जीत लिहले,
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी (महिला)में भारत के महिला हॉकी टीम चउथका जगह पर रहल.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम पालेकेले टेस्ट मैच के तीसरा दिने शनिचर के अपना पहिला पारी में सात विकेट पर 411 रन बनाके श्रीलंका पर 237 रन के बढ़त ले लिहले बिया.
  • अमेरिकी ओपन बोपन्ना-कुरैशी जोड़ी सेमीफाइनल में हार गइल.
  • तिसरको एकदिना में इंग्लैंड भारत के 3 विकेट से हरवलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: